web analytics

बिहार पंचायत चुनाव के उमीदवारी आ यूपी के इण्टरमीडिएट परीक्षाफल

(टटका खबर, सोमार, जेठ अँजोरिया एकादशी, 2078 विक्रमी) उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद कोरोना महामारी का चलते रद्द कइल गइल परीक्षन के परिणाम जारी करे वाला सिद्धान्त तय कर लिहले बावे. एह सिद्धान्त के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मंजूरी मिल गइल बा. अब परिणान जल्दिए जारी हो जाए के उमीद बा. एह सिद्धान्त का हिसाब … Read more

 100 total views,  1 views today

जिनिगी के दौड़ थथम गइल पद्मश्री मिल्खा सिंह के

(टटका खबर, शनीचर, जेठ अँजोरिया नवमी, 2078 विक्रमी) आखिरकार काल्हु शुक का दिने कोरोना से लड़ाई हार गइलन चार बेर एशियन गेम्स के स्वर्ण पदक विजेता रहल पद्मश्री मिल्खा सिंह. कुछ दिन पहिलहीं उनुकर पत्नी निर्मल कौर (85) के कोरोने से निधन हो गइल रहुवे आ अब परिवार पर एगो अउर दुख के पहाड़ आ … Read more

 92 total views

योगी का जन्मदिन पर विघ्न संतोषियन के एजेन्डा

टटका खबर, अतवार, जेठ अन्हरिया एकादशी, 2078 विक्रमी गोरक्षपीठाधीश्वर आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के काल्हु शनीचर के जन्मदिन रहुवे आ विघ्नसंतोषी एहू दिने अपना एजेन्डा पर लागल रहलें. एने कई दिन से तरह तरह के अफवाह पसारत हवा बनावे के कोशिश हो रहल बा कि केहू तरह यूपी से योगी के विदाई … Read more

 65 total views,  1 views today

टटका खबर, बुध, जेठ अन्हरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी

कोरोना के कहर झेलत देश आ समाज के हालात देखत केन्द्र सरकार काल्हु केन्द्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड के बारहवीं के परीक्षा रद्द करे के फैसला ले लिहलसि. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी का अध्यक्षता में काल्हु मंगल का दिने भइल एगो उच्च स्तर के बइठक में ई फैसला लीहल गइल. इहो कहल गइल कि आगे जा के … Read more

 98 total views

टटका खबर, अतवार, चईत अँजोरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

ना चाहतो बतावहीं के बा कि देश में कोरोना के पसार में आईल तेजी थथमे के नाम नइखे लेत. काल्हु शनीचर का दिने देश में कोरोना के 2 लाख 34 हजार 692 नया मरीज मिलला का साथही छूताह हो गइल लोगन के गिनिती 1 करोड़ 45 लाख 26 हजार 609 हो गइल. तोस के बाति … Read more

 48 total views,  1 views today

टटका खबर, सोमार, 12 अप्रैल 2021

वरिष्ठ साहित्यकार नरेंद्र कोहली कोरोना छूताह भइला का बाद दिल्ली के सेंट स्टीफन अस्पताल में भर्ती करावल गइल बाड़ें. 81 बरीस के नरेन्द्र कोहली होल ही में भइल एगो संघ कार्यक्रम में शामिल भइल रहलें. ओही कार्यक्रम में संघचालक मोहन भागवतो कोरोना छूताह भइल रहलें. कोहली के हालत गंभीर बा आ उनुका के वोंटिलेटर पर … Read more

 68 total views

टटका खबर, सोमार, 5 अप्रैल 2021

हिंदू धर्म के ग्रंथन के जन-जन ले चहुँपावे में लागल गोरखपुर के गीता प्रेस के अध्यक्ष अउर बरीसन से ‘कल्याण’ पत्रिका के संपादक रहल राधेश्याम खेमका के निधन वाराणसी में अतवार का दिने हो गइल. 86 बरीस के खेमका जी कई दिन से बीमार रहनी. वाराणसी के केदारनाथ घाट पर अपना निवास पर उहाँ के … Read more

 71 total views

टटका खबर, अतवार 6 सितम्बर 2020 के

बिहार विधानसभा चुनाव के घोषणा से पहिलहीं छरपा-छरपी के दौर चालू हो गइल बा. एह दौरान विरोधियन के नाथे के कोशिश त होखते बा अपना संघतियनो के जगहा देखावे के कोशिश हो रहल बा. नीतीश आ पासवान में कबो पटल ना बाकिर एह घरी भाजपा नीत राजग में दुनू गोल शामिल बा. एकरा बावजूद एक … Read more

 85 total views

टटका खबर, मंगल 25 दिसंबर 2020 के

अदालत के अपमान करे के दोसी मानल गइल वकील प्रशान्त भूषण के सजा देबे के फैसला सुप्रीम कोर्ट में सुरक्षित राख दीहल गइल. वकीलन के एकजुट राय रहुवे कि प्रशान्त के कवनो सजा ना दीहल जाव. प्रशान्त अपना बयान ला माफी मांगे के तइयार नइखन आ अदालत के बुझात नइखे कि छोड़ल जाव त का … Read more

 124 total views,  1 views today

टटका खबर, सोमार 24 अगस्त 2020 के

सात घंटा ले चलल नौटंकी का बाद सोनिया गाँधी तय क लिहली कि ऊ आपन इस्तीफा ना सकरीहें आ तब ले कांग्रेस के अध्यक्ष बनल रहीहें जब ले कांग्रेस आपन नया अध्यक्ष नइखे चुन लेत. बाकिर इहो साफ हो गइल कि अब सोनिया गाँधी में अतना बेंवत नइखे रहि गइल कि कि ऊ पूरा पार्टी … Read more

 85 total views,  1 views today

भोजपुरी पट्टी से 11 गो खबर, शुक 1 जून 2018 के

गोरखपुर में दू दिन लागी रोजगार मेला गोरखपुर 01जून (वार्ता) उत्तर प्रदेश के गोरखपुर विश्वविद्यालय में एगो बड़हन रोजगार मेला दू दिन ला लगावल जाए वाला बा. सहायक निदेशक सेवायोजन अखण्ड प्रताप सिंह बतवलन कि क्षेत्रीय सेवायोजन कार्यालय का तरफ से 9 आ 10 जून के दू दिन के रोजगार मेला दीक्षा भवन, विश्वविद्यालय परिसर … Read more

 110 total views,  3 views today

29 मई, मंगल के भोजपुरी पट्टी से 11 गो खबर

बस्ती में ट्रेन से कटाके दू आदमी के मौत बस्ती 29 मई (वार्ता). उत्तर प्रदेश में बस्ती के पैकोलिया इलाका में गौर टीसन का लगे बागडी गांव का सोझा रेल लाइन पार करत बलेसर गांव के रामजीत (30) आ 45 बरीस के एगो अनजान आदमी के मौत ट्रेन से कटा के हो गइल. अनजान आदमी … Read more

 123 total views,  1 views today

भोजपुरी पट्टी से 10 गो खबर, 8 मई 2018, मंगल

मऊ में ट्रैक्टर ट्राली पलटला से मजदूर के मौत मऊ, 08 मई (वार्ता) मऊ जिला के मधुबन इलाका में बालू लदले एगो ट्रैक्टर ट्राली पलटला से एगो मजदूर रामपुकार गोंड (35 बरीस) के मौत हो गइल. गोरखपुर में करंट लगला से दू जने के मौत गोरखपुर, 08 मई (वार्ता) गोरखपुर जिला के गुलहरिया इलाका में … Read more

 123 total views

भोजपुरी पट्टी से अतवार 6 मई 2018 के 6 गो खबर अउर

घर के तीन बेकत के मौत के खबर सुन के बेहोश भइली पत्नी आज़मगढ़, 06 मई (वार्ता) आजमगढ़ के कंधरापुर इलाका में कार का चपेटा में आके दादा-पोता के मौत हो गइल आ ई खबर सुन के पहिलहीं से अस्पताल में भरती विकलांग पिता के जान निकल गइल. पुलिस बतवलसि कि कप्तानगंज के कौड़िया बाजार … Read more

 114 total views

भोजपुरी पट्टी से 10 गो खबर, 6 मई 2018, अतवार

कार आ कंटेनर का बीच टक्कर से तीन लोग के मौत छपरा 06 मई (वार्ता) सारण जिला के दाउदपुर इलाका के भोला ढाला का नियरा काल्हु देर रात एगो कार बेकाबू होके कंटेनर से टकरा गइल आ एह हादसा में दाउदपुर थाना के टेटीहा टोला के शिवनाथ सिंह (50 बरीस), विधायी सिंह (18 बरीस) अउर … Read more

 154 total views

पिक वैन पलटला का चलते चार गो बारातियन के मौत, नौ जने घवाहिल

छपरा 25 अप्रैल (वार्ता). दाउदपुर इलाका के बनवार रेल ढ़ाला का नियरा आजु बारातियन से भरल एगो पिकअप वैन पलटि गइल आ एह हादसा में एगो औरत समेत चार गो बारातियन के मौत हो गइल आ नौ जने बहुते घवाहिल हो गइलें. पुलिस सूत्र बतवलें कि हाजीपुर से बारातियन के लेके वापिस लवटत एगो पिकअप … Read more

 45 total views

घरेलू कलह में बड़ भाई के छूरा घोंप के मार डललसि

परसा, 18 अप्रेल. पारिवारिक कलह आ बाताबाति में सारण जिला के परसा इलाका के एगो गाँव में छोटका भाई अपना बड़ भाई मिथिलेश राय के छूरा घोंप के जान ले लिहलसि. घवाहिल मिथिलेश के पीएचसी परसा ले जाइल गइल त डॉक्टर उनुका के मर गइल बता दिहलें. घटना काल्ह मंगल सबेर के ह, जानकारी मिलला … Read more

 57 total views

भोजपुरी पट्टी से शनिचर 7 अप्रैल के 14 गो खबर

ट्रैक्टर से कचरा के चालक के मौत डेहरी आन सोन 07 अप्रैल (वार्ता). रोहतास जिला के डेहरी नगर इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में गोपी बीघा के 30 बरीस उमिर के सत्येंद्र महतो अपने ट्रैक्टर से दबा के मर गइलें. ऊ अपने ट्रैक्टर चला के जात रहलें जब बस पड़ाव का नियरा एगो बालू … Read more

 106 total views

गंगा किनारे दू गो नवहियन के लाश मिलल

छपरा 06 अप्रैल (वार्ता). सारण जिला के नयागांव इलाका में गंगा नदी का किनारे से पुलिस आजु दू गो नवहियन के लाश बरामद कइलसि. पुलिस सूत्र बतवलें कि गाँव वालन से खबर मिलला का बाद पुलिस चहुँपल त देखलसि कि गंगा नदी का किनारे एगो मोटरसाइकिल पर दू गो नवहियन के लाथ राखल बा. दुनु … Read more

 41 total views

मशरख में प्रधानाध्यापक के गोली मारके हत्या

छपरा 06 अप्रैल (वार्ता). सारण जिला के मशरख इलाका के बहरौली ब्रह्मस्थान का नियरा आजु अपराधियन के गिरोह एगो प्रधानाध्यापक के गोली मारके हत्या क दिहलें. पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि बहरौली गांव रहे वाला आ बहरौलिए के मध्य विद्यालय के प्रभारी प्रधानाध्यापक विश्वनाथ सिंह (59 बरीस) आजु जब विद्यालय जात रहलन ओही बीच बहरौली … Read more

 45 total views