web analytics

टटका खबर, सोमार, 8 जनवरी 2018

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अपना राजनीतिक जीवन में ईमानदारी आ स्वच्छता बरते खातिर जम्मू कश्मीर सरकार का तरफ से ओकर पहिलका मुफ्ती मोहम्मद सईद पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल बा. जनरल जोरावर सिंह आडियोरम में एगो समारोह में जम्मू कश्मीर के राज्यपाल एनएन वाहरा का हाथ से एह अवार्ड के स्मृतिफलक दीहल गइल. … Read more

 66 total views,  1 views today

छपरा जेपी विश्वविद्यालय में विजिलेंस के छापा

रजिस्ट्रेशन सेक्शन में घंटन चलल फाइलन के जांच. हाईकोर्ट के निर्देश पर शुक का दिने पड़ल विश्वविद्यालय में छापा. संबद्ध कॉलेजन में अनुदान वितरण में भइल गड़बड़ी के दोषी के गिरफ्तारी ना भइलो से नाराज बावे हाई कोर्ट. श्रीधर दास देवरहा बाबा श्रीधर दास डिग्री महाविद्यालय के तीन गो छात्र हाईकोर्ट में गोहार लगवले बाड़ें … Read more

 50 total views

छपरा न्यूज, 29 मई 2016

जेपी विश्वविद्यालय के तिसरका दीक्षान्त समारोह में बिहार के राज्यपाल आ कुलाधिपति रामनाथ कोविंद जी का हाथे 14 गो छात्रावन समेत कुल्ह 267 गो विद्यार्थियन के उपाधि दीहल गइल. एह मौका पर कुलाधिपति कोविंद सारण के माटी के सपूतन – देशरत्न राजेन्द्र प्रसाद, मजहरुल हक, गौतम ऋषि, ऋषि दधिचि, राजा मोरध्वज, भिखारी ठाकुर, राहुल सांस्कृत्यायन, … Read more

 266 total views,  5 views today

छपरा के जेपी विश्वविद्यालय में शिक्षकन के बहुते पद खाली

छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय के प्रमुख कॉलेज आ नैको से मान्यता वाला राजेन्द्र कॉलेज में शिक्षकन के 157 स्वीकृत पद पर एह घरी महज 24 गो शिक्षक मौजूद बाड़ें. एह कॉलेज में इण्टर से पीजी ले आर्ट्स, साइंस आ कॉमर्स में करीब 12 हजार विद्यार्थियन के दाखिला लीहल गइल बा. बहुते विभाग त एके गो … Read more

 247 total views

जेपी विश्वविद्यालय में पढ़ाई के माहौल बनावल जाई : प्रभारी वीसी

छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय के कुलपति के प्रभार प्रोवीसी प्रो लोकेश चंद्र शनिचर का दिने सम्हार लिहलन, उनुका के एह पद पर ज्वायन करे के निर्देश कुलाधिपति आ राज्यपाल का तरफ से आइल रहे. प्रभार लिहला का बाद प्रोवीसी कहलन कि जेपीविवि में पढ़ाई के माहौल बनावल जाई. सत्र नियमित करे आ समय पर परीक्षा … Read more

 210 total views

जेपी विश्वविद्यालय छपरा के कुलपति के जान से मारे के धमकी

जयप्रकाश विश्वविद्यालय, छपरा के कुलपति प्रो. द्विजेंद्र गुप्ता आ छात्र कल्याण डीन प्रो. आरबी कुंवर के एगो मोबाइल से जान से मार देबे के धमकी मिलल बा. कुलपति के इमेलो पर अनर्गल मेल अवत बा. पुलिस पता लगावे में लागल बिया कि मोबाइल नंबर केकर ह. इहो पता नइखे चलत कि काहे खातिर एह तरह … Read more

 205 total views

जेपी विश्वविद्यालय कुलपति का मुँह पर करीखा पोताइल

राजद के छात्र संगठन पिछला बियफे कादिने जयप्रकाश विश्वविद्यालय के कुलपति के मुंह पर करीखा पोत दिहलें. कुलसचिवो का मुँह पर करीखा लगावल गइल. राजद के ई छात्र कार्यकर्ता माँग करत रहलें कि छात्र संघ के चुनाव करावल जाव, कॉलेज में शिक्षकन के वैकल्पिक व्यवस्था कइल जाव आ विश्वविद्यालय परिसर में जेपी के मूर्ति लगावल … Read more

 193 total views

सैंतीस लाख लगा के बनल जेपी विश्विवद्यालय के गेट

छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय सैंतीस लाख लगा के आपन भव्य मेन गेट बनवले बावे. एह गेट के उद्घाटन बिहार विधानसभा के अध्यक्ष करेवाला बाड़न. काल्हु शुक के महाचंद्र प्रसाद सिंह विधान पार्षद तइयारियन के जायजा लिहलन. उद्घाटन के तारीख आठ जुलाई तय कइल गइल बा.  190 total views

 190 total views