web analytics

कालेज दाखिला खातिर माहौल गरमाइल

गाजीपुर के टाउन पीजी कालेज मे दाखिला मे होखत गड़बड़ियन का खिलाफ विद्यार्थी धरना प बइठल बाड़े. जमानिया हिन्दू पीजी कालेज मे सीट बढ़ावे के माँग होखत बा. एह खातिर विद्यार्थी कार्यालय प ताला लगा के धरना देत सड़को जाम कइलन. प्राचार्य से बातचीत का बावजूद मामिला के हल ना निकल पावल.  264 total views

 264 total views

गाजीपुर का जमानिया आ पुरैना मे कटान तेज

गंगा नदी के पानी मे लगातार गिरावट का बावजूद कई जगहा कटान रुकल नइखे. जमानिया आ पुरैना मे कटान बहुते तेजी से होखत बा. कटान रोके खातिर जवन बोरा डालल जात बा तवनन मे बालू का जगहा माटी भर के फेंकात देखि गाजीपुर के एडीएम भड़क गइले. बाकिर बालू आइल होखे तब नू भराव!.  298 total … Read more

 298 total views