Go to ...
RSS Feed

डेंगू

बलिया में डेंगू के मरीज मिलल

बलिया जिला के सिकन्दरपुर इलाका में चकखान गाँव में गुजरात में कमाई करेवाला आदमी के जाँच में डेंगू होखे के पुष्टि हो गइला का बाद गाँव के लोग दहशत में बावे. ऊ आदमी हालही में गुजरात से आइल रहुवे आ एहिजा तबियत खराब भइला का बाद जाँच में डेंगू होखल पावल गइल. मरीज के जिला

डेंगू बुखार पर राज्य भर में चेतावनी दिहल गइल

उत्तर प्रदेश में डेंगू बीमारी के पसरला के अनेसा देखत सगरी मुख्य चिकित्साधिकारियन के चेता दिहल गइल बा कि एह पर पूरा नजर राखे लोग आ मरीजन के देखभाल के समुचित इंतजाम कर के राखे लोग.

डेंगू बिहार में डेग धरले जात बा बाकि सरकार के कहना बा फिकिर नाट

बिहार में डेंगू के अढ़ाई सौ मरीज मिलला का बावजूद राज्य सरकार एकरा से चिन्तित नइखे. ओकर कहना बा एहमें ना त चिन्ता के कवनो बात बा ना कतहीं भयावह हालात बनल बा. सरकार एह बीमारी पर काबू करे के हर कोशिश करत बिया. आ कवनो मरीज के कवनो दिक्कत ना होखे दिहल जाई. बिहार

यूपी बिहार में डेंगू के मरीज

पिछला तीन दिन में गोरखपुर में डेंगू के कई गो मरीज मिलला का बाद से प्रशासन सचेत हो गइल बा. दू गो मरीज जिला अस्पताल में त तीन गो मरीज निजी अस्पतालन में भरती करावल गइल बाड़ें. सीएमऊ आफिस में एगो कंट्रोल रूम बनावल गइल बा जहाँ से चौबीसो घंटा काम करी. ओने जौनपुर में