web analytics

टटका खबर, शनिचर, 30 दिसम्बर 2017

भारत का नाराजगी जाहिर कइला का बाद फिलस्‍तीन पाकिस्तान में अपना राजदूत वालिद अबू अली के ओहिजा से वापिस बोला लिहलसि आ खेद जतवले बा कि अनजाने में राजदूत ई गलती क दीहलन. लखनऊ के सआदतगंज इलाका के यासीनगंज में एगो मदरसा में बन्न क के राखल 52 गो नाबालिग लइकियन के पुलिस छोड़ा लिहलसि … Read more

 67 total views

हाल के बूनी बरखा का बाद जाड़ पसरल शुरु हो गइल

पिछला दू तीन दिन के बूनी बरखा का बाद यूपी आ बिहार में जाड़ा के असर लउके लागल बा. अगिला दू तीन दिन बरखा बूनी ना होखे के अनुमान लगावल गइल बा. कुछ जगहा कुहा गिरे के अनेसा बतावल जात बा.  157 total views

 157 total views