टटका खबर
बिहार विधानसभा चुनाव खातिर महागठबन्हन के पूरा सूची बुध का दिने जारी क दीहल गइल आ एकरा संगही जदयू आ राजद में बगावत के सुर तेज हो गइल. लालू अपना दुनू बेटन के टिकट दिहले बाड़न आ राजद पर अपना परिवार के कब्जा बनवले राखे के जिद हमेशा बतावत रहेलें. पहिला चरण के चुनाव खातिर
मुख्य निर्वाचन आयुक्त नसीम जैदी के नेतृत्व में आयोग के एगो टीम बिहार विधानसभा चुनाव के पहिला, दुसरा आ तिसरका दौर के तइयारी देखे समुझे खातिर 27 सितंबर के बिहार दौरा करे वाला बा. एहिजा अबले पहिला दौर खातिर 248 उम्मीदवार आपन परचा दाखिल कइले बाड़े. परचा दाखिल करे के आखिरी दिन बुध 23 सितंबर
बिहार विधानसभा चुनाव में जदयू-राजद-कांग्रेस महागठबंधन के कवन गोल कवान सीट से चुनाव लड़ी एकर फैसला शनिचर का दिने हो गइल आ एकरा साथही बगावत के आवाज उठल शुरु हो गइल. काहे कि जदयू के सीटिंग विधायक वाला कुछ सीट राजद का बखरा में पड़ गइल बा. पहिले के बँटवारा में छोड़ल तीन गो सीटो
यूपी के पौने दू लाख शिक्षा मित्रन के तोस देत पीएम मोदी के कहना बा कि एह मसला पर हाई कोर्ट के फैसला आवे दीहल जाव आ ओकरा बाद रास्ता निकाल लीहल जाई. घबड़ाए जिन लोग. शुक का दिने वाराणसी के यात्रा पर आइल पीएम मोदी अपना संसदीय क्षेत्र वाराणसी के पूरा बदल देबे के
लइकाईं में एगो किस्सा सुनत रहीं जा कि एगो रहे सेमर, तवना में रहे तीन गो काँट. दू गो टूटले टाटल, एगो रहबे ना कइल. जवन रहबे ना कइल तवना में रहल तीन गो गड़हा. दू गो सूखले साखल, एगो में पानिए ना रहे. जवना में पानिए ना रहे तवना में रहलें तीन गो कोहार.
केन्द्र सरकार का तरफ से आजु कैबिनेट फैसला कइलसि कि गँवई इलाकन के बदलाव ले आ के ओहिजा के आर्थिक-सामाजिक रूप से विकसित कइल जाव. एह काम ला बनावल श्यामा प्रसाद मुखर्जी ग्रामीण शहरी मिशन नाम के योजना ला पांच हजार करोड़ रुपिया से अधिका के मंजूरी दीहल गइल बा. एह बात के जानकारी संचार
प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ श्रीलंका के प्रधानमंत्री रानिल विक्रमसिंघे के प्रतिनिधमंडल स्तर के बातचीत के बाद दुनू देश आपसी संबंधन के अउरी आगा ले जाए आ बढ़ावे खातिर आपन प्रतिबद्धता बतवले. चिकित्सा अउर अंतरिक्ष विज्ञान में सहयोग बढ़ावे खातिर चार गो समझौतन पर दस्तखत भइल. साझा बयान में पीएम मोदी कहलन कि श्रीलंका हमनी के
संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद में स्थाई सदस्यता लेबे के कोशिश में लागल भारत के सोमार का दिने बड़हन सफलता मिलल जब संयुक्त राष्ट्र के करीब 200 सदस्य राष्ट्र सुरक्षा परिषद में सुधार के सवाल पर अगिला एक साल ले चरचा करे पर तईयार हो गइले. चीनो एह प्रस्ताव के समर्थन कइले बिया. श्रीलंका के प्रधानमंत्री
मऊ जिला के कोपागंज में दक्खिन टोला के रैनी पुलिया का लगे एगो मोटरसाइकिल पर अपना भाई के साथे जात एगो लड़िकी के गोली मार के हत्या कर दीहल गइल. 18 बरीस के एह लड़िकी से चार साल पहिले जब ऊ महज 14 बरीस के रहुवे तीन गो बदमाश गैंग रेप कइले रहले सँ बाकिर
हिअमो नेता जीतन राम माँझी के कहना बा कि हम खिसियाइल नइखीं. असल मे चुनाव आयोग से राजनीतिक दल के मान्यता पावे खातिर जरूरी बा कि हिअमो कुछ अधिका सीट से लड़ो जेहसे कि ओकरा जरुरी मत प्रतिशत मिल जाव. अतवार देर रात तक भाजपा के लोग माँझी से बतियावत रहल बाकिर कवनो समझौता वाला
जीतन राम माँझी काल्हु शनिचर का दिने जे रुसलन त आजु एह घरी ले रुसले बाड़न. भाजपा के लोग उनुका के मनावे में लागल बा बाकिर ऊ अबहीं ले लाइन पर नइखन आइल. उनकर जिद्द बा कि लोजपा का बरोबरे सीट चाहीं उनुको गोल के. कम पर ना मनीहें काहे कि ऊ अपना के कवनो
शनिचर का दिने दीहल अपना फैसला मे इलाहाबाद उच्च न्यायालय यूपी के करीब पौने दू लाख शिक्षा मित्रन के सहायक शिक्षक बना के नियमित सरकारी नौकरी देबे वाला आदेश के रद्द क दिहलसि. मुख्य न्यायाधीश डी वाई चन्द्रचूड़ के अध्यक्षता वाली पूर्ण पीठ के कहना बा कि सगरी बहाली गैर कानूनी तरीका से भइल बा
शुक का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी चंडीगढ हवाई अड्डा पर एगो नया टर्मिनल के उद्घाटन कइलन. एह टर्मिलन से घरेलू आ अंतरराष्ट्रीय दुनू तरह के उडान भरल जाई. शुक का दिने प्रधानमंत्री मोदी उत्तराखंट के ऋषकेश, पंजाब हरियाणा के चंडीगढ़ आ यूपी के सहारनपुर में जनसभा के सबोधित करत बतवलन कि साल 2022 में सगरी
राजग में भाजपा के तीनो सहयोगी गोल सीट बँटवारा पर सहमत हो गइल लउकत बाड़े. रालोसपा के उपेन्द्र कुशवाहा त लिख के दे देले बाड़न कि सीट बँटवारा में भाजपा के फैसला उनुका मंजूर होखी. जीतन राम माँझीओ अइसने बात कहले बाड़न. बाकिर उनुका गोल आ लोजपा के बीच के रस्सा कस्सी अबहीं चालू बा.
बियफे का दिने हिन्दी के अंतर्राष्ट्रीय सम्मेलन के संबोधित करत पीएम मोदी कहलन कि जरूरत बा कि हिन्दी के प्रौद्योगिकी में इस्तेमाल होखे जोग बनावल जाव. 32 बरीस बाद हिन्दुस्तान में होखत एह विश्व हिन्दी सम्मेलन के उद्घाटन करत पीएम के कहना रहे कि जल्दिए अंग्रेजी आ चीनी भाषा का बाद प्रौद्योगिकी में हिन्दी के
बुध का दिने बलिया बंद करावत लोग पर मालगोदाम चौराहा पर एगो मोबाइल दुकान के मालिक आपन रिवाल्वर निकाल लिहलसि आ फायर झोंक दिहलसि. एह में दू जने के गोली लागल बा आ दुनू के हालत खराब बतावल जात बा. पूरा खबर अलग से दीहल गइल बा. बिहार विधानसभा चुनाव के सिंहा बाज गइल. बुध
प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी मंगल का दिने उद्योगपतियन संग बइठक क के ओह लोग से रोजगार देबे वाला बिजनेस ला निवेश करे के कहलन. कहलन कि रोजगार के मौका देबे में आर्गनाइज्ड सेक्टर बहुते सक्षम बा आ बैंक एह लोग के सहायता करे. एह मौका पर वित्त मंत्री अरुण जेटलि के कहना रहल कि अस्थिरता के
वाराणसी से दिल्ली आवत एयर इंडिया के हवाई जहाज में उतरत बेरा आग लाग गइल बाकिर संजोग नीमन रहल कि सगरी 153 सवारी सुरक्षित बाड़ें. हालांकि उतरे का हड़बड़ी में कुछ लोग घवाहिल जरूर हो गइल. बतावल जात बा कि शायद उतरत बेरा ब्रेक लगवला से चक्का जाम हो गइल होखी आ ओकरे चलते आग
आजु पीएम मोदी फरीदाबाद मेट्रो के उद्घाटन करे मेट्रोवए से फरीदाबाद चहुँपलन आ एकर उद्घाटन कइलन. अब दिल्ली फरीदाबाद का बीच मेट्रो से आवाजाही होखे लागी जवना से फरीदाबाद के विकास बहुते तेज हो जाई. इंदिरा गाँधी सरकार का दौरान सैनिकन के मिले वाला एक रैंक एक पेंशन के बंद कर दीहल गइल रहुवे आ
एक रैंक खातिर एक समान पेंशन के मांग करत सैनिकन के मुराद आजु पूरा हो गइल. बाकिर पलटनो में कुछ पलटिशियन घुस गइल बाड़न स आ ऊ नइखन चाहत सँ कि एह मसला के हल आराम से निकल सको. इन्दिरा गाँधी के राज में हटावल गइल एह व्यवस्था के फेरू से शुरु ना कइल जा
Older Posts››
‹‹Newer Posts