web analytics

छपरा न्यूज (सोमार, 14 सितंबर 2015)

हिअमो नेता जीतन राम माँझी के कहना बा कि हम खिसियाइल नइखीं. असल मे चुनाव आयोग से राजनीतिक दल के मान्यता पावे खातिर जरूरी बा कि हिअमो कुछ अधिका सीट से लड़ो जेहसे कि ओकरा जरुरी मत प्रतिशत मिल जाव. अतवार देर रात तक भाजपा के लोग माँझी से बतियावत रहल बाकिर कवनो समझौता वाला … Read more

 194 total views

छपरा न्यूज (अतवार, 13 सितंबर 2015)

जीतन राम माँझी के पेंच फँसवला का चलते शनिचर का दिने राजग के सीट बँटवारा के एलान ना हो सकल. माँझी के जिद्द बा कि उनुका रामविलास पासवान के लोजपा का बराबरे सीट दीहल जाव काहे कि उनुका साथे तेरह गो विधायक बाड़ें जबकि लोजपा में एको ना. एह पेंच के सझुरावे में राजग के … Read more

 82 total views

छपरा न्यूज (शनिचर, 12 सितंबर 2015)

चुनाव नजर में राख के हाल ही में नीतीश सरकार बहुते अधिकारियन के एने से ओने कइले रहुवे बाकिर चुनाव के एलान होखला का बाद आयोग के हनक हावी हो गइल बा. काल्हु चुनाव आयोग का आदेश का बाद बिहार सरकार के गृह सचिव आ सामान्य प्रशासन सचिव आमिर सुबहानी के हटा दीहल गइल बा. … Read more

 189 total views

छपरा न्यूज : 13 जुलाई 2015

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 25 जुलाई के आईआईटी, पटना के बिहटा वाला नयका कैपस के उद्घाटन करे आवत बाड़े आ ओही दिने एस के मेमोरियल हाॅल में भारतीय कृृषि अनुसंधान परिषद के सालाना बइठको के संबोधित करीहें. मुजफ्फरपुर से भाजपा के चुनावी शंखनाद ओही दिने करे वाला बाड़न पीएम. भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह 16 … Read more

 88 total views,  4 views today

छपरा न्यूज : 11 जुलाई 2015

इसुआपुर के थानाध्यक्ष रहला का दौरान भइल संजय तिवारी के हत्या का मामिला में छपरा मंडल कारा में बंद राजन सिंह उर्फ कुश, रविरंजन कुमार उर्फ लव, रविरंजन कुमार उर्फ कल्लू, विजय कुमार आ मुन्ना चौबे के न्यायिक दंडाधिकारी शक्तिधर भारती के न्यायालय में शुक का दिने कड़ा सुरक्षा का बीच पेश कइल गइल आ … Read more

 175 total views

छपरा न्यूज : 10 जुलाई 2015

राहुल सांस्कृत्यायन के शब्दन में भोजपुरी के शेक्सपीयर भा अनगढ़ हीरा कहाए वाला लोककलाकार भिखारी ठाकुर के आजु पुण्यतिथि ह. आजु के दिन भोजपुरी समाज के समस्या पर एगो सहज नजर राखे वाला आ ओकर सहजे समाधानो सुझावे वाला भिखारी ठाकुर के हार्दिक श्रद्धांजलि. लोकमन के कुशल चितेरा भिखारी के जनम सारण जिला के कोटवा … Read more

 105 total views

छपरा न्यूज : 9 जुलाई 2015

बुध का दिने सारण प्रमंडल में ठनका गिरला से पाँच लोग के मौत हो गइल आ दस जने झँउस गइलन. घटना परसा के डेरनी थाना के खोजौली गाँव, पानापुर के मुड़वा गाँव, आ सिवान जिला के हसनपुरा के छोटकी टड़िला में भइल. बिहार सरकार जेपी आन्दोलन के सेनानियन के पेंशन दुगुना करे के एलान कइले … Read more

 200 total views

बिहार आ छपरा न्यूज – 25 मई 2015

बिहार में सरकार केकेर बनी एकर फैसला मुलायम, सोनिया आ लालू का हाथे बतवले बाड़न भाजपा नेता अरुण जेटली. हालांकि उनकर इहो दावा बा कि सरकार भाजपे के बनी. सभे जानत बा कि दिल्ली विधानसभा चुनाव में मिलल हार के दाग मेटावे खातिर बिहार विधानसभा जीतल भाजपा खातिर बेहद जरूरी बा. एह खातिर भाजपा हर … Read more

 193 total views

बिहार आ छपरा न्यूज 24 मई 2015

एह साल के आखिर में होखे वाला चुनाव के मद्दे नजर जनता परिवार के समेटे के कोशिश में पेंच फँस गइल बा. लालू नइखन चाहत कि जदयू का संगे र‌ाजद के विलय होखो. उनकर मनसा बा कि सगरी भाजपा विरोधी दल मिल के एगो महागठबन्हन बनावसु आ भाजपा के बिहार में रोक लीहल जाव. दोसरा … Read more

 209 total views

छपरा न्यूज, 23 मई 2015

लालू आ नीतीश के आपसी आगपाछ का फेर में जनता परिवार के विलय के मसला पर चरचा करे ला दिल्ली में बोलावल बइठक बेनतीजा रह गइल. एह बइठक में नीतीश अइबो ना कइलन. ओने जदयू नेता केसी त्यागी के बयान का बाद सपो महटियावे लागल बिया विलय के मुद्द. त्यागी के कहना रहे कि विलय … Read more

 188 total views,  5 views today

छपरा न्यूज – 22 मई 2015

सिवान जिला के दू गो सहोदर भाईयन के अपहरण आ मुआ देबे के मामिला में बियफे का दिने अदालत में दाखिल अपना बयान में बीएसएनएल बतवलसि कि जवना फोन से जेल से धमकी दीहल गइल ओह फोन के सिम राजद नेता आ सिवान के सांसद रह चुकल मो॰ शहाबुद्दीन के नाम वाला रहुवे. बिहार विधानसभा … Read more

 178 total views

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (शनिचर, 28 फरवरी 2015)

(शुक, 27 फरवरी के खबर) राष्ट्रपति के अभिभाषण पर संसद में भइल चरचा में विपक्ष के भाषनन के चुन चुन के जवाब दिहलन पीएम मोदी. आजु मोदी अपना पूरा रौ में रहुवन आ संसद में चुप्पी साधे के शिकायत करे वाला विपक्ष शायद अब फेर कबो उनुका से जवाब देबे के ना कही. अपना जवाब … Read more

 104 total views

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (शुक, 27 फरवरी 2015)

(बियफे, 26 फरवरी के खबर) बियफे का दिने पेश भइल मोदी सरकार के पहिलका पूरा रेल बजट में सवारी भाड़ा ना त कम भइल ना बढ़ावल गइल. डीजल के दाम में कमी से कुछ लोग के उमेद रहुवे कि भाड़ा में कुछ कमी हो सकेला. साथही कवनो नया ट्रेन चलावे के एलानो ना भइल. बाकिर … Read more

 91 total views

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (मंगल, 24 फरवरी 2015)

(सोमार, 23 फरवरी के खबर) छपरा न्यूज मुहल्ला के समस्या सलटावे खातिर पोलियो ड्राप ना पिआवे के सहारा ले के छपरा के रौजा पोखरा बस्ती के लोग अधिकारियन के हलकान क दिहल. चार घंटा ले मान मनौवल का बाद लोग पोलियो ड्राप पिअवावे खातिर तइयार भइल. एगो निजी फाइनेंस कंपनी के कर्मचारी लोन के पइसा … Read more

 198 total views