Go to ...
RSS Feed

जौनपुर

जौनपुर में आल्हा गायन के कार्यक्रम

जौनपुर के सतहरिया औद्योगिक क्षेत्र में आल्हा गीत के आयोजन भइल जवना में आल्हा सम्राट फौजदार सिंह अपना आल्हा से लोग के मन मोह लिहलम. दुपहरिया से शुरू भइल कार्यक्रम देर साँझ ले चलल आ अपना आल्हा गायन में फौजदार सिंह बहुते शानदार तरीका से आल्हा उदल के कुछ प्रसंग सुनवलन.

जौनपुर के लड़िका साथे दुष्कर्म करे वाला होमगार्ड गिरफ्तार

जौनपुर जिला के एगो लड़िका कानपुर के छत्रपति शाहूजी महाराज विश्वविद्यालय में इंजिनियरिंग के पढ़ाई करेला. एहिजा ओकर दोस्ती कॉलेज में ड्यूटी करे वाला होमगार्ड से हो गइल. एक दिन उ होमगार्ड ओकरा के नशा दे के ओकरा साथे कुकर्म कइलसि आ ओकर वीडियो क्लिप बना लिहलसि. फेर शुरु हो गइल ओकर यौन शोषण आ

जलालपुर में क्रासिंग पर चाचा भतीजा रेल से कटा गइलें

जौनपुर जिला के जलालपुर इलाका के जलालगंज रेलवेक्रासिंग पर फाटक बंद रहला का बावजूद नीचे से निकल के जात चाचा भतीजा रेलगाड़ी का चपेटा में आ गइलें आ ओह लोग के ठाँवे पर मौत हो गइल. दुनु जने मोटरसाइकिल पर सवार रहुवे आ फाटक का नीचे से निकाल के लाइन पार करत रहुवे.

जौनपुर में बाढ़ फेरु लवटि आइल

जौनपुर में गोमती के पानी बढ़ल फेरु शुरु हो गइल बा आ निचला इलाका में बाढ़ के पानी फेर पसर गइल बा. हनुमान घाट, गूलर घाट, गोपी घाट, बलुआ घाट, बजरंग घाट डूब गइल बाड़ी सँ. शाही पुल के नीचे बनल गोमतेश्वर महादेव के मंदिरो आधा डूब गइल बा. नदी के किनारे के लोग जगहा

कुकुर का चलते साम्प्रदायिक बवाल के अनेसा

पिछला दिने जौनपुर में एगो कुकुर का चलते साम्प्रदायिक माहौल गड़बड़ाइल बुझाइल जब एक जाना के पोसुआ कुकुर दोसरा जाना के बकरी के काट लिहलसि. दुनु तरफ के लोग एह मामिला पर एक दोसरा का सोझा हो गइल. पुलिस ओह कुकुर के पकड़ के थाना ले आइल त उ ओहिजे से दीवार फान के भाग

पूर्वांचल विश्वविद्यालय लोक कलाकारन के मंच मुहैया करी

बिलात बिसरात लोक कला के जियवले राखे खातिर जौनपुर के वीर बहादुर सिंह पूर्वाचल विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो.सुंदरलाल एगो बढ़िया पहल कइले बाड़न कि लोक कलाकारन के विश्वविद्यालय का तरफ से मंच उपलब्ध करावल जाई. एही काम ला अगिला 15 अगस्त के कजरी महोत्सव मनावल जाई जवना में गुमनामी में जियत कलाकारन के आपन कला

पूर्वांचल में बाढ़

बलिया में बाढ़ के कहर जारी बा. गंगा खतरा का निशान से अढ़ाई मीटर उपर बहत बाड़ी. दोकटी इलाका में जगदीशपुर आ नरदरा गाँव के दू दर्जन से अधिका अउरियो घर गंगा का कटान में नदी में गिर गइली सँ. गाजीपुर में गंगा के पानी कम होत लउकल बाकिर बाढ़ आ कटान पहिलही का तरह

जौनपुर में सड़क हादसा में दू जने के मौत

जौनपुर के मुंगराबादशाहपुर इलाका के रायपुर चौराहा का लगे एगो सड़क हादसा में स्कूटर सवार दू गो आदमी के ठाँवे पर मौत हो गइल. हादसा मंगल का रात करीब साढ़े आठ बजे भइल. दुनु जने, रोहियांव गांव के राजेश मिश्र आ शिवशंकर, मुंगराबादशाहपुर बाजार से सुजानगंज राह से अपना गाँवे जात रहले जब चौराह पर

गोसाईंपुर में लागल आगि से तीन जने के मौत

जौनपुर जिला के सराय ख्वाजा इलाका के गोसाईंपुर गाँव में आजु एगो घर में आग लाग गइल, एह हादसा में ओह घर के तीन जने के जरला से मौत हो गइल. बतावल जात बा कि लकड़ी के चूल्हा पर खाना बनावत घरी उड़ल चिंगारी से छप्पर में आग लाग गइली. मरे वालन में एगो औरत

जौनपुर में छह गो बराती मरले

जौनपुर के बख्शा इलाका में बरातियन से भरल एगो जीप के एगो ट्रक से जोरदार टक्कर हो गइल जवना से छह जने के मौत हो गइल. बारात सुलतानपुर के इंदौली गाँव से केराकत जात रहे जब ई दुर्घटना भइल. आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.

घर में घूस के दुष्कर्म

जौनपुर जिला के आदमपुर गाँव में एगो औरत से बुध का देर रात ओकरा घर में घुस के दू लोग जबरदस्ती दुष्कर्म कइल. बाद में ओकरा लइकी से फोन पर शिकायत मिलला का बाद पुलिस चहुँपल आ मामिला के तहकीकात करत बिया. ओह औरत के अपना पड़ोसियन से रास्ता ले के झंझट चलत बा.

जौनपुर में बिजली खातिर पौने तीन सौ करोड़

जौनपुर नगर विधायक नदीम जावेद पत्रकारन के बतवलन कि राजीव गाँधी विद्युतिकरण योजना में जौनपुर ला दू सौ छियासी करोड़ तेरह लाख रुपिया दिहल गइल बा. एहसे ओह गाँवन में बिजली चहुँपावे के काम कइल जाई जहवाँ अबले बिजली नइखे चहुँपल. इहो कहलन कि जौनपुर जंक्शन आ जौनपुर सिटी रेलवे स्टेशन के मॉडल रेलवे स्टेशन

जौनपुर में भइल सड़क हादसा में 5 गो श्रद्धालुअन के मौत

उत्तर प्रदेश के जौनपुर जिला में एगो ट्रक आ जीप के बीच भइल टक्कर से मध्य प्रदेश के रहे वाला पांच गो श्रद्धालुअन के मौत हो गइल. ई सभे कुंभ नहा के बनारस काशी विश्वनाथ के दर्शन करे जात रहुवे.

जौनपुर में जहर वाला शराब से तीन जने के मौत

जौनपुर जिला के खुटहन चथाना के घमौरदास गाँव में एहो समारोह में शराब पियला का बाद सोमार देर रात तीन जने के मौत हो गइल. एक आदमी के बनारस रेफर कइल गइल बा. प्रशासन घटना के जाँच करवाववत बिया.

जौनपुर के पत्रकार जनार्दन सिंह के निधन

काल्हु शनिचर का दिने जौनपुर के चंदवक इलाका के वरिष्ठ पत्रकार जनार्दन सिहं के निधन उनुका गाँवे थुन्ही में हो गइल. अस्सी साल के जनार्दन सिहं कई गो अखबारन से जुड़ल रहलें आ शिक्षक रहलें. अंतिम संस्कार औड़िहार के तवक्का घाट पर भइल.

पूर्वांचल विश्वविद्यालय के विद्यार्थी अमेरिका में शोध कर सकीहें

जौनपुर के वीरबहादुर सिंह पूर्वांचल विश्वविद्यालय अमेरिका के विश्वविद्यालयन से बातचीत में लागल बा जवना का बाद एहिजा के विद्यार्थी अमेरिका के विश्वविद्यालयन में शोध कर सकीहें. एह दिसाईं फैसला करे से पहिले अमेरिका के वर्जीनिया विश्वविद्यालय के टीम अगस्त में पूर्वांचल विश्वविद्यालय के दौरा करे आई आ प्रबन्धन, शिक्षकन आ विद्यार्थियन से बातचीत कर

जौनपुर नगर के पूर्व विधायक के निधन

साल १९९१ में जनता दल के टिकट पर जौनपुर नगर के विधायक रह चुकल लालचंद मौर्य के निधन पैंसठ साल का उमिर में जौनपुर जिला अस्पताल में मंगल का दिने हो गइल. उनकर अंतिम संस्कार बुध का भोर में गोमती नदी के रामघाट पर नागरिक सम्मान का साथे कर दिहल जइल.

हावडा दिल्ली पूर्वा एक्सप्रेस के ठहराव अब जंघई टीसन पर

हावड़ा आ दिल्ली का बीच चले वाली पूर्वा एक्सप्रेस बुध सोलह मई का दिन से जौनपुर के जंघई टीसन पर रुकल करी. अगिला छह महीना ले एकर ई ठहराव दिहल गइल बा आ अगर एह से रेलवे के सवारी मिलले त ई ठहराव आगहू जारी रह सकेला.

‹‹Newer Posts