Go to ...
RSS Feed

जदयू

खबर भोजपुरी में (बुध, 14 जनवरी 2015)

(मंगल, 13 जनवरी के खबर) राजद अध्यक्ष अध्यक्ष लालू प्रसाद आजु साफ कहलन कि जदयू आ राजद के आपस में घोरा जाए के कवनो उमीद नइखे. कहलन कि होखी त जनता पार्टी परिवार के सगरी गोल के घोल ना त केहू के ना. सुने में आवत बा कि मुलायम सिंह यादव सगरी गोल के घोल

मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के बयान से बिहार के राजनीति गरमाइल

कुछ दिन पहिले बिहार के मुख्यमंत्री के बयान आइल रहे कि अगर चुनाव में जदयू राजद कांग्रेस गठबन्हन के बहुमत मिलल त नीतीश कुमार मुख्यमशत्री बनीहे. एह बयान का बाद बिहार के राजनीति गरमा गइल बा. राजद के कहना बा कि अबहीं एह तरह के कवनो बातचीत भा फैसला नइखे भइल. एह बयान का चलते

बिहार विधानसभा उपचुनाव में तिकोनिया लड़ाई

अगिला 21 आगस्त के बिहार विधानसभा के 2 गो सीट ला होखे वाला उपचुनाव में नीतीश कुमार के जदयू, लालू प्रसाद के राजद आ कांग्रेस तीनो मिल के लड़ीहे. राजद चार सीट प, जदयू चार सीट प आ कांग्रेस दू सीट पर लड़ी. अइसहीं वाममोर्चा के भाकपा माले पाॅच गो प, माकपा तीन गो प

नीतीश कहलन कि जदयू अपने जइसन विचारवाली पार्टिियन का संगे मिल के चली

बिहार में दस गो विधानसभा सीट पर होखे जात उपचुनाव ला एक तरफ भाजपा नीत राजग आ दोसरा तरफ जदयू, राजद, कांग्रेस, वाम दल वगैरह पार्टियन के घेराबन्दी शुरु हो गइल बा. भाजपा के कहना बा कि राजग के सगरी दल एह उपचुनाव ला पूरा से तइयार बाड़े. ओने जदयू नेता आ बिहार के मुख्यमंत्री

जदयू अपना पाँच गो सांसदन के निकाल फेंकलसि

बियफे का सबेरे नीतीश प हमला बोलत शिवानंद तिवारी कहलन कि राजद में टूट के सूत्रधार नीतीशे हउवन ना त एह तरह आनन फानन में बागी गुट के मान्यता ना दिहले रहीतन विधानसभा अध्यक्ष. कहलन कि नीतीश के सरकार अल्पमत में बिया आ एही बेचैनी में उ राजद में बँटवारा करवा दिहलन. बाकिर शिवानंद के

शिवानंद तिवारी बागी हो गइलन नीतीश का खिलाफ

पटना 29 जनवरी (वार्ता) राज्यसभा के दुबारा उम्मीदवार ना बनवला का चलते जदयू: के बड़का नेता शिवानंद तिवारी नाराज हो गइल बाड़न आ लोकसभा चुनाव लड़े से इंकार क दिहले बाड़न. उनुकर कहना बा कि नीतीश उनुका के बक्सर से लोकसभा चुनाव लड़वा के हरवावल चाहत बाड़न. नीतीश के नीयत उनुका बोली से झलकत बा

नीतीश के दिल्ली मे कवनो जनाधार नइखे, कहलसि कांग्रेस

पटना 30 नवम्बर (वार्ता) बिहार प्रदेश कांग्रेस आजु कहलसि कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के पार्टी .जदयू.के दिल्ली मे कवनो जनाधार नइखे एहसे बढ़िया होखीत कि जदयू अपना असर के इस्तेमाल फिरकावाराना ताकतन के हरवावे में लगाइत. ई बात कहत बिहार कांग्रेस के उपाध्यक्ष आ मीडिया प्रभारी प्रेमचन्द्र मिश्रा कहले कि जदयू के दिल्ली मे कवनो

जदयू नेता चिंतन शिविर में नीतीश के चिंतित कइले

राजगीर.नालंदा. 29 अक्टूबर, बिहार मे सत्तारूढ़ जदयू के चिंतन शिविर मे मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प उनुके पार्टी के एगो नेता जोरदार हमला कइले आ एगो दोसर नेता नरेन्द्र मोदी के जम के तारीफ कइले. जदयू के दू दिन के चिंतन शिविर में नीतीश कुमार नरेन्द्र मोदी पर जम के हमला बोलले आ मोदी के झूठा,

अनेके जदयू नेता भाजपा मे शामिल भइले

पटना 23 अक्टूबर (वार्ता) बिहार मे सत्तारूढ़ जदयू: के बड़ नेता प्रो. लक्ष्मी नारायण सिंह समेत अनेके जदयू नेता अपना समर्थकन साथे भाजपा में शमिल हो गइले. भाजपा के प्रदेश कार्यालय में भइल मिलन समारोह मे प्रदेश अध्यक्ष मंगल पांडेय, राज्यसभा मे प्रतिपक्ष के नेता रविशंकर प्रसाद आ बिहार विधानसभा मे विरोधी दल के नेता

छात्र जदयू के प्रदेश महासचिव आ कैमूर जिला अध्यक्ष भाजपा मे शामिल भइले

बिहार प्रदेश छात्र जदयू. के प्रदेश महासचिव आ कैमूर जिला के अध्यक्ष समेत अनेके नेता शनिचर का दिने भाजपा के प्रदेश कार्यालय में अध्यक्ष मंगल पांडेय का मौजूदगी में भाजपा में शामिल हो गइले. एहमें छात्र जदयू के प्रदेश महासचिव पंकज कुमार, कैमूर जिला छात्र जदयू के अध्यक्ष किशन कुमार, उपाध्यक्ष अभिसार पांडेय, वैश्य अतिपिछड़ा

गोपालगंज के सांसद समेत तीन गो सांसद आ एगो विधायक जदयू छोड़े का तइयारी में

लोकसभा चुनाव करीब आवत देख पाला बदले के सीजन शुरु हो गइल बा जदयू के खराब हालत देख ओकर सदस्य पाला बदले का तइयारी में बाड़े. एह ला ई लोग पार्टी का खिलाफ बोलल शुरु क दिहले बा. एह में झंझारपुर से जदयू सांसद मंगनी लाल मंडल त संकेत देत बाड़े कि राजद से टिकट

जदयू के बड़ नेता सच्चिदानंद राय भाजपा मे शामिल

बिहार मे सत्तारूढ़ जदयू के बड़ नेता सच्चिदानंद राय आजु मंगल का दिने अपना बहुते समर्थकन संगे भाजपा. मे शामिल हो गइले. भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष मंगल पांडेय, राज्य के उप मुख्यमंत्री रहल सुशील कुमार मोदी आ विधानसभा मे प्रतिपक्ष के नेता नंद किशोर यादव के मौजूदगी में पटना में भाजपा के प्रदेश कार्यालय मे

जदयू के विधायक रहल रविन्द्र यादव भाजपा मे अइले

जदयू. से विधायक रहल रविन्द्र यादव आ सांसद कैप्टन जयनारायण निषाद के बेटा अजय निषाद समेत अनेके नेता आजु अपना समर्थकन साथे भाजपा में शामिल हो गइले. भाजपा प्रदेश कार्यालय मे पार्टी के राष्ट्रीय महामंत्री अनंत कुमार, धर्मेन्द्र प्रधान, राजीव प्रताप रूड़ी. विधान मंडल के नेता सुशील कुमार मोदी, विधानसभा मे प्रतिपक्ष के नेता नंद

बिहार जदयू के विधायक नरेन्द्र मोदी से भेट कइला का चलते निलंबित

बिहार के जदयू विधायक छेदी पासवान आजु शनिचर का दिने गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी से भेट कइले. छेदी पासवान बिहार मे मोहनिया विधानसभा सीट के प्रतिनिधित्व करेले जवन सासाराम लोकसभा क्षेत्र में पड़ेला. चार बार विधायक रहल छेदी पासवान नौवीं आ दसवीं लोकसभा चुनाव में मौजुदा लोकसभा अध्यक्ष मीराकुमार के हरवले रहले आ मुख्यमंत्री

देश मे नेता के नइखे नीति के जरूरत बा कहलन वशिष्ठ नारायण सिंह

बिहार मे सत्तारूढ़ जदयू. के प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह आजु बेतिया में जदयू के जिला कार्यकर्ता सम्मेलन के संबोधित करत कहलन कि आजु देश के नेता ना नीति के विकल्प के जरूरत बा. कहलन कि देश मे बेरोजगारी, भ्रष्टाचार आ महंगाई चरम पर बा आ केन्द्र सरकार एकरा के दूर करे में फेल हो

हत्या आ लूट के मामिला मे जदयू विधायक नीरज कुमार सिंह जेल भेजइले

कटिहार के एगो अदालत छातापुर से जदयू विधायक नीरज कुमार सिंह उर्फ बब्बलू के लूट आ हत्या के एगो मामिला मे जेल भेज दिहलसि. ७नुका पर अछरंग लगावल गइल बा कि साल 2000 मे ऊ कटिहार में स्टेट बैक के बरेटा शाखा मे रुपिया जमा करे जात एगो आदमी का गाड़ी पर हमला कर के

तिसरका मोर्चा का बारे में जदयू अबहीं ले नइखे सोचले कहले नीतीश कुमार

आजु पटना में लगावल जनता दरबार का बाद पत्रकार सम्मेलन में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलें कि जदयू अबहीं ले तिसरका मोर्चा का बारे में कवनो फैसला नइखे कइले आ सही समय पर फैसला कर लिहल जाई. अक्टूबर में जदयू के विधानसभावार सम्मेलन तय बा. ओकरा बादे एह बारे में फैसला लिहल जाई,. काल्हु

बिहार के अपना बड़बोलता मंत्रियन के माफी दिहलसि जदयू

शहीद पे बेहूदा बयान देबे वाला अपना दू गो मंत्रियन, भीम सिंह आ नरेन्द्र सिंह, के जदयू कारण बताओ नोटिस दिहले रहुवे. बाद में दुनु मंत्री अपना गलतबयानी ला माफी माँग लिहलन त पार्टी कारण बताओ नोटिस वापिस ले लिहलसि.

भीम का बाद अब नरेन्द्र उठवले बेहूदा बयान

जदयू सरकार के मंत्री अपना काल्पनिक वोट बैंक का लालच में अतना नीचे गिर गइल बाड़न कि उनुका बुझाते नइखे कि ओह लोग के बयानबाजी से सैनिकन के अपमान होखत बा आ राष्ट्रहित के नुकसान. काल्हु नरेन्द्र सिंह आपन बदमगजी देखावत कह दिहलन कि पूंछ में भइळ हमला में पाकिस्तान सरकार के कवनो दोष नइखे.

कांग्रेस नीतीश का पार्टी से गठबन्हन ना करी

बिहार कांग्रेस के अध्यक्ष अशोक चौधरी के कहना बा कि विश्वास मत पर नीतीश सरकार के साथ दिहला का बावजूद अगिला लोकसभा चुनाव ला कांग्रेस पार्टी जदयू से कवनो गठबन्हन ना करी. कहलन कि बिहार के जनता के हितलाभ खातिर नीतीश के समर्थन दिहल गइल.

Older Posts›› ‹‹Newer Posts