web analytics

देवरिया जेल में अतीक अहमद के बैरक में मिलल प्रतिबन्धित सामान

देवरिया, 07 मार्च (वार्ता). देवरिया जिला जेल में बन्द पहिले सांसद रहल आ फूलपुर लोकसभा क्षेत्र में होखत उप चुनाव में निर्दल उम्मीदवार अतीक अहमद के बैरक से आजु प्रतिबन्धित सामान बरामद भइल बा. आधिकारिक सूत्र बतावत बाड़ें कि काल्हु देवरिया जिला प्रशासन अचके में अतीक अहमद के बैरक के जांच पड़ताल शुरू क दिहलसि. … Read more

 13 total views,  1 views today

सिवान जेल में छापेमारी का बाद मोबाइल धराइल

सिवान 07 मार्च (वार्ता) सिवान जिला मंडल कारा में छापेमारी का बाद पुलिस मोबाइल समेत अउरियो आपत्तिजनक सामान बरामद कइलस। जेल अधीक्षक राकेश कुमार के नेतृत्व में आजु सबेरे जेल के वार्डन में छापेमारी का बाद मोबाइल फोन समेत अउरियो नाजायज सामान मिलल बा। एह बाति के जांच कइल जा रहल बा कि कड़ा सुरक्षा … Read more

 9 total views

बेतिया जेल से दु गो कैदी फरार

बेतिया 29 जनवरी (वार्ता) बेतिया जेल से आजु फजीरे दू गो कैदी जेल प्रशासन के चकमा देके फरार हो गइले स. एहमे पिपरा निवासी कृष्णा राम आ लाल बिहारी प्रसाद के नाम बा. दुनू जंगला तूड़ के भागल बाड़े, कृष्णा राम के रेल डकैती का मामिला मे गिरफ्तार कइल गइल रहे आ लाल बिहारी के … Read more

 38 total views

मुकदमा चलत बीमार कैदी के मौत

गोण्डा 14 नवम्बर (वार्ता) गोण्डा जिला जेल मे जालसाजी के मामिला मे बन्द एगो मुकदमा चलत कैदी रामरतन के जिला जेल में मौत हो गइल. वरिष्ठ जेल अधीक्षक वी.एस यादव बतवले कि रामरतन तरबगंज इलाका के परसहना गांव के रहुवे आ जालसाजी अउर कुछ दोसरो धारा में मुकदमा चलला का दौरान न्यायिक हिरासत मे गोण्डा … Read more

 29 total views

आरा मंडल जेल में कैदियन के गुट में झड़प से छह जने घाहिल

आरा 10 नवम्बर (वार्ता) भोजपुर जिला के आरा मंडल कारा मे आजु दू गो कैदी गुट अपने में भिड़ गइले जवना में छह गो कैदी घाहिल हो गइले. पुलिस सूत्र बतवले कि आरा जेल में कैदियन के दू गो गुट का बीच कवनो बात ले के विवाद हो गइल जवन देखते देखत हिंसक हो गइल … Read more

 64 total views

कैदी आ जेलकर्मियन के झड़प में एगो जवान घाहिल

छपरा 05 नवम्बर (वार्ता) छपरा मंडल जेल मे कैदियन आ जेल कर्मियन का बीच भइल झड़प में पुलिस के एगो जवान घाहिल हो गइल बा. आधिकारिक सूत्र बतवले कि मंडल जेल मे बंद दू दर्जन माओवादी कैदियन के भागलपुर आ सितामढ़ी मंडल जेल भेजल जात रहुवे. माओवादी एकरा खिलाफ पाँच दिन से आंदोलन करत रहले. … Read more

 51 total views

छपरा मंडल कारा मे छापेमारी पड़ल

आजु 10 अक्टूबर का सबेर में सारण जिला के छपरा मंडल कारा मे पुलिस अधीक्षक वरुण कुमार सिन्हा के नेतृत्व में छापा मारल गइल. एह छापेमारी में ढेरे मोबाइल फोन, शराब के बोतल समेत कईगो आपत्तिजनक सामान बरामद भइल. पुलिस अधीक्षक वरुण कुमार सिन्हा बतवले कि सूचना मिलल रहे कि कुछ कैदी जेले से मोबाईल … Read more

 51 total views,  5 views today

बेतिया जेल में छापा पड़ल

पश्चिम चंपारण जिले के बेतिया मंडल कारा मे पुलिस आजु सोमार का दिने अचके में छापा मरलसि. एह छापामारी के अगुआ रहलन अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी रामानंद कौशल आ अपर पुलिस अधीक्षक:अभियान राजेश कुमार. छापामारी में अलग अलग वार्ड से कुल मिला के तेरह गो मोबाइल, पन्द्रह गो चार्जर आ गाँजा वगैरह आपत्तिजनक सामान बरामद भइल … Read more

 63 total views,  10 views today

गाजीपुर जिला जेल के औचक निरीक्षण में कुछ भेंटाइल ना

आजु गाजीपुर जिला जेल के जिलाधिकारी समेत दोसरो अधिकारी औचक निरिक्षण कइलें बाकिर गहन जाँच का बादो कवनो आपत्तिजनक सामान ना मिलल. एह औचक निरीक्षण में जिलाधिकारी मोनिका ठाकुर, जिला जज प्रमोद श्रीवास्तव, पुलिस अधीक्षक चन्द्रपाल सिंह शामिल रहले. प्रशासन के कहना बा कि ई रूटीन चेकिंग रहे. जब से जेल में सीसीटीवी कैमरा लागल … Read more

 65 total views,  5 views today

बक्सर जेल से भागलपुर जेल भेजल गइल चंदन आ शेरू के

बक्सर सेन्ट्रल जेल में बंद अपराधी चंदन मिश्रा ओंकांरनाथ सिंह शेरू के शुक का दिने भागलपुर जेल भेज दिहल गइल. एह ट्रांसफर के कारण इ तहल कि जेल में बंद होखला का बावजूद ई अपराधी जेले से अपराध करावत रहले.  53 total views

 53 total views