Go to ...
RSS Feed

टटका खबर

टटका खबर, (अतवार, 15 मार्च 2015)

(शनिचर, 14 मार्च के खबर) श्रीलंका में आपसी लड़ाई से तबाह बरबाद जाफना में बेआसरा हो गइल परिवारन खातिर भारत के सहजोग से बनावल 27 हजार मकान के सँउपलन भारत के पीएम नरेन्द्र मोदी. कहलन कि ई काम दुखी परिवारन के दुख-दर्द में शरीक होखे के, ओह लोग के मदद करे के एगो आदरप्यार भरल

टटका खबर, (शनिचर, 14 मार्च 2015)

(शुक, 13 मार्च के खबर) श्रीलंका यात्रा पर गइल पीएम नरेन्द्र मोदी दुनू देश का बीच आर्थिक आ सुरक्षा के सहयोग के अउरी बरियार बनावे पर जोर दिहलन आ कहलन कि भारत श्रीलंका के हरसंभव मदद करे के तउइयार बा. श्रीलंका में मोदी के शानदार स्वागत भइल बा. पिछला 28 साल में भारत के कवनो

टटका खबर, (शुक, 13 मार्च 2015)

(बियफे, 12 मार्च के खबर) भाजपा राष्ट्रीय कार्यकारिणी के फेर से बनवाल गइल बा. एह कार्यकारिणी में सुब्रह्मण्यम स्वामी के शामिल कइल गइल बा आ स्मृति इरानी, नजमा हेपतुल्ला आ हेमा मालिनी वगैरह कुछ पुरान लोग के बाहर राखल गइल बा. 178 सदस्य वाली एह कार्यकारिणी के कुछ जगह अबहियों खाली बा. भाजपा के पुरनिया

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (अतवार, 1 मार्च 2015)

(शनिचर, 28 फरवरी के खबर) आम बजट के बात आम आदमी के पता चलल कि ना से त नइखीं बता सकत बाकिर बजट का कुछे देर बाद पेट्रोल आ डीजल के दाम में भइल बड़हन बढ़ोतरी से आम आदमी छनछना गइल. बजटो में सर्विस टैक्स बढ़ा के बहुते कुछ महँग कर गइलन वित्त मंत्री अरुण

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (शनिचर, 28 फरवरी 2015)

(शुक, 27 फरवरी के खबर) राष्ट्रपति के अभिभाषण पर संसद में भइल चरचा में विपक्ष के भाषनन के चुन चुन के जवाब दिहलन पीएम मोदी. आजु मोदी अपना पूरा रौ में रहुवन आ संसद में चुप्पी साधे के शिकायत करे वाला विपक्ष शायद अब फेर कबो उनुका से जवाब देबे के ना कही. अपना जवाब

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (शुक, 27 फरवरी 2015)

(बियफे, 26 फरवरी के खबर) बियफे का दिने पेश भइल मोदी सरकार के पहिलका पूरा रेल बजट में सवारी भाड़ा ना त कम भइल ना बढ़ावल गइल. डीजल के दाम में कमी से कुछ लोग के उमेद रहुवे कि भाड़ा में कुछ कमी हो सकेला. साथही कवनो नया ट्रेन चलावे के एलानो ना भइल. बाकिर

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (मंगल, 24 फरवरी 2015)

(सोमार, 23 फरवरी के खबर) छपरा न्यूज मुहल्ला के समस्या सलटावे खातिर पोलियो ड्राप ना पिआवे के सहारा ले के छपरा के रौजा पोखरा बस्ती के लोग अधिकारियन के हलकान क दिहल. चार घंटा ले मान मनौवल का बाद लोग पोलियो ड्राप पिअवावे खातिर तइयार भइल. एगो निजी फाइनेंस कंपनी के कर्मचारी लोन के पइसा

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (सोमार, 23 फरवरी 2015)

(अतवार, 22 फरवरी के खबर) राजभवन में आयोजित एगो सादा समारोह में नीतीश कुमार चउथा बेर बिहार के मुख्यमंत्री के किरिया लिहलन. उनुका संगे 22 गो मंत्रियनों के किरिया धरावल गइल. एह मौका पर पीएम रह चुकल देवगोडा आ तीन गो मुख्यमंत्रीओ – ममता बनर्जी, अखिलेश यादव, आ तरुण गोगोई – मौजूद रहलें. रमई राम

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (अतवार, 22 फरवरी 2015)

(शनिचर, 21 फरवरी के खबर) अतवार के साँझ जदयू नेता नीतीश कुमार चउथा बेर बिहार के मुख्यमंत्री पद के किरिया खइहें. अपने बनावल मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी के उखाड़ के नीतीश फेरू कुरसी हथियवले बाड़न. आ अबकि उनका चारा घोटाला आ जंगल राज खातिर जानल जाए वाला लालूओ प्रसाद के समर्थन बा. ढेर दिन बाद

भोजपुरी पट्टी से टटका खबर (21 फरवरी)

(शुक, 20 फरवरी के खबर) केन्द्रीय स्वास्थ्य मंत्री जेपी नड्ढा आ गोरखपुर से भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ शुक का दिने गोरखपुर मेडिकल काॅलेज अस्पताल के निरीक्षण कइले आ अस्पताल के विकसित करे के भरोसा दिहले. दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के कर्मचारी संघ के चुनाव में मनीष त्रिपाठी अध्यक्ष, राजबहादुर गौतम महामंत्री आ संतोष सिंह के

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (शनिचर, 21 फरवरी 2015)

(शुक, 20 फरवरी के खबर) Audio – TatkaKhabar-20-Feb-15 बिहार में विधानसभा अध्यक्ष के बेवहार देखत, अपना समर्थक विधायकन के मिलत धमकी, आ गुप्त मतदान करावे से मना कइला का बाद मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी विश्वास मत लेबे से पहिलहीं राज्यपाल के आपन इस्तीफा सँउप दिहलन. बाद में राज्यपाल नीतीश कुमार के नयका मुख्यमंत्री बने आ

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (शुक, 20 फरवरी 2015)

(बियफे, 19 फरवरी के खबर) Listen Audio of TatkaKhabar-19-Feb-15 बिहार भाजपा विधायक माँझी सरकार के समर्थन में मतदान करे के फैसला लिहले बाड़न. सुशील मोदी कहलन कि माँझी जीतिहें कि हरीहें ई खुद माँझी जानसु. भाजपा त एगो महादलित के अपमान का खिलाफ खड़ा भइल बिया. सुशील मोदी कहलन कि हर जगहा दलित आ महादलित

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (बियफे, 19 फरवरी 2015)

(बुध, 18 फरवरी के खबर) पटना उच्‍च न्‍यायालय जीतनराम मांझी सरकार के बड़हन नीतिगत फैसला लेबे पर रोक हटा दिहलसि त माँझी कैबिनेट नया फैसलन के बरखा करा दिहलेंं. एह फैसलन में सरकारी नौकरी में 35 फीसदी महिला आरक्षण, पुलिस में हर साल तेरह महीना के तनखाह, किसान सलाहकारन आ होमगार्डन के मानदेय में बढ़ोतरी,

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (बुध, 18 फरवरी 2015)

(मंगल, 17 फरवरी के खबर) ईसाईयन के एगो समारोह में शामिल होखे चहुँपल प्रधानमंत्री मोदी कहलन कि उनकर सरकार देश में कवनो संप्रदाय के नफरत पसारे ना दी आ धार्मिक आजादी के मान राखी. हालांकि हाल ही में दिल्ली के एगो स्कूल में भइल चोरी के घटना का बाद मीडिया में बेवजह के बवाल खड़ा

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (मंगल, 17 फरवरी 2015)

नमस्कार! आजु महाशिवरात्रि का दिने रउरा सभे ला शुभकामना करत टटका खबर पर पेश बा सोमार 16 फरवरी के खबर. Download Music – Embed Audio Files – TatkaKhabar-16-Feb-15 श्रीलंका में पिछला महीना भइल चुनाव जीतला का बाद पहिला बेर विदेश यात्रा पर निकलल श्रीलंका के राष्ट्रपति मैथ्रिपाला सिरिसेना सोमार का दिने प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (सोमार, 16 फरवरी 2015)

(अतवार, 15 फरवरी के खबर) TatkaKhabar-15-Feb-15 क्रिकेट वर्ल्ड कप के आपन पहिलके मुकाबला में भारत पाकिस्तान के 76 रन से हरा दिहलसि जवना का बाद देश भर में क्रिकेट प्रेमियन का संगही उहो लोग खुशी मनावे लागल जिनका क्रिकेट से बेसी एह पर धियान रहेला कि पाकिस्तान के हरावल जाव चाहे जवन मुकाबला होखे. दोसरा

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (अतवार, 15 फरवरी 2015)

(शनिचर, 14 फरवरी के खबर) Download Music – Free Audio – TatkaKhabar-14-Feb-15 टट… बिहार सरकार धारी धरही समेत दुसाध जाति के महादलितन में शामिल कर लेबे के फैसला कइले बिया. इहो तय भइल बा कि अनुसूचित जातियन वाला टोला में विकास मित्र पर अनुसूचितने के बहाल कइल जाई. बीस बरीस से अधिका के अनुभव राखेवाला

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (शनिचर, 14 फरवरी 2015)

(शुक, 13 फरवरी के खबर) Music TatkaKhabar-13-FEb-2015 ई महज संजोगे रहल कि 13 फरवरी का दिने टटका खबर आपन आडियो सुनवावे के फैसला कइलसि आ हर साल एह दिन के विश्व रेडियो दिवस का रूप में मनावल जाला. भोजपुरी पढ़े में नवहियन के होखे वाला दिक्कत देखत एकर आडियो जारी करे के शुरुआत कइल गइल

आरा छपरा बलिया समेत देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (शुक, 13 फरवरी 2015)

Download Audio – Tatka12Feb (बियफे, 12 फरवरी के खबर) आआपा नेता अरविन्द केजरीवाल आ मनीष सिसोदिया बियफे का दिने पीएम मोदी से मिललें. चाय नाश्ता पर ई लोग पीएम के अपना किरिया धराई समारोह में आवे के नेवता दिहलें बाकिर पीएम मोदी कहलन कि पहिले से तय कार्यक्रम का चलते ना आ पइहें. केजरीवाल दिल्ली

आरा छपरा बलिया समेत देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (बियफे, 12 फरवरी 2015)

(बुध, 11 फरवरी के खबर) सुने में आवत बा कि मुख्यमंत्री के राज्यपाल से निर्देश मिलल बा कि 20 फरवरी के विधानसभा में राज्यपाल के अभिभाषण का तुरत बाद मतदान करा के ऊ आपन बहुमत सिद्ध करावस. मतदान पर्ची डाल के होखी. बाकिर माँझी के समर्थक विधायक विधानसभा अध्यक्ष के पक्षपाती रवैया से परेशान बाड़े.

Older Posts›› ‹‹Newer Posts