टटका खबर
अपना मन के बाति कार्यक्रम में आजु पीएम सोदी देश के जनता से माफी मँगलन कि तीन हप्ता के लॉकडाउन से सभका परेशानी झेले के पड़त बा. बाकिर अतना बड़हन आबादी के कोरोना बिपति से बचावेला दोसर कवनो राहो नइखे. जब दुश्मन लउकत ना होखे त लुकाईए गइल बेहतर होला. अगर लॉकडाउन में इचिको कसर
मेघालय में अगिला साल विधानसभा के भोट होखे वाला बा आ एकरा से कुछ महीना पहिलहीं कांग्रेस के पाँच गो विधायकल समेत आठ गो विधायक भाजपा के अगुअई वाला राजग शामिल हो गइलें. एह गोलबदलू जमात में उप मुख्यमंत्री रावेल लिंगदोहो शामिल बाड़न. हालांकि एह पाला बदल का बादो अबहीं मेघालय सरकार का लगे बहुमत
Music Hosting – Listen Audio Files – चार गो प्रदेशन के पाँच गो विधानसभा सीटन प करावल गइल उपचुनाव में भाजपा के तीन सीट प जीत मिलल बा. पश्चिम बंगाल के सबांग विधानभा सीट प तृणमूल कांग्रेस आ तमिलनाडु के आरके नगर सीट प स्व. जयललिला के राजनीतिक वारिस होखे के दावा करे वाला टीटीके
(साँझ 5 बजे ले) यूपी चुनाव ला तीन गो वंशवादी गोल – सपा, कांग्रेस, आ रालोद – के गठबन्हन बने के भरपूर उमेद लागत बा. बाप से बगावत क के सपा गोल के सुप्रीमो बन चुकल अखिलेश एह गठबन्हन के रूप रेखा तय करीहें. बतावल जात बा कि कांग्रेस के 90 गो सीट आ रालोद
आजु के फोटो (तिरुपते के श्रीवारी मन्दिर में पूजा करे अइलन राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी) रद्द हो चुकल नोटन के अपना लगे राखल अब अपराध मानल जाई आ अइसन करेवालन के ओकरा तगे मिलल नोट से दस गुना भा कम से कम दस हजार रुपिया के जुर्माना भरे के पड़ी. अधिका से अधिका अइसनका कुल दस
मोतिहारी से तीन हप्ता से गायब रहल नीरज उपाध्याय आजु शनिचर का दिने पचपकड़ी ओपी के बेलवा घाट पर बागमती नदी का किनारे बोरे में बंद क के फेंकल मिलले. इनकर उलाज ढाका रेफरल अस्पताल में कइल जा रहल बा. लागत बा कि किडनैपर पुलिसिया दबाव का चलते इनका के फेंक भगले सए.
बेहूदा बदबुजानी के मास्टर लालू अब प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के ब्रह्मपिशाच बतवले बाड़न. काल्हु एगो सभा में पीएम मोदी लालू पर शैतान आवे के बात पर कुछ तंज कसलन त लालू अब उनुका के ब्रह्मपिशाच कहत बाड़न. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आज शुक का दिने बिहार में दू गो चुनावी सभा करीहें. ई सभा दुपहरिया में
प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी बियफे से शुक का बीच बिहार में छह गो चुनावी सभा के संबोधित करीहें. बियफे के दिन पीएम मोदी सबेरे दस बजे मुंगेर में, साढ़े एगारह बजे बेगूसराय में, दुपहरिया में एक बजे समस्तीपुर में, आ दुपहरिया दू बजे नवादा में चुनाव सभा करीहें. जान जाईं कि पीएम मोदी बिहार में चुनाव
अपना गोमांस वाला बयान से फेरा में पड़ल लालू मंगल का दिने कहलन कि कुकुर पोसे वाला लोग गाय पाले वाला लोग के उपदेश मत देव. बिहार विधान सभा के चुनाव जस जस नियरात बा तस तस नेता लोग, खास क के लालू प्रसाद बदजुबानी बढ़ल जात बा. गाय के मांस खाए का बारे में
दिल्ली आइल जर्मनी के चांसलर एंजेला मर्केल आ भारत के पीेएम नरेंद्र मोदी का बीच बातचीत का बाद दुनू देश का बीच 18 गो सहमति पत्र पत दस्तखत भइल. 10वीं सदी के एगो दुर्गा मूर्ति जवन जर्मनी चल गइल रहुवे ओकरा के सोमार का दिने जर्मन चांसलर एंजेला मर्केल भारत के वापस सँउप दिहली जवना
एनआरएचएम घोटाला के जाँच करत सीबीआई टीम मायावती से कइल पूछताछ से संतुष्ट नइखे आ उनुका से दुबारा पूछताछ करे वाला बा. केंद्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली के कहना बा कि जे लोग आपन करिया धन का बारे में खुलासा कर चुकल बा से अब चैन के नींद सूत सकेला बाकिर जे लोग अबहियों लुकाइल
दिल्ली से सटले दादरी इलाका के बिसाडा गांव में मराइल मुसलमान आदमी के परिवार के अब यूपी सरकार बीस लाख रुपिया के आर्थिक सहायता देबे के एलान कइले बिया. सरकार के मरजी जेकरा के जतना चाहे ओतना सहायता दे देव बाकिर एकर कवनो एगो नियम आ तरीका होखे के चाहीं आ हर समुदाय के आदमी
सारण जिला के गड़खा इलाका के बाजितपुर गांव में मंदिर पर बाजत लाउडस्पीकर बंद करावे खातिर दोसरा समुदाय के कुछ लोग मंदिर के पुजारी से मारपीट क दीहल. घवाहिल पुजारी के गड़खा पीएचसी पर भरती करावल गइल बा. उनुका बयान पर गांवे के चार गो मुसलमान पर मुकदमा लिखला का बावजूद पुलिस तहकीकात करे में
देश आजु लाल बहादुर शास्त्री आ राष्ट्रपिता महात्मा गांधी के जयंती मनावत बा. बाकिर हमेशा का तरह अबकियो बेर गांधी के नाम का आगे शास्त्री के नाम दब जात बा. नेहरु खानदान कबो दोसरा के नाम आगे आवही ना दीहल. आजु प्रधानोमंत्री लाल बहादुर शास्त्री के समाधि पर ना गइलन. काहे कि सरकार नीति बना
लालू यादव पर जातिवादी भाषण देबे ला आ सुशील मोदी पर वोटरन के लालच देबे का आरोप में मुकदमा दर्ज करवले बावे प्रशासन. एह लोग के भाषण के वीडियो टेप मंगा के चुनाव आयोग जाँच शुरू कर दिहले बावे. लालू प्रसाद पर राघोपुर में खुलेआम जातिवादी भाषण देबे के आरोप बा त सुशील मोदी पर
सिलिकन वैली के सफल यात्रा का बाद न्यूयॉर्क पहुंच के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा से मुलाकात कइलन. एह लोग के ई साल भितरे तिसरका भेंट रहल. एक घंटा के एह मुलाकात में दुनू देश आतंकवाद आ उग्रवाद के मुकाबला करे में आपसी सहयोग अउर बढ़ावे पर सहमत भइले. पीएम मोदी कहलन
पीएम नरेन्द्र मोदी के एगो कठोर कवच का भीतर नरम दिल वाला आम मनई वाला रुप काल्हु तब सभका सोझा आ गइल जब फेसबुक के कार्यालय में लोग से बतियावत मोदी से मार्क जुकरबर्ग महतारी के जिक्र चला दिहलन. अपना माई का बारे में बतियावत मोदी के गरदन बाझ गइल आ रो दिहलन. मोदी के
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी संयुक्त राष्ट्र में सुधार के जोरदार गोहार लगावत जी-4 शिखर सम्मेलन के संबोधित करत कहलन कि सुरक्षा परिषद के विस्तार तय समय सीमा में करा लीहल जावल जी-4 समुह में भारत, जर्मनी, ब्राजील आ जापान शामिल बाड़े आ ई चारो देश सुरक्षा परिषद के स्थायी सदस्यता खातिर कोशिश करे में लागल बाड़ें.
संयुक्त राष्ट्र के 70वां सालगिरह पर आमसभा के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सुरक्षा परिषद में सुधार आ एकर प्रतिनिधित्व व्यापक करे के जोरदार वकालत करत कहलन नि एकर विश्वसनीयता आ औचित्य बनवले राखे ला अइसन कइल जरूरी हो गइल बा. कहलन कि गरीबी मुक्त विश्व बनावल पर्यावरण के बचवले राखलो से बेसी जरूरी बा.
हज करे सऊदी अरब गइल दुनिया के अनेक देश के लोग के दू गो झुण्ड शैतान के पहिले ढेला मारे के रस्म पूरा करे का आपाधापी में एक दुसरा के कचारत बढ़े लागल. एह चलते भइल भगदड़ में 717 गो हाजियन के मौत हो गइल आ 860 से अधिका लोग घवाहिल हो गइल. एहमें भारतो
Older Posts››