टटका खबर
(बुध, 11 फरवरी के खबर) सुने में आवत बा कि मुख्यमंत्री के राज्यपाल से निर्देश मिलल बा कि 20 फरवरी के विधानसभा में राज्यपाल के अभिभाषण का तुरत बाद मतदान करा के ऊ आपन बहुमत सिद्ध करावस. मतदान पर्ची डाल के होखी. बाकिर माँझी के समर्थक विधायक विधानसभा अध्यक्ष के पक्षपाती रवैया से परेशान बाड़े.
(मंगल, 10 फरवरी के खबर) दिल्ली विधानसभा सभा में मिलल बड़हन जीत का बाद आआपा के विधायक अपना संयोजक अरविंद केजरीवाल के आपन नेता चुन लिहले. अब केजरीवाल उपराज्यपाल से मिले जइहें आ सरकार बनावे के दावा पेश करीहें. 14 फरवरी के रामलीला मैदान में शपथ ग्रहण करे के योजना बा. आआपा एह चुनाव में
(सोमार, 9 फरवरी के खबर) सिंगापुर के राष्ट्रपति डॉ टोनी तान केंग याम के आज राष्ट्रपति भवन में रस्मी स्वागत कइल गइल. उनुका संगे उनुकर पत्नीओ आइल बाड़ी. एह मौका पर उनका के गार्ड आफ आनर दिहल गइल आ बाद में पीएम मोदी आ विदेश मंत्री सुषमा स्वराज से भेंट में दुनू देश का हित
(अतवार, 8 फरवरी के खबर) पीएम मोदी से भेंट कइला का बाद बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी कहलन कि इस्तीफा देबे के सवाले नइखे. बहुमत के फैसला विधानसभा में करा लिहल जाई. ओने विधानसभा स्पीकर उदय नारायण चौधरी जदयू विधायक दल के नेता का रूप में नीतीश कुमार के मान्यता दे के मामिला अउरी
(शनिचर, 7 फरवरी के खबर) बिहार के सियासी दाँव पेंच अपना चरम पर चहुँपे लागल बा. शनिचर का दिने कुर्सी पर बइठे ला बेचैन नीतीश कुमार अध्यक्ष शरद यादव के माध्यम बना के विधायक दल के नेता चुनवा लिहलन अपना के. ओकरा साथही उनुका के राजद, कांग्रेस, वगैरह पार्टिओ आपन समर्थन दे दिहली सँ. बाकिर
(शुक, 6 फरवरी के खबर) बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी देर रात अपना दू गो मंत्रियन – पीके शाही आ लल्लन सिंह -के बरखास्त करे के सिफारिश राज्यपाल का लगे भेज दिहले बाड़न. बाकिर एकरा से पहिलही आपन चाल चलत जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष शरद यादव राज्यपाल के लिख भेजले बाड़न कि जीतन का
(बियफे, 5 फरवरी के खबर) बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी के हटा के फेरू नीतीश कुमार के मुख्यमंत्री बनवावे का मकसद से जदयू अध्यक्ष शरद यादव 7 तारीख के जदयू विधायक दल के बइठक बोलवले बाड़न बाकिर मुख्यमंत्री जीतन राम के कहना बा कि विधायक दल के बइठक बोलावे के अधिकार मुख्यमंत्री के होला
(बुध, 4 फरवरी के खबर) विकलांग प्रमाण पत्र बनवावेवालन के एह काम में होखे वाला फजीहत के विरोध करत भाजपा विधायक उपेन्द्र तिवारी बलिया जिला अस्पताल में धरना पर बइठ गइले तब अधिकारी लोग भरोसा दिहल कि एह समस्या के समाधान पन्द्रह दिन में कर दिहल जाई. बाद में विधआय के मौजूदगी में डाक्टर लोग
(मंगल, 3 फरवरी के खबर) दिल्ली के चुनाव जस जस नजदिकाता तस तस तल्खी बढ़ल जात बा नेतवन के भाषणबाजी में. चंदा घोटाला में घेराइल आआपा नेता केजरीवाल छाती ठोक-ठोक के कहत बाड़न कि सरकार में बेंवत होखे त उनुका के गिरफ्तार क के देखावे. दोसरा तरफ खुद पीएम मोदी अपना भाषण में एह मुद्दा
(सोमार, 2 फरवरी के खबर) दोसरा पर कीचड़ फेंके वाली पार्टी आआपा अब खुद अपना पर लागत कीचड़ साफ करे का मजबूरी में पड़ गइल बिया. दिल्ली विधानसभा चुनाव से महज पाँच दिन पहिले आआपा गोल पर गलत तरीका से चंदा बिटोरे के आरोप लागल बा आ एह आरोप के सबूत खुद आआपा गोल के
(अतवार, 1 फरवरी के खबर) चीन के यात्रा पर गइल विदेश मंत्री सुषमा स्वराज आजु ओहिजा पीएम मोदी के यात्रा से पहिले के जरूरी राय बात में लागल बाड़ी जवना में कैलाश मानसरोवर यात्रा खातिर दोसर सुगम राह खोलवावलो शामिल बा. चुनाव के तारीख से पहिले के आखिरी अतवार का दिने दिल्ली में राजनीतिक गहमागहमी
(शनिचर, 31 जनवरी के खबर) पांच हजार किलोमीटरो से अधिका दूर ले मार करे वाला आ परमाणु हथियार ले जा सकेला वाला मिसाइल अग्नि-5 के आजु फेरू सफल परीक्षण कइल गइल. पिछला बेर एकर सफल परीक्षण 19 अप्रैल 2012 के भइल रहे. एह मिसाइल का जद में करीब करीब दुनिया के सगरी देश आ जइहें
(शुक, 30 जनवरी के खबर) कांग्रेस के बड़ आ पुरान नेता अउर पिछला चुनाव से कुछ दिन पहिले ले केन्द्र में पर्यावरण मंत्री रहल जयंती नटराजन आजु पार्टी छोड़ दिहली. सोनिया गाँधी के भेजल एगो लमहर चिट्ठी में ऊ बतवले बाड़ी कि उनकर परिवार चार पीढ़ी से कांग्रेस का संगे रहल तबहियों पता ना कवना
बिहार आ यूपी के खबर – उत्तर प्रदेश के भदोही जिला में शुक का सँझिया मूर्ति भसावन ले के तब हिंसा भड़क गइल जब पुलिस जौनपुर आ भदोही के मूर्तियन के औराई के उगापुर में गंगा में दहवाए से रोके के कोशिश कइलसि. उत्तर प्रदेश के आजमगढ़ में शनिचर का दुपहरिया मूर्ति भसावे जात घरी
बिहार आ यूपी के खबर – पटना गाँधी मैदान मे॓ रावण के पुतला जरवला का बाद कुछ लोग बिजली के तार टूट के गिरे के अफवाह उड़ा दिहल जवना से मचल भगदड़ मे॓ ३३ आदमी के जान चल गइल आ पचास लोग घवाहिल हो गइल. सरकार सभका परिवालन के तीन तीन लाख मुआविजा के ऐलान
टटका भारत जम्मू-कश्मीर के बाढ़ वाला इलाकन से 50 हजार से अधिका लोग के सेना आ राष्ट्रीय आपदा कार्रवाई बल बचा लिहले बिया, एह बचावल लोग में नेपाल के राजदूत आ उनका संगेे गइल 17 लोग, आ गोल्फ के सार्क टीम के 28 गो पाकिस्तानी खिलाड़ीओ शामिल बाड़े. बरखा त रूकल बा बाकिर हालात अबहियों
उपचुनाव ला भाजपा के उमीदवार तय नइखन. यूपी के विधानसभा सीटन खातिर होखे वाला उपचुनाव ला भाजपा अबही ले आपन उमीदवार नइखे तय कइले. बाकिर हर इलाका के चुनाव ला जिम्मेदारी जरूर तय क दिहले बिया कि कवना इलाका मे कवन कवन विधायक आ सांसदन पर जिम्मा रही भाजपा के जितावे के. बिजली संकट से
‹‹Newer Posts