Go to ...
RSS Feed

छोटा राजन

छोटा राजन खुदही गिरफ्तार होखे आइल रहुवे इण्डोनेशिया

देश के खुफिया एजेंसियन के कहना बा कि माफिया डाॅन छोटा राजन खुद आपन योजना बना के गिरफ्तारी देबे ला इंडोनेशिया चहुँपल रहुवे काहे कि एहिजा से भारत भेजल आसान होला. भारत अइला का बाद छोटा राजन मुंबई पुलिस के ओह अधिकारियन के नाम बता दिहलसि जे दाऊद इब्राहिम के गैंग से मिलल बा आ

छोटा राजन के भारत ले आवल जा रहल बा

बियफे का दिने बाली हवाई अड्डा खुलते माफिया डॉन छोटा राजन के भारत रवाना क दीहल गइल बा. ऊ काल्हु सबेरे एगो स्पेशल जहाज से दिल्ली ले आवल जाई आ कुछ दिन सीबीआई के हिरासत में दिल्लीए में रखला का बाद ओकरा के मुंबई के जेल में भेजे के बात होखत बा. एह बीच छोटा

इलाहाबाद से छोटा राजन गिरोह के तीन गो शूटर गिरफ्तार

यूपी पुलिस इलाहाबाद में रहे वाला तीन गो शूटरन के गिरफ्तार कर लिहले बिया. तीनो सकार लिहले बाड़न सँ कि ऊ छोटा राजन गिरोह ला काम करत रहलें. एकनी का लगे से कुछ असलहो बरामद भइल बा. छोटा राजन के कुछ दिन पहिले इण्डोनेशिया के बाली में गिरफ्तार कर लिहल गइल रहे आ काल्हु मंगल

छोटा राजन के गिरफ्तारी से दहशत में आइल पाकिस्तान

हाल ही में भारत के दबाव का चलते इण्डोनेशिया में डाॅन छोटा राजन के धरइला का बाद से पाकिस्तान दहशत में आ गइल बा. पाकिस्तान में बसेरा बनवले दाऊद के सुरक्षा कड़ा कर दीहल गइल बा आ ओकरा पर कई तरह के रोक लगा दीहल गइल बा जेहसे कि ओकर सुराग भारतीय एजेन्सियन के मत

अंडरवर्ल्ड डॉन छोटा राजन के दावा – सरेंडर नइखीं कइले, भारत लवटल चाहत बानी

बीसन बरीस से देश से फरार चलत छोटा राजन नाम के डाॅन इंडोनेशिया के बाली में धरा गइला का बाद कहत बा कि ओकरा सरेंडर के झूठ अफवाह पसारल जात बा. कहलसि कि भारत लवटल चाहत बा ऊ. जाने जोग बा कि भारत के भंड़ुआ मीडिया दाउद के कबो मुसलमान डाॅन ना बतवलसि बाकिर छोटा

अंडरवर्ल्ड डॉन छोटा राजन इंडोनेशिया मे धरा के खुश बा

अंडरवर्ल्ड डॉन छोटा राजन के काल्हु अतवार का दिने इंडोनेशिया के बाली में गिरफ्तार क लीहल गइल बा. बाकिर गिरफ्तारी का बाद के फोटो में ऊ बहुते खुश लउकत बा. बतावल जात बा कि दाऊद से जान बचावे खातिर छिछियात फिरत राजन थाक गइल रहुवे. ओकर तबीयत बहुते खराब चलत बा आ रोज रोज मेडिकल