web analytics

बीसन हजार ट्वीट #राजीव_गांधी_पनौती_था

(टटका खबर, अतवार, सावन अमावस, 2078 विक्रमी) ढेर दिन से एगो महिला पत्रकार के पनौती बतावत सोशल मीडिया गुलजार रहत रहुवे. अब पनौती होखे के ई सम्मान राजीव गाँधी के मिल गइल बा. काल्हु नीरज चोपड़ा के टौक्यो ओलंपिक में भाला फेंके के प्रतियौगिता में स्वर्ण पदक मिलते सोशल मीडिया पर हजारन लोग ई कहत … Read more

Loading

फेंक जहाँ तक भाला जाए

बधाई नीरज ! ICONIC. #IND pic.twitter.com/2kbYByNGOn— Olympics (@Olympics) August 7, 2021 This was said in 2013 by @narendramodi ji#TeamIndia #NeerajChopra #Olympics pic.twitter.com/lxqYoh12FN — Suresh Nakhua ( सुरेश नाखुआ )🇮🇳 (@SureshNakhua) August 7, 2021

Loading

सगरी बड़कन के मैदान में उतारी भाजपा

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ पूर्णिमा, 2078 विक्रमी) गुरु पूर्णिमा का पावन पर्व पर रउरा सभे के हार्दिक अभिनन्दन. एगो बड़हन आ स्वागतजोग फैसला कइले बिया भाजपा कि अगिला साल होखे जा रहल उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव में अपना सगरी बड़का नेता के मैदान में उतारी. मुख्यमंत्री, उपमुख्यमंत्री, प्रदेश अध्यक्ष, महामंत्री सभे के चुनाव लड़े के … Read more

Loading

आपन थूकल चाटी कि ओकर थूकल चटवाई

(टटका खबर, मंगल, आषाढ़ अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी) भाजपा आपन थूकल चाटी कि शिवसेना से ओकर थूकल चटवाई एह पर तरह तरह के चरचा शुरु भइला के अगिले दिन काल्हु एक दर्जन भाजपा विधायकन के विधानसभा से साल भर ला निकाल बाहर कर दीहल गइल. एह लोग पर विधानसभा में बवाल काटे के आरोप बा. … Read more

Loading

बिहारो में बने जा रहल बा जनसंख्या नियन्त्रण कानून

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी) पश्चिम बंगाल विधान सभा चुनाव का बाद होखत पहिलका सत्र के शुरुआत बवाल से भइल. चुनाव बाद हो रहल लगातार हिंसा का विरोध में भाजपा के विधायक जय श्रीराम के नारा लगावत बइठक से बाहर आ गइलें. बाकिर ओहमें भाजपा विधायक का तौर पर मुकुल राय शामिल … Read more

Loading