web analytics

टेम्पो आ रोडवेज बस के टक्कर का चलते दू जने मरले आठ जने घवाहिल

वाराणसी 15 दिसम्बर (वार्ता) चोलापुर इलाका में रोडवेज का बस आ एगो टेम्पो के टक्कर से एगो औरत समेत दू लोग के जान चल गइल आ आठ जने घवाहिल हो गइले. घवाहिलन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. एहमें पुलिस बहाली के इम्तिहान देबे आइल एगो नवहिओ शामिल बा.  65 total views

 65 total views

चार गो लड़ीकन के बस कचार दिहलसि, दू गो के मौत दू गो घाहिल

वाराणसी 12 नवम्बर (वार्ता) वाराणसी जिला के चोलापुर इलाका में आजु एगो बेकाबू बस नियार गाँव का लगे पैदल चलत चार गो स्कूली लड़िकन के कचार दिहलसि जवना में दू गो के मौत ओहिजे हो गइल आ दू गो घाहिल होके अस्पताल में भरती करावल गइले. मरे वाला लड़ीकन के उमिर सात से आठ साल … Read more

 254 total views

परिवार के चार बेकत के हत्या के खुलासा, एगो अपराधी गिरफ्तार

वाराणसी 06 नवम्बर (वार्ता) वाराणसी के चोलापुर इलाका में पिछला 29 अक्टूबर के रात भइल एके परिवार के चार बेकत के हत्या का मामिला के खुलासा करत पुलिस एगो आरोपी के गिरफ्तार क लिहलसि. पुलिस बतवलसि कि ओह रात चन्दापुर गांव में मोहन जायसवाल के घर पर हमला क के मोहन जायसवाल, उनुका झूना देवी, … Read more

 328 total views

एके परिवार के चार बेकत के हत्या

वाराणसी 30 अक्टूबर (वार्ता) वाराणसी के चोलापुर इलाका में मंगल का रात कुछ बदमाश एगो घर मे घुस के मरद मेहरारू समेत चार बेकत के हत्या क दिहले आ एगो लड़िका घवाहिल हो गइल. पुलिस के कहना बा कि मंगल रात कुछ बदमाश मोहन जायसवाल के घर में घुसले आ परिवार के लोग प रॉड … Read more

 372 total views