छपरा
छपरा 19 फरवरी (वार्ता) बिहार के सारण जिला के दिघवारा थाना क्षेत्र में शादी समारोह का दौरान आर्केस्ट्रा में फरमाईशी गीत गववला ले के भइल बतकही बढ़ि के गोलीबारी में बदलि गइल आ गोली लगला से एगो नवही के मौत हो गइल. पुलिस सूत्र से मिलल जानकारी में बा कि कोरिया गांव के शंकर प्रसाद
भारत का नाराजगी जाहिर कइला का बाद फिलस्तीन पाकिस्तान में अपना राजदूत वालिद अबू अली के ओहिजा से वापिस बोला लिहलसि आ खेद जतवले बा कि अनजाने में राजदूत ई गलती क दीहलन. लखनऊ के सआदतगंज इलाका के यासीनगंज में एगो मदरसा में बन्न क के राखल 52 गो नाबालिग लइकियन के पुलिस छोड़ा लिहलसि
मुस्लिम समाज के एगो कुप्रथा तलाक-ए-बिद्दत के गैर कानूनी बनावे वाला बिल आजु लोकसभा पारित क दिहलसि. एह कानून में व्यवस्था रही कि तीन तलाक देबे वाला मनई के तीन बरीस के जेल दीहल जा सकी. एह बाल पर विपक्षियन के सगरी आपत्ति खारिज क दीहल गइल. कांग्रेस ऊपरे-ऊपर त अपना के एह बिल के
रजिस्ट्रेशन सेक्शन में घंटन चलल फाइलन के जांच. हाईकोर्ट के निर्देश पर शुक का दिने पड़ल विश्वविद्यालय में छापा. संबद्ध कॉलेजन में अनुदान वितरण में भइल गड़बड़ी के दोषी के गिरफ्तारी ना भइलो से नाराज बावे हाई कोर्ट. श्रीधर दास देवरहा बाबा श्रीधर दास डिग्री महाविद्यालय के तीन गो छात्र हाईकोर्ट में गोहार लगवले बाड़ें
शिमला में आजु प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आम आदमी ला सस्ता हवाई यात्रा योजना ‘उड़ान’ (उड़े देश का आम नागरिक) के पहिलका फ्लाइट के झंडी देखाके रवाना कइलन आ एकरा साथही शुरु हो गइल देश के एक कोना के दोसरका कोने से हवाई यात्रा से जोड़े के काम. सुप्रीम कोर्ट एगो याचिका के सुनवाई क के
(शनिचर सबेरे 10 बजे के अपडेट) घन कुहा आ खराब मौसम का चलते पूर्वोत्तर रेलवे के गाडी संख्या 15204 लखनऊ जं.-बरौनी एक्सप्रेस 24 फरवरी आ 3 मार्च के, अउर गाडी संख्या 15205 लखनऊ जं.-जबलपुर एक्सप्रेस 22 फरवरी आ 1 मार्च का दिने ना चलावल जइहें स. सोनभद्र जिला के शक्तिनगर इलाके में पीडब्लूडी मोड़ का
सिवान के बाहुबली नेता आ सिवान से राजद सांसद रहल शहाबुद्दीन के सिवान जेल से हटा के तिहाड़ जेल भेजे के आदेश सुप्रीम कोर्ट दे दिहलसि आ इहो कहलस कि उनुका प चलत सगरी मामिला के सुनवाई वीडियो कान्प्फ्रेंसिंग से करावल जाव. एह फैसला के स्वागत करत भाजपा के बड़ नेता आ केन्द्रीय मंत्री रहल
बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार साफ क दिहलन कि नोटबंदी प प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के फैसला के दीहल उनुकर समर्थन अबहियों जारी बा आ ओकरा वापसी के बात कइल बेकार बा. कहलन कि अब बेनामी संपति का खिलाफ कार्रवाई होखल चाहीं. यूपी विधानसभा चुनाव के आखिरी दौर के चुनाव ला परचा दाखिला के तिसरका दिने
बिहार में फेरु भइल शिक्षा घोटाला. पर साल बिहार के बदनाम बोर्ड घोटाला का तरहे एगो नया घोटाला शिक्षा का क्षेत्र में भइल सामने आइल बा. बिहार विश्वविद्यालय में भइल एहू घोटाला के केन्द्र में वइसने रसूख वाला मौदूद बा जवना चलते ओकरा प केहू हाथ डाले के हिम्मत नइखे करत. ललन सिंह के नाम
दुनिया के शेयर बाजारन के रुख आ बजट से पहिले बैंकिंग अउर फाइनेंस कंपनियन के शेयर में भइल जोरदार लिवाली से आजु मुम्बई शेयर बाजार हाल के तीन महीना में सबले ऊँचाई ध लिहलसि. पांच राज्यन में होखे जात विधानसभा चुनाव के देखत चुनाव आयोग भारतीय रिजर्व बैंक से निहोरा कइले बा कि उमीदवारन के
छपरा टीसन प आजु सबेरे मुम्बई से मुजफ्फरपुर जात पवन एक्सप्रेस के एगो कोच में तलाशी लेत रेल पुलिस का हाथे एगो झोरा लागल जवना के केहु दावेदार ना बनल. ओह झोरा से ढेरे असलहा बलामद भइल बा. सवारियन से पूछला से कुछऊ थाह ना लाग पावल. यूपी चुनाव घोषणा का बाद कानून व्यवस्था बनवले
फर्जी वीजा कागजात बना के विदेश भेजेवाला गिरोह के चारगो जालसाजन के काल्हु छपरा के जेपीएम कॉलेज का नियरा से छपरा पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि। बतावल जात बा कि 21 जने के फर्जी कागजात बनाके सिंगापुर भेजले रहले सँ बाकि सब जने एयरपोर्ट पर धरा गइले। जब पता चलल कि एह लोगन का साथे जालसाजी
भसान का बाद अब पूजा समितियन पर मुकदमा शुरू होखे के दौर दूर्गा पूजा बीतला आ मूर्तिभसान हो चुकला का बाद अब प्रशासन पूजा समितियन पर तरह तरह के केस लादल शुरू क दिहले बा. बिहात सरकार हवनो तक प रोक लगा के आपन सेकूलरिज्म देखा चुकल बीया बाकिर कबो तजिया निकाले पर रोक लागल
एकमा नगर पंचायत ला वोट पड़ल काल्हु शुक का दिने एकमा नगर पंचायत ला वोट डालल गइल. सबेरहीं से लोग वोट डालेला लाइल में लागल शुरू हो गइल रहुवे. कोहरगड़ बलुआपर बूथ पर फर्जा नाम पर वोट डाले चहुँपल लोग के पुलिस खदेड़ खदेड़ के पीटलसि. करीब 60 फीसदी वोटर अपना कर्तव्य के पालन कइलन
बिहार के पहिलका भारी वाहन ड्राइविंग स्कूल छपरा में भाजपा सांसद आ केन्द्र में कौशल विकास आ सड़क परिवहन राज्यमंत्री राजीव प्रताप रूढ़ी सारण के नवहियन के एगो शानदार तोहफा दिहले बाड़न. बिहार के पहिलका भारी वाहन ड्राइविंग स्कूल सारण जिला के खैरा में 2 किलोमीटर लमहर आ 5 एकड़ में पसरल जमीन पर खुले
रात में सहतवार टीसन का लगे मालगाड़ी के बेपटरी हो गइला का चलते बलिया आ छपरा के बीच रेलगाडियन के आवाजाही बन्द हो गइल बा। कई गो रेलगाडियन के निरस्त क दिहल गइल बा। लमहर दुरी वाला रेलगाडियन के भटनी हो के चलावल जात बा।
पिछला तीन दिन से बिहार के सारण जिला हिन्दू आक्रोश के लहोक झेलत बा. हिन्दू देवी देवता के हीनई करावल एगो वीडियो मकेर के एगो मुसलमान नवही बेंगलुरु से अपना साथियन के मोबाइल पर भेजलसि आ ओकर पसरल शुरु हो गइल. हिन्दूवन का खिलाफ होखे वाला हर हरकत के अनदेखी करे के प्रशासनिक आदत अबकी
जेपी विश्वविद्यालय के तिसरका दीक्षान्त समारोह में बिहार के राज्यपाल आ कुलाधिपति रामनाथ कोविंद जी का हाथे 14 गो छात्रावन समेत कुल्ह 267 गो विद्यार्थियन के उपाधि दीहल गइल. एह मौका पर कुलाधिपति कोविंद सारण के माटी के सपूतन – देशरत्न राजेन्द्र प्रसाद, मजहरुल हक, गौतम ऋषि, ऋषि दधिचि, राजा मोरध्वज, भिखारी ठाकुर, राहुल सांस्कृत्यायन,
आजु सोमार का दिने छपरा-सोनपुर रेलखंड के डुमरी जुआरा बुजुर्ग हाल्ट का नियरा एगो नवही के ट्रेन से कटा के मौत हो गइल. आ ओकरा के बचावे का फेर में एगो मेहरारुओ कटा गइल. बतावल जात बा कि डुमरी जुअरा स्टेशन से पूरब कोठेया गांव का लगे सबेरे नौ बजे का लगभीर एगो नवही मोबाइल
छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय के प्रमुख कॉलेज आ नैको से मान्यता वाला राजेन्द्र कॉलेज में शिक्षकन के 157 स्वीकृत पद पर एह घरी महज 24 गो शिक्षक मौजूद बाड़ें. एह कॉलेज में इण्टर से पीजी ले आर्ट्स, साइंस आ कॉमर्स में करीब 12 हजार विद्यार्थियन के दाखिला लीहल गइल बा. बहुते विभाग त एके गो
Older Posts››
‹‹Newer Posts