Go to ...
RSS Feed

ट्वीटर

किसानन का नाम पर धोखाधड़ी करत मिललें साढ़े सात लाख लोग

(टटका खबर, बुध, आषाढ़ अन्हरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी) पिछला सात महीना से अधिका समय से किसानन का नाम पर आढ़तियन आ दलालन के आन्दोलन चलिए रहल बा. अब उत्तर प्रदेश में साढ़े सात लाख से अधिका अपात्र प्रधानमंत्री किसान निधि के सम्मान राशि अपना खाता में मँगवावत मिलल बाड़न. अब एह लोग से वसूली होखी

कबाड़ ल अगर कबाड़ सकऽ

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ अन्हरिया दूज, 2078 विक्रमी) देश के केंद्रीय कानून मंत्री रविशंकर प्रसाद अपना कमजोरी के सुबूत देत काल्हु घिघियात लउकलें जब ट्विटर उनुकर अकाउंट कुछ देर ला सस्पेंड कर दिहलसि. ट्वीटर एक तरह से उनुका के आ देश के कानूनो के एक तरह से चुनौती दिहले बावे कि कबाड़ ल अगर कबाड़

ट्वीटर पर ट्वीटर का खिलाफ ट्वीटन के बाढ़ पर ट्वीटर के पैरवी

टटका खबर, बियफे, जेठ अँजोरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी एने कई दिन से ट्वीटर पर ट्वीटर का खिलाफ ट्वीटन के बाढ़ आइल बड़ुवे. आ एह बीच ट्वीटर के पैरवीकार बन के आइल बावे एगो हैण्डल जवन नाम त रखले बा इन्टरनेट फ्रीडम फाउण्डेशन बाकिर मकसद आम जनता के फ्रीडम बचावे के ना हो के ट्वीटर जइसन

टटका खबर, मंगल, वैशाख अँजोरिया चतुर्दशी, 2078 विक्रमी

चक्रवात यास से निपटे का काम में राष्ट्रीय आपदा मोचन बल के नाहिय त एक सौ टुकड़ी तूफान से प्रभावित होखे वाला पाँच गो राज्यन आ एगो केन्द्र शासित क्षेत्र में तैनात क दीहल गइल बा. उड़ीसा, पश्चिम बंगाल, आन्ध्र प्रदेश, तमिलनाडु, झारखण्ड, आ अंडमान निकोबार द्वीप समूह एह तूफान से प्रभावित होखे के अनेसा

ट्वीटर के परीक्षण सफल रहल

इयाद बा, कइसे कई बरीस पहिले एक दिन पूरा देश में गणेश जी के मूर्ति दूध पिये लागल रहली सँ ? उहो एगो परीक्षण रहुवे. कबो एह बाति के पक्का प्रमाण त सामने ना आइल बाकिर कहे वाला आजुओ कहेलें, मानेलें कि ऊ एगो सफल परीक्षण रहुवे. ओहमें परीक्षण करे वाला गोल ई देखल चहले