web analytics

टटका खबर, वैशाख अँजोरिया सप्तमी 2079 विक्रमी, अतवार

जम्मू-कश्मीर के कुलगाम जिला में आजु अतवार का फजीरहीं से आतंकवादियन का साथे सुरक्षा बलन के मुठभेड़ हो रहल बा. खुफिया जानकारी मिलला का बाद इलाका के घेराबंदी क के सुरक्षा बल तलाशी अभियान शुरु कइलन त आतंकियन का तरफ से गोलीबारी होखे लागल. एह मुठभेड़ में मुस्लिम आतंकी संगठन लश्करे तोएबा के एगो पाकिस्तानी … Read more

 335 total views

सारण तरैया के भाजपा नेता केदार सिंह के हत्या

सारण जिला के तरैया इलाका में काल्हु रात एगो भाजपा नेता केदार सिंह के गोली मर के मुआ दीहल गइल। ओह बेरा ऊ अपना बहिन किहां मशरख बंगरा से लवटत रहलें जब पहिले से घात लगा के बईठल अपराधी गण्डार पुल का नियरा गोली मार दिहलें। खून से लथपथ लाश देख पहिले त लोग सोचल … Read more

 387 total views

तिलक के सामान चोर चोरा ले गइलें

सारन जिला के तरैया बाजार इलाका के एगो भाजपा नेता समेत चार जने का घर से चोर लाखों के सामन चोरा ले गइलें. शुक के रात भइल ई चोरी चार गो घर में भइल. भाजपा नेता वीरबली सिंह के घरे बेटी के तिलक चढ़ावे जाए खातिर सामान राखल रहुवे. चोर सगरी सामान चोरा ले गइले … Read more

 449 total views

छपरा में सड़क हादसा में दू जने के मौत

काल्हु शनिचर के दुपहरिया छपरा भगवान बाजार इलाका के गुदरी मेन रोड पर एगो बेकाबू ट्रक एगो मोटरसाइकिल सवार के कचार दिहलसि जवना से ओकर मौत ओहिजे हो गइल. मरे वाला आदमी नैनी गांव के रहुवे. हादसा का बाद ट्रक ड्राइवर गाड़ी ले के भाग निकलल. बाद में खिसियाइल लोग रास्ता से गुजरत दर्जनो ट्रक … Read more

 401 total views

सारण के तरैया में भोजपुरी नाटक खेलाइल

तरैया प्रखंड के नेवारी बाजार में दुर्गा पूजा के मौका पर एगो भोजपुरी नाटक ‘इज्जत’ खेलल गइल. एकर निर्देशक रहलन अजरुन युवराज आ संचालन कइलन सुभाष कुमार. नाटक के सगरी कलाकारन के पूजा समिति का तरफ से सम्मानित कइल गइल.  427 total views

 427 total views

गंडक का बाढ़ से परसा परेशानी मे

पिछला दू दिन से गंडक के पानी लगातार बढ़ल जात बा. अह चलते प्रखशड के दर्जनो गाँव बाढ़ का चपेटा मे आ गइल बाडी स. दियारा के मुराही, बलिगांव, बहलोलपुर, मनकीमाल, परसादी दियारा, बांखे, तलरहियां, बभनगांवा दियारा वगैरह गाँवन मे सैकड़ो एकड़ भूमि में धान, करैला, बैगन, कुंदरी, मक्का के फसल बरबाद होखे लागल बा. … Read more

 381 total views

नंदनपुर में वैन से कचरा के अधेड़ के मौत

सारण जिला के तरैया इलाका के नंदनपुर गांव का नियरा सती माई स्थान का लगे गाय चरावत एगो अधेड़ के एगो बेकाबू पिकअप वैन कचार दिहलसि जवना से पचास साल के ओह अधेड़ रामनरेश महतो के मौत ठाँवे पर हो गइल.  421 total views

 421 total views

नदी में डूब के मौत

सारण जिला के तरैया इलाका के सगुनी गाँव के एगो तेरह साल के लईका गंडक में नहाए घरी डूब गइल. बतावल जात बा कि गाय चराए गइल ई लइका गाय के पानी पियावे नदी किनारे आइल रहे जहाँ अपने नहाए लागल आ ओही घरी डूब गइल.  431 total views

 431 total views