Go to ...
RSS Feed

टटका खबर

टटका खबर (बियफे, 13 अगस्त 2015, देश-दुनिया)

संसद के मानसून सत्र कांग्रेस के महतारी बेटा का चलते जीएसटी के पास करवला बिना खतम हो गइल बाकिर सरकार के कहना बा कि हर हाल में अप्रेल 2016 से जीएसटी लागू करा दीहल जाई. वित्त मंत्री अरुण जेटली आजु कहलन कि कांग्रेस के बस एके गो मकसद रहुवे कि जीएसटी बिल पास मत होखो

टटका खबर (बियफे, 13 अगस्त 2015, बलिया-छपरा)

काल्हु लोकसभा में कांग्रेस के सांसद अतना तिलमिला गइले कि सोनिया तक ले सदन का वेल में आ गइली. हो हल्ला का बीच कवनो सांसद सोनिया पर कुछ कमेंट कर दिहलसि जवना से सोनिया गाँधी तिलमिला गइली आ अपना गोल के सांसदन संगे वेल में उतर गइली. एह तरह के बेजा हरकत अमूमन बड़का नेता

टटका खबर (बुध, 12 अगस्त 2015)

भाजपा के परिवर्तन रथ के आजु बुध का दिने सोनपुर के हरिहरनाथ मंदिर में पुजा अर्चना कइके गृहमंत्री राजनाथ सिंह रवाना करइहें. नयागाँव टीसन पर उनकर एगो सभो होखे वाला बा आजु. सारण जिला के 27 गो निजी अस्पतालन में राष्ट्रीय स्वास्थ्य बीमा योजना के तहत मुफ्त इलाज के सुविधा देबे वाला करीब दू लाख

टटका खबर (मंगल, 11 अगस्त 2015, बलिया-छपरा)

बिहार के बक्सर जिला के सिकरौल इलाका में जमीन के झगड़ा का चलते मंगल का दिने एगो महतारी बेटी के गोली मार के हत्या क दीहल गइल. सब छँवड़ी झुमर पाड़े त लंगड़ी कहे हमहु वाला अन्दाज में आआपा गोल बिहार चुनाव में आपन दाँव आजमावल चाहत बिया आ ओकर चेहरा बन के बिहारी बाबू

टटका खबर : सोमार, 10 अगस्त 2015 (बलिया-छपरा)

देवघर बाबाधाम का लगे एगो बेलाबागान का मंदिर में नियरा आजु सोमार के सबेर में मचल भगदड़ से नाहियो त एक दर्जन लोग के मौत हो गइल आ पचास जने घवाहिल हो गइले. प्रशासन के कहना बा कि घवाहिलन के गिनिती अबहीं अउर बढ़ सकेला. प्रशासन लाठी चार्ज का चलते भगदड़ होखे के बातो नकारत

टटका खबर : अतवार, 9 अगस्त 2015 (बलिया-छपरा)

भाजपा के एगो बड़ नेता आ सांसद रहल रामनाथ कोविंद के बिहार के राज्यपाल आ शिक्षाविद आचार्य देवव्रत के हिमाचल प्रदेश के राज्‍यपाल बनावल गइल बा. पेशा से वकील रहल 69 साल के रामनाथ कोविंद उत्तर प्रदेश के कानपुर से हउवें आ भाजपा के अनुसूचित जाति मोरचा के प्रमुखो रहल बाड़े. बिहार के नयका राज्यपाल

टटका खबर : शनिचर, 8 अगस्त 2015 (बलिया-छपरा)

सिवान जिला के नौतन इलाका के मुरारपट्टी में एगो नवही के हत्या बियफे का रात गरदन दबा के कर दीहल गइल. भोर में ओकर लास गाँव का बधार में मिलल. कुछ दिन पहिलहीं ऊ विदेश से कमाई क के लवटल रहुवे. गोरेयाकोठी से सिवान आवत एगो टेम्पो सिवान-तरवारा मेन रोड पर नथनपुरा गांव का नियरा

टटका खबर : शुक, 7 अगस्त 2015

अगिला महीना पाकिस्तान में होखे जात कॉमनवेल्थ पार्लियामेंट्री एसोसिएशन के सम्मेलन खातिर जम्मू कश्मीर विधानसभा स्पीकर के नेवता ना मिलला का विरोध में भारत एह सम्मेलन के वहिष्कार करे के फैसला लिहले बा. 30 सितंबर से होखे वाला एह सम्मेलन खातिर लोकसभा अध्यक्ष आ हिन्दुस्तान के सगरी विधानसभा के स्पीकर लोग के नेवता भेजले बावे

टटका खबर : शुक, 7 अगस्त 2015 (छपरा-बलिया)

शनिचर का दिन से दीघा रेल पुल पर इंजन दउड़े लागी. एकर उद्घाटन करे खातिर रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा पटना अइहें आ ओही दिने पाटलिपुत्र टीसनो के उद्घाटन कर दीहें. एकरा अलावे एहीजे से 132 किमी लमहर मानपुर-तिलैया-बख्तियारपुर रेल खंड के बनावल शुरु करे खातिर शिलान्यासो करीहें, पटना जंक्शन पर बनल रेलवे सुपर स्पेशिलियटी हास्पीटल

टटका खबर : बियफे, 6 अगस्त 2015

लोकसभा में सुषमा स्वराज ललित मोदी प्रकरण में आपन सफाई देत कहली कि लोग बतावे त सही कि ऊ अइसन का कइली जे लोग उनुका पीछे पड़ल बा आ उनकर जबाबो सुनल नइखे चाहत. कहली कि ऊ कबो ललित मोदी के यात्रा दस्तावे देबे के पैरवी नइखे कइली. ऊ त बस इंगलैंड सरकार के अतने

टटका खबर : बियफे, 6 अगस्त 2015 (छपरा-बलिया)

भोजपुरी के संविधान के 8वीं अनुसूची में शामिल करावे के मांग ले के आजु दिल्ली में भोजपुरी के अनेके संगठन एक दिन के धरना देत बाड़ें. एह लोग के कहना बा कि मोदी सरकार भोजपुरी के मान्यता देबे में कोताही करत बिया आ आपने दीहल चुनावी वादा भुला गइल बिया. बलिया जिला के बिल्थरारोड में

टटका खबर : बुध, 5 अगस्त 2015

नर्मदा बचाओ आंदोलन के एगो कार्यकर्ता के कहना बा कि समय से पहिले इंदिरा सागर बांध के अधिका भरइला का चलते पानी नर्मदा नदी के पानी लवट आइल आ माचक नदी के अफना दिहलसि जवना चलते काल्हु रात वाला दू गो ट्रेन हादसा भइल आ 28 आदमी मर गइलें. बात के घुमा फिरा के नरेन्द्र

टटका खबर : बुध, 5 अगस्त 2015 (बलिया-छपरा)

मध्य प्रदेश के हरदा में काल्हु रात माचक नदी पर बनल पुल पर दूगो रेलगाड़ी पटरी से उतर गइली सँ जवना से 27 जने के मौत हो गइल आ बहुते लोग घवाहिल हो गइल बा. मरे वालन के गिनिती बढ़े के अनेसा बा काहे कि बचाव के काम अबहीं चलत बा. एह रेलगाड़ियन में मुंबई

टटका खबर : मंगल, 4 अगस्त 2015

पोर्न के शौकीनन आ कांग्रेस के चालबाजी का सोझा दण्डवत क दिहलसि केन्द्र सरकार. एक त केन्द्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली से मोदी भक्त अतना खफा बाड़न कि जेटली के बढ़ा के जय इटली कर दिहलन. दोसरे भूमि अधिग्रहण बिल पर राबर्ट वाड्रा के सास सोनिया के पार्टी के जिद्द का आगे भाजपा हार मान

टटका खबर : मंगल, 4 अगस्त 2015 (छपरा-बलिया)

बहाली आदेश मिलला में होखत देरी से नाराज शिक्षक अभ्यर्थी सोमार का दिने छपरा म्यूनिसिपैलिटी चीौक के जाम क दिहलें आ जिला परिषद गेट का सोझा आग लगा के रास्ता पूरा तरह से बंद कर दिहलें. एह लोग के बहाली आदेश देबे खातिर 3 तारीख के बोलावल रहे बाकिर दीहल नइखे जात. बाद में एह

टटका खबर : सोमार, 3 अगस्त 2015

बहुते व्यस्त रहला का चलते आजु सबेरे टटका खबर ना दीहल जा सकल. रउरो सभे जानते बानी कि टटका खबर आ भोजपुरिका डाटकाम के वेबसाइटन के एक आदमी अकेले चलावेला. दुख के बात बा कि पचीस करोड़ भोजपुरी भाषी होखे के दावा होखला का बावजूद एह तरह के हालात बा कि दिन भर में पाँचो

टटका खबर : अतवार, 2 अगस्त 2015 (अबेर)

अझुराइल संसद के सरिहावे के कोशिश में पलीता लगावे का कोशिश में कांग्रेस अतवारे से लाग गइल. काल्हु सोमार का दिने पहिले सोनिया अपना गोल के बइठक क के आपन राय बतइहें जवना का बाद कांग्रेस तय करी कि सगरी गोल के बइठक में शामिल होखे कि ना. कांग्रेस अबहियों जिदियाइल बिया कि बिना इस्तीफा

टटका सिनेमा : अतवार, 2 अगस्त 2015

ईद का मौका पर रिलीज भइल भोजपुरी फिलिम “जिगरवाला” के सफलता से सगरी बिहारे ना पूरा देशे मेंं निरहुआ आ आम्रपाली के जलवा देखे के मिलत बा. भोजपुरी के माथ स्टारन में शामिल दिनेशलाल यादव निरहुआ के फिलिमन के जुबिली मनावे के इतिहास रहल बा आ लागत बा कि जिगरवाला फिलिमो ओह इतिहास के दोहरा

टटका खबर : अतवार, 2 अगस्त 2015 (सबेर)

भाजपा सरकार में पद ना मिलला से कुछ लोग के पादे के आदत पड़ गइल बा आ गाहे बगाहे कुछ ना कुछ बोकरत रहेला लोग. आतंकी याकूब के खुलेआम पैरवी करे वाला बिहारी बाबू का बाद अब यूपी के वरुण बाबू सामने आइल बाड़न. वरुण के कहना बा कि अधिका फाँसी गरीबे आ मुसलमानन के

टटका खबर : शनिचर, 1 अगस्त 2015 (अबेर)

‘हिन्दू आतंकवाद’ कहला खातिर घेराइल कांग्रेस एह फन्दा से निकले खातिर छटपटाए लागल बिया. ओकर कहना बा कि भाजपा देश में फिरकावाराना पोलराइजेशन करावे खातिर एह बात के फेरू उठवले बिया. एक तरह से आपन गलती मानत कांग्रेसी राज में देश के गृहमंत्री रहल सुशील कुमार शिन्दे मान लिहलें कि एक बेर जयपुर का एगो

Older Posts›› ‹‹Newer Posts