Go to ...
RSS Feed

जमशेदपुर

भोजपुरी मंच ममता का खिलाफ नाकेबंदी के बात कहलसि

जमशेदपुर. 11 नवंबर (वार्ता) भोजपुरी नवचेतना मंच पश्चिम बंगाल से आलू के निर्यात प लगावल रोक हटावे के माँग कइले बा चेतवले बा कि अगर रोक ना हटावल गइल त झारखंड से बंगाल जाए वाला सब्जी आ खनिज के जाए ना दीहल जाई.

रामलीला आ मिकी वायरस के खिलाफ उतरी भोजपुरी संगठन

जमशेदपुर 05 नवंबर (वार्ता) भोजपुरी भाषियन के संगठन भोजपुरी नवचेतना मंच जल्दिए रिलीज होखे वाली दू गो फिलिमन के, रामलीला आ मिकी वायरस, विरोध करी काहे कि एह फिलिमन में हिन्दुवन के धार्मिक भावना के उलट आ फूहड़ चित्रण भइल बा. मंच का ओर से बयान जारी भइला का बाद एकरा महानगर इकाई के अध्यक्ष

भोजपुरी के अनदेखी का खिलाफ दिवाली ना मनवलसि भोजपुरी मंच

जमशेदपुर 04 नवंबर (वार्ता) झारखंड मे भोजपुरी भाषा के अनदेखी से दुखी जमशेदपुर के भोजपुरी नवचेतना मंच दीवाली ना मनवलसि. पिछला दिने राज्य के शिक्षा मंत्री के बयान आइल रहुवे कि शिक्षक पात्रता परीक्षा के विषय सूची से भोजपुरी के बाहर क दिआई. नवचेतनामंच के महानगर इकाई के अध्यक्ष अंकित आनंद कहतारे कि भोजपुरी के

भोजपुरी के अनदेखी का विरोध में भोंजपुरी मंच दिवाली ना मनाई

जमशेदपुर 02 नवंबर (वार्ता) झारखंड मे भोजपुरी भाषा के अनदेखी का खिलाफ भोजपुरी नवचेतना मंच दीपावली पर्व ना मनावे के एलान कले बावे. मंच के महानगर इकाई के अध्यक्ष अंकित आनंद बयान जारी क के कहले बाड़न कि झारखंड में भोजपुरी के लगातार अनदेखी होखत बा. जान जाई कि हालही में झारखंड के शिक्षा मंत्री