Go to ...
RSS Feed

ट्रेन

गोरखपुर से लखनऊ खाती एगो अउर ट्रेन

दिल्ली में रेलभवन से बटन दबाके रेल मंत्री सुरेश प्रभु आजु से गोरखपुर से लखनऊ के बादशाह नगर का बीच एगो नया ट्रेन के शुरुआत करइहें। एह ट्रेन से गोरखपुर लखनऊ रूट के भीड़ कम करे के मौके मिली। जान जाईं कि रेल मंत्रालय एह घरी पूर्वांचल पर मेहरबान बा आ जल्दिये कुछ अउरी ट्रेनन

जौनपुर से मुंबई खातिर ट्रेन

काल्हु केन्द्रीय बिजली राज्य मंत्री पीयूष गोयल जौनपुर में ग्रामोदय से भारत उदय कार्यक्रम के तहत पंडित दीनदयाल उपाध्याय ग्रामीण विद्युतीकरण योजना के शुरुआत कइलन. कहलन कि केन्द्र सरकार के योजना बा कि साल 2019 ले यूपी के हर गाँव ले बिजली चहुँपा दीहल जाव. पहिले एकरा के 2022 ला पुरा करे के योजना रहुवे.

कुकुर का चलते एक घंटा ले ट्रेन रुकल रहल

बियफे का रात छपरा जंक्शन पर चंडीगढ़ से डिब्रुगढ़ जाए वाली ट्रेन करीब एक घंटा ले रुकल रहि गइल काहे कि बुक कइल एगो कुकुर गार्ड का चार्ज देत बेरा भाग निकलल रहे. एह बारे मे जानकारी मिलते ओह कुकुर के मालिक, जे आर्मी के अधिकारी रहले, बवाल करे लगले. सगरी महकमा परेशान हो गइल

गाना सुने का फेर में जान चल गइल

वाराणसी 10 जनवरी (वार्ता) आजु सबेरे लोहता इलाके मे भट्टी गांव का लगे एगो नवही कामायनी एक्सप्रेस से कटा गइल. पुलिस बतावत बिया कि बीस बरीस के रमेश यादव अपना कान में ईयर फोन लगवले गाना सुनत रेल लाइन पार करत रहुवे. ओही घरी कामायनी ट्रेन आ गइल बाकि ओकरा कुछ सुनाइल ना आ उ

छपरा टीसन पर जनसाधारण एक्सप्रेस के इंजन मे लागल आग से अफरातफरी

काल्हु पूर्व मध्य रेलवे के छपरा टीसन पर खड़ा 14604 डाउन जनसाधारण एक्सप्रेस के इंजन मे आग लगला का चलते कुछ देर ला अफरातफरी मच गइल. अमृतसर से चल के सहरसा जात जनसाधारण एक्सप्रेस जब छपरा टीसन पर खड़ा रहुवे तबहिए ओकरा इंजन मे आग लाग गइल. ड्राइवर तुरते इंजन के बाकी ट्रेन से काट

बलिया के लड़िका छपरा कचहरी पर ट्रेन का नीचे आ गइल

कोलकाता से बलिया खातिर चलल बैरिया के ठेकहा गाँव के धर्मेन्द्र सोमार का दिने भोर में छपरा कचहरी का आउटर सिग्नल पर रुकल सियालदह बलिया एक्सप्रेस से उतर के पानी पिए गइल तब ले ट्रेन चल दिहल. हड़बड़ी में ट्रेन पर चढ़े का दौरान उ गिर के लाइन पर चक्का का नीचे चल गइल. बेचारा