Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

जम्मू कश्मीर

टटका खबर, सोमार, 8 जनवरी 2018

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अपना राजनीतिक जीवन में ईमानदारी आ स्वच्छता बरते खातिर जम्मू कश्मीर सरकार का तरफ से ओकर पहिलका मुफ्ती मोहम्मद सईद पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल बा. जनरल जोरावर सिंह आडियोरम में एगो समारोह में जम्मू कश्मीर के राज्यपाल एनएन वाहरा का हाथ से एह अवार्ड के स्मृतिफलक दीहल गइल.

टटका खबर, शनिचर, 6 जलवरी 2018

सीबीआई के विशेष अदालत शनिचर का दिने रांची में राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद के चारा घोटाला से जुड़ल एगो मामिला में साढ़े तीन बरीस के जेल आ दस लाख रुपिया के जुर्माना के सजा सुनवलसि. अगर जुर्माना ना भरीहें त छह महीना अउरी जेल में रहे के पड़ी. घोटाले में शामिल आ बिहार विधानसभा के

टटका खबर, 27 अप्रैल 2017, बियफे

शिमला में आजु प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आम आदमी ला सस्ता हवाई यात्रा योजना ‘उड़ान’ (उड़े देश का आम नागरिक) के पहिलका फ्लाइट के झंडी देखाके रवाना कइलन आ एकरा साथही शुरु हो गइल देश के एक कोना के दोसरका कोने से हवाई यात्रा से जोड़े के काम. सुप्रीम कोर्ट एगो याचिका के सुनवाई क के

टटका खबर – लगातार, 10 अप्रैल 2017, सोमार

भोजपुरी पट्टी देवरिया जिला के सलेमपुर इलाका के एगो पेट्रोल पम्प के मैनेजर मोटरसाइकिल से 11 लाख रुपिया ले के बैंक में जमा करावे जात रहलन जब बीचे राह में ओवरब्रिज का नियरा मोटरसाइकिल सवार तीन गो बदमाश उनुका के रोक के हवाई फायर क के डिग्गी में राखल पांच लाख रूपिया लूटके भाग गइले

टटका खबर, 26 मार्च 2017, अतवार

विधानसभा चुनाव में बड़हन हार का बाद अब बाप बेटा फेरु आमने सामने आ गइल लउकत बाड़ें. सपा गोल के मौजूदा अध्यक्ष आ यूपी के मुख्यमंत्री रहल अखिलेश यादव 28 तारीख का सबेरे सपा विधानमंडल गोल के बइठक बोतवले बाड़न त मुलायम सिंह 29 मार्च के साँझ बेरा नवका चुनाइल विधायकन के बइठक बोलवले बाड़न.

टटका खबर, 12 फरवरी 2017, अतवार

जम्‍मू कश्‍मीर में आजु भोरे कुलगाम जिला में सुरक्षाबल आ लश्‍कर-ए-तैयबा के आतंकवादियन का बीचे भइल मुठभेड़ में चार गो आतंकवादी मारल गइलें. सेना के दू गो जवानो शहीद हो गइलें. गोलीबारी में तीन गो अफरो सैनिक घाहिलो बाड़ें. बस्ती जिला के कोतवाली इलाका से गैरकानूनी असलहा बनावे वाले अड्डा के भंडाफोड़ करत पुलिस बावरिया

जम्मू कश्मीर के मुख्य मंत्री मुफ्ती सईद के निधन

पिछला पख से बेमार आ अस्पताल में आईसीयू में भरती जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री मुफ्ती मुहम्मद सईद के आजु बियफे का दिने एम्स में निधन हो गइल. एकरा बाद उनुका पार्थिव शरीर के श्रीनगर में सुपुर्दे खाक क दीहल गइल. दिल्ली हवाई अड्डा पर उनुका के पीएम मोदी आपन श्रद्धांजलि दिहलें. मुफ्ती सईद के निधन

Older Posts››