राजस्थान के लोग कांग्रेस के सबले अधिका जहर भरल बतावल
November 24, 2013
बांसवाडा 24 नवम्बर (वार्ता) भारतीय जनता पार्टी का ओर से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी आजु कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गांधी पर पलटवार कइले आ सभा में आइल लोगे का मुँह से कहववले कि सबले अधिका जहरीला पार्टी कांग्रेस हिय. शनिचर का दिने कोटा मे भइल सभा मे सोनिया गाँधी भाजपा के जहरीला बतवले रही.