Go to ...
RSS Feed

डुमराँव

आरा न्यूज, 14 अप्रेल 2018, शनिचर के 6 गो खबर

उदवंत नगर के पूरबी डेमहां गांव के परमहंस यादव के बेटा जीतेन्द्र (25 बरीस) शुक का दिने आरा सासाराम रोड पर गाँवे का लगे सड़क किनारा बन गइल गड़ही में अपना भईंसियन के नहवावे ले गइल रहुवे. गड़ही के गहराई के थाह ना लगला का चलते ऊ ओहिमें डूब गइल. जब भईंस घरे आ गइली

टटका खबर, शुक, 12 जनवरी 2018

मशहूर हिन्दी साहित्यकार प्रो0 दूधनाथ सिंह के निधन 82 बरीस का उमिर में बियफे का देर रात इलाहाबाद के एगो अस्पताल में हो गइल. प्रो0 दूधनाथ सिंह पिछला दू बरीस से प्रोस्टेट कैंसर से पीड़ित रहलीं. बलिया के सोबंथा गांव में 17 अक्टूबर 1936 के जनमल प्रो0 दूधनाथ पिंह के बलिया के पढ़ाई का बाद

टटका खबर, सोमार, 1 जनवरी 2018

अमरीका के राष्ट्रपति डॉनल्ड ट्रंप पाकिस्‍तान का खिलाफ कड़ा रूख अपनावत ओकरा के झूठा आ फरेबी बतवले बाड़ें. नया साल का पहिलके दिने पाकिस्तान के अउरी सहायता करे से मना क दिहलें. एकरा बाद पाकिस्‍तान के विदेश मंत्री ख्‍वाजा आसिफ आ प्रधानमंत्री शाहिद खाक़ान अब्‍बासी बइठका कइलें आ कहलें कि अमेरिका के जल्दिए जबाब मिल

डुमरांव सूत मिल खुले के आसार नइखे लउकत

पिछला आठ महीना से बंद पड़ल डुमराँव सूत मिल के अबहियों खुले के उमेद नइखे लागत काहे कि काटल बिजली कनेक्शन फेर जोड़वावे ले के चलत झगड़ा अब सुप्रीम कोर्ट ले चहुँप गइल बा. सु्प्रीम कोर्ट कहले बिया कि फिलहाल बकाया में बीस लाख रुपिया जमा करा देव सूत मिल आ बीमार कारखानन के मिले

नया भोजपुर में घर में घुस के बलात्कार करे के आरोप

डुमराँव के नया भोजपुर के एगो लइकी सीजीएम कोर्ट में याचिकला लगवलसि कि १७ जून का रात दू बजे मुहल्ला के दू गो लइका ओकरा घर में घुस के ओकरा संगे गलत काम कइलें. मामिला के सुनवाई कइला क बाद सीजीएम थाना के आदेश दिहलें कि एफआईआर दर्ज कर लिहल जाव. आरोप पिंकू यादव आ

छत से गिरला का बाद एगो मेहरारू के मौत

डुमराँव के निमेज टोला में एगो घर का बालकनी के रेलिंग टूटला से एगो मेहरारू अपना डेढ़ साल के बच्ची लिहले छत से गिर पड़ल. पैंतीस साल के ओह मेहरारु के त मौत हो गइल बाकिर गोदी के लइकी अबही बाचल बिया आ ओकर इलाज चलत बा. घवाहिल औरत के लेके परिवार के लोग जब