web analytics

सिद्धार्थनगर जिला अस्पताल में आगि लागल – सात गो मासूम बाल बाल बचले

सिद्धार्थ नगर 13 मार्च (वार्ता). सिद्धार्थनगर जिला अस्पताल में बिजली के शॉर्ट सर्किट से आगि लगलै से अफरातफरी मच गइल बाकिर कर्मचारियन के तेजी से सात गो मासूम बाल-बाल बच गइले. आधिकारिक सूत्र बतवलें कि अस्पताल के मदर केयर यूनिट में काल्हु देर राति शार्ट सर्किट का चलते आगि लाग गइल. एह वार्ड में सात … Read more

 46 total views

बलिया जिला अस्पताल में रिक्शाचालक सूई लगवलसि, लड़िका मूअल

एह भक में मत रहीं कि बलिया जिला अस्पताल में डाक्टर, नर्स आ कंपाउंडरे इलाज के काम करेलें. कुछ दिन पहिले एगो टीवी चैनल देखवले रहुवे कि कइसे बलिया जिला अस्पताल में स्वीपर घाव पर टाँका लगावत रहुवे. अब एगो रिक्शा वाला एगो गंभीर बीमार लड़िका के सूई लगा दिहलसि. सूई लगवला का तुरते बाद … Read more

 156 total views

हड़ताल तूड़ काम पर लवटले बलिया के डाक्टर

पिछला तीन दिन से हड़ताल पर चलत बलिया जिला अस्पताल के डाक्टर काल्हु दुपहरिया से काम पर लवट अइले. आखिरी दम तक लड़े के गोहार लगावत डाक्टर लोग महज भरोसा मिलला का नाम पर आपन हड़ताल तूड़ दिहले, बतावल जात बा कि प्रशासन इशारा दिहलसि कि बात निकली त फेर दूर ले जाई आ तब … Read more

 163 total views

बलिया जिला अस्पताल के डाक्टर सोमार से हड़ताल पर

बियफे का दिने जिला अस्पताल में विद्यार्थियन के एगो झुंड आ के सीएमओ आ सीएमएस का संगे बवाल कइले आ ड्यूटी पर तैनात डाक्टर के पिटाई कर दिहलें. बतावल जात बा कि बुध का रात एगो छात्र नेता अपना रिश्तेदार के इलाज खातिर जिला अस्पताल चहुँपल त उनका मरीज के सही से इलाज ना भइल … Read more

 219 total views

बलिया नगर विधायक पर मारपीट के आरोप

बलिया जिला पैकफेड के इंजीनियर हंदयानंद चौबे नगर विधायक नारद राय का खिलाफ थाना में शिकायत दर्ज करवले बाड़न कि विधायक उनुका से मारपीट कइलन, धमकवलन आ निर्माण कार्य में रुकावट पैदा कइलन. ओने इंजीनियर का खिलाफ सपा नेता भीम सिहं शिकायत लिखववले बाड़न कि निर्माण कार्य में गड़बड़ी कर के रुपिया गबन कइल जात … Read more

 166 total views