web analytics

सगरी खबर भोजपुरी में (बियफे, 2 जुलाई 2015)

बाकी हर मुद्दा पर विरोध के राजनीति करे वाला सांसद लोग आपन तनखाह आ भत्ता बढ़ावे का मुद्दा पर हमेशा एकराय होखेला. अब फेरू सांसद लोग के तनखाह दुगुना करे के बात चलत बा आ पुरनका सांसद लोग के पेंशन 75 फीसदी करे के बात कहल जात बा. संसद के समिति एकर सलाह दे दिहले … Read more

 186 total views,  5 views today

सगरी खबर भोजपुरी में (बुध, 1 जुलाई 2015)

ग्रीस के करजा समस्या के कवनो हल अबही ले नइखे निकल पावल. आजु यूरोपीय संघ के वित्त मंत्री लोग फेरू एह समस्या के राह निकाले खातिर चरचा करी लोग. कोशिश बा कि ग्रीस के दू बरीस के मोहलत दे दीहल जाव करजा चुकावे खातिर. विश्व बैंक से लीहल करजा ना दे पावे वाला पहिलका देश … Read more

 176 total views,  5 views today

सगरी खबर भोजपुरी में (मंगल, 30 जून 2015)

यूपी पुलिस अउर कुछ कर सके भा ना बाकिर भईंस, मुर्गी, आ अब कुकुर खोजे में ओकरा महारत हासिल होखत जात बा. आजम खान आ एगो भाजपा विधायक के भईंसन के ‘खोज’ लिहला का बाद ओकरा मुर्गी खोजे के काम मिलल रहुवे आ अब ओकरा जिम्मे कानपुर के एगो आदमी के भुलाइल कुकुर खोजे के … Read more

 185 total views,  5 views today

सगरी खबर भोजपुरी में (सोमार, 29 जून 2015)

काल्हु अतवार का दिेने देशवासियन से अपना मन के बात बतियावे के कड़ी में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी देश में खराब होखत जात लिंग अनुपात पर चिन्ता जतावत कहलन कि बेटी बचावऽ बेटी पढ़ावऽ अभियान के बरियार बनवला के जरूरत बा. एह बारे में हरियाणा के एगो सरपंच के शुरु कइल अभियान के समर्थन देत पीएम … Read more

 221 total views,  10 views today

सगरी खबर भोजपुरी में (अतवार, 28 जून 2015)

रोजे एगो नया विवाद जनमावत ललित मोदी अब खुलासा कइले बाड़म कि भारतीय क्रिकेट टीम के खास खिलाड़ियन में शामिल सुरेश रैना आ रविंद्र जडेजा सट्टेबाजी में शामिल रहले आ ललित एह बारे में आईसीसी के सीईओ डेविड रिचर्डसन का लगे शिकायत भेजलहु रहलन. ललित मोदी के कहना बा कि एह गलत काम में ड्वेन … Read more

 253 total views,  5 views today

सगरी खबर भोजपुरी में (शनिचर, 27 जून 2015)

पंद्रहवीं विधानसभा के मानसून सत्र आ विधान परिषद के अगिला सत्र शुरु होखे के दिन बढ़ा दीहल गइल बा. पहिले 24 जुलाई से शुरु होखे वाला सत्र अब 3 अगस्त से शुरु होखी आ महज चार दिन खातिर चली. आखिरी दिने अनुपूरक लेखा विवरण पास करावल जाई. यूपी के नयका डीजीपी बने खातिर रेस शुरु … Read more

 299 total views,  10 views today

सगरी खबर भोजपुरी में (शुक, 26 जून 2015)

मालेगांव विस्‍फोट मामिला में सरकारी वकील रोहिणी सेलियन के कहना बा कि राष्‍ट्रीय जांच एजेंसी उनुका पर एह मामला में नरम रुख अख्तियार करे के दबाव डालत बा. साल 2008 से चलत एह मुकदमा में आजु ले सरकार कवनो चार्ज शीट नइखे दाखिल कर सकल बाकिर मामला के लटकावत आवल जात बा काहे कि एह … Read more

 246 total views

सगरी खबर भोजपुरी में (बुध, 24 जून 2015)

सुने में आवत बा कि आयकर विभाग कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी आ उपाध्यक्ष राहुल गांधी के नोटिस भेजे वाला बा. ओकरा पता लागल बा कि नेशनल हेराल्ड अखबार के संपत्ति हथिया लिहला का बाद एह लोग के नाहियो त 1,300 करोड़ रुपिया के आमदनी भइल बा. जान जाईं कि हजारन करोड़ के ई संपत्ति हथियावे … Read more

 246 total views,  10 views today

सगरी खबर भोजपुरी में (सोमार, 22 जून 2015)

अफगानिस्तान में तालिबान आतंकवादी संसद पर हमला क दिहले आ बम फोड़त आ गोलीबारी करत घुस गइले. बाकिर सुरक्षाबल के जवान सातो आतंकवादियन के मार गिरवले. एह हमला में पाँच गो नागरिको के मौत हो गइल बा. मुंबई का किनार समुद्र में डूबत एगो जहाज जिंदल कामाक्षी से भारतीय नौसेना 20 गो क्रू मेंबर्स के … Read more

 193 total views,  10 views today

सगरी खबर भोजपुरी में (अतवार, 21 जून 2015)

आजु 21 जून का दिने दुनिया भर के 191 देशन में विश्व योग दिवस मनावल गइल. दिल्ली के राजपथ पर पीएम मोदी का संगे नाहियो त 37 हजार लोग एक जगहा पर योग क के एगो रिकार्ड बना दीहल. दिल्ली के राजपथ पर भइल पीएम के कार्यक्रम में दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरौवालो शामिल भइलें. … Read more

 102 total views,  4 views today

सगरी खबर भोजपुरी में (शनिचर, 20 जून 2015)

यूपी के राज्यपाल राम नाईक आजु गोरखपुर में योग आ महायोगी गोरक्षनाथ विषय पर आयोजित गोष्ठी में कहलन कि भारत का तरफ से योग के रूप में एगो शनदार तोहफा दुनिया के दिआइल बा आ क्रियात्मक योग के लोकप्रिय बनावे वाला गुरू गोरक्षनाथ के साधनास्थली होखला का चलते गोरखपुर के योग क गंगोत्री कहल जा … Read more

 236 total views,  5 views today

सगरी खबर भोजपुरी में (शुक, 19 जून 2015)

रेलवे के तत्काल सिस्टम में कुछ ना कुछ घोटाला त जरूरे हो रहल बा ना दू मिनट का भितरे 180 टिकट कइसे कट जात बा. विभाग के देखे के चाहीं कि तत्काल टिकट कटावे वालन के आइपी का ह आ कहीं एके आइपी भा कुछेके से त ई घपला नइखे हो रहल. आखिर सब कुछ … Read more

 215 total views,  10 views today

सगरी खबर भोजपुरी में (बियफे, 18 जून 2015)

21 जून का दिने पूरा दुनिया विश्व योग दिवस मनावे के तइयारी में बावे त इहो जाने जोग बा कि दुनिया के अकेला योग विश्वविद्यालय बिहार के मुंगेर बा. एह बिहार स्कूल आफ योग के स्थापना साल 1964 में स्वामी सत्यानंद जी कइले रहीं आ तब से लगातार ई संस्थान योग के शिक्षा देत आइल … Read more

 182 total views,  10 views today

सगरी खबर भोजपुरी में (बुध, 17 जून 2015)

बिहार विधानसभा चुनाव खातिर भाजपा के प्रभारी अनंत कुमार के बयान का बाद उपजल बेचैनी सुशील मोदी के चुप ना रहे दिहलसि आ ऊ अब खुल के सामने आ गइल बाड़न. उनकर कहना बा कि भाजपा बिहार चुनाव से पहिले आपन नेता घोषित कर दी. देखल जाव कि सुशीलो मोदी शत्रुघ्न सिन्हा के लाइन धरत … Read more

 220 total views,  5 views today

सगरी खबर भोजपुरी में (मंगल, 16 जून 2015)

दू दिन से कुछ मीडिया पर सुषमा स्वराज के इस्तीफा माँगत अभियान चलावल जात बा. एही अभियान का सहारे कांग्रेसो आपन बचल खुचल ताकत जोड़ दिहले बिया. सुषमा पर आरोप बा कि लंदन में रहल ललित मोदी के इंगलैंड से यात्रा के कागजात हासिल करे में सहयता चहुँपवली जबकि ललित मोदी का खिलाफ इडी के … Read more

 204 total views,  5 views today

सगरी खबर भोजपुरी में (सोमार, 15 जून 2015)

पिछला 3 मई के करावल गइल आलइण्डिया प्रीमेडिकल टेस्ट के रद्द करत सुप्रीम कोर्ट एकरा के फेरू से चार हप्ता का भितरे करा लेबे के आदेश दे दिहलसि. पिछलका इम्तिहान का दिने कुछ लोग हरियाणा का रोहतक में आंसर शीट का साथे धराइल रहलें. एकरा बाद कुछ छात्र एकरा के दुबारा करावे के मांग करत … Read more

 170 total views,  10 views today

सगरी खबर भोजपुरी में (अतवार, 14 जून 2015)

भारत सरकार का तरफ से कहल गइल बा कि भारत चीन संगे व्यापार बढ़ावे खातिर तय कर लिहले बा काहे कि एहसे दुनू देश के फारदा होखे वाला बा. मेक इन इंडिया से भारत में रोजगार बढ़ी आ चीन खातिर निवेश के राह खुली. केन्द्र सरकार परमाणु दुर्घटना बीमा कोष ला डेढ़ हजार करोड़ रुपिया … Read more

 221 total views,  10 views today

सगरी खबर भोजपुरी में (शनिचर, 13 जून 2015)

बिहार विधानसभा चुनाव खातिर भाजपा के चुनाव प्रभारी अनंत कुमार के आ सह प्रभारी धर्मेन्द्र कुमार के बनावल गइल बा. एह बीच रामविलास पासवान के लोजपा, उपेन्द्र कुशवाहा के आरएलएसपी आपन आपन गोल के सीट बढ़वावे का जुगत में लागल बाड़े. सभे जानत बा कि भाजपा कवनो एक आदमी के नेता बना के चुनाव लड़े … Read more

 247 total views,  5 views today

सगरी खबर भोजपुरी में (शुक, 12 जून 2015)

बिहार के मुख्यमंत्री रहल जीतन राम मांझी काल्हु भाजपा अध्यक्ष से मिलला का बाद एनडीए में शामिल होखे के एलान कर दिहलन. कहलन कि सीट का बारे में अबहीं कवनो बात नइखे भइल बाकिर नीतीश आ लालू के नापाक गठबन्हन के हरावे खातिर उनकर गोल भाजपा से मिल के चुनाव लड़ी. ओने भाजपा से हमेशा … Read more

 222 total views,  6 views today

सगरी खबर भोजपुरी में (बुध, 10 जून 2015)

मंगल का दिने भारत के सेना इतिहास रच दिहलसि जब म्यांमार का सीमा में घुस के ऊ उग्रवादियन के दू गो ठिकाना नेस्तनाबूद कर दिहलसि. साथही सगरी पड़ोसी देशन के इशारो दे दिहलसि कि अब हमला करे वालन के छोड़ी ना. केन्द्रीय सूचना आ प्रसारण राज्‍य मंत्री राज्‍यवर्धन सिंह राठौड़ बतवलन कि ई घटना आतंकियन … Read more

 220 total views,  10 views today