Go to ...
RSS Feed

जंगल राज

लोजपा नेता के हत्या का केस में पुलिस सुबोध राय के धइलसि

लोजपा नेता बृजनाथी सिंह के हत्या का केस में पुलिस राघोपुर इलाका से सुबोध राय के गिरफ्तार क लिहले बिया. ओकरा साथे आठ जने अउर धराइल बाड़ें आ पुलिस बाकिओ अपराधियन के धरे में लागल बिया. लोजपा के कहना बा कि बिहार में जंगल राज वापसी के मुद्दा संसद के बजट सेशन में उठावल जाई.

बिहार में गंगाजल के दौर लवटे के आहट

पटना के रूपसपुर इलाका के महुआबाग में बैंक लूटे आइल चार गो बदमाशन में से एगो जनता का हाथे लाग गइल आ लोग जे बा से कि ओकर हाथे काट दीहल. पुलिस अब ओह बदमाश के हिरासत में लेके अस्पताल में भरती करा के इलाज करावत बिया आ मामिला के छानबीन करत बिया. पिछला बेर

बिहार में अपराधियन के पौ बारह

लालू प्रसाद के राजद संगे गठबन्हन क के जीतल नीतीश कुमार के नयका सरकार का बनला का बाद से बिहार के हालात जंगल राज जइसन हो गइल. रोजे कहीं ना कहीं से लूट, अपहरण, डकैती, हत्या के खबर आवे लागल बा. अइसन आरोप आजु बिहार भाजपा के बड़का नेता सुशील कुमार लगवलें आ कहलन कि

टटका खबर : सोमार, 27 जुलाई 2015 (अबेर)

ना रहलन मिसाइल मैन अब्दुल कलाम. आजु सोमार 27 जुलाई का साँझ शिलांग के आईआईएम में व्याख्यान देत घरी साँझ करीब साढ़े छह बजे देश के राष्ट्रपति रहल अब्दुल कलाम के 84 साल का उमिर में दिल के दौरा पड़ल आ कुछे देर बाद अस्पताल में उनकर मौत हो गइल. कलाम साहब के मौत पर