दाउदपुर
कार आ कंटेनर का बीच टक्कर से तीन लोग के मौत छपरा 06 मई (वार्ता) सारण जिला के दाउदपुर इलाका के भोला ढाला का नियरा काल्हु देर रात एगो कार बेकाबू होके कंटेनर से टकरा गइल आ एह हादसा में दाउदपुर थाना के टेटीहा टोला के शिवनाथ सिंह (50 बरीस), विधायी सिंह (18 बरीस) अउर
छपरा 25 अप्रैल (वार्ता). दाउदपुर इलाका के बनवार रेल ढ़ाला का नियरा आजु बारातियन से भरल एगो पिकअप वैन पलटि गइल आ एह हादसा में एगो औरत समेत चार गो बारातियन के मौत हो गइल आ नौ जने बहुते घवाहिल हो गइलें. पुलिस सूत्र बतवलें कि हाजीपुर से बारातियन के लेके वापिस लवटत एगो पिकअप
बिहार में फेरु भइल शिक्षा घोटाला. पर साल बिहार के बदनाम बोर्ड घोटाला का तरहे एगो नया घोटाला शिक्षा का क्षेत्र में भइल सामने आइल बा. बिहार विश्वविद्यालय में भइल एहू घोटाला के केन्द्र में वइसने रसूख वाला मौदूद बा जवना चलते ओकरा प केहू हाथ डाले के हिम्मत नइखे करत. ललन सिंह के नाम
सारण जिला के दाउदपुर इलाका के बरवा खुर्द गाँव के एगो नवही तीन बरीस बाद घरे चहुँपल. ओकरा गायब भइला का बाद ओकर बाप थाना मे अपहरण के केस लिखववले रहन. लढ़िका के लवटला के सूचना थाना के दिहल गइल त पुलिस आ के लड़िका के ले गइल आ कोर्ट ले जा के सेक्शन 164
सारण जिला के दाउदपुर इलाका के दुमदुमा गाँव मे एगो पागल सियार पिछला कई दिन से लोग के हलकान कइले रहुवे. उ कई लोग के काट चुकल रहे आ बुधो का दिन एगो आदमी पर हमला बोल के ओकर मुॅह नोच डललसि. एह पर लोग ओह पागल सियार के घेर के पीट पीट के मुआ
छपरा-सिवान रेलखंड के दाउदपुर टिसन का नियरा सोनिया गांव का सोझा छपरा गोरखपुर पैसेंजर के चेन खींच के रोक के उतरे वाला लोगन के गाॅव के लोग घेर के जम के पिटाई कइल. चेन खीच के रोके का मामिला से एह रूट के पैसेंजर परेशान बाड़े आ सामूहिक जुर्माना लागे का डर से गाॅव वाले
सारण जिला मेंं मोटरसाइकिल लूट आ चोरी के अनेके घटना का बाद बनावल गइल स्पेशल टीम बियफे का रात में कइ जगहा छापा मार के पाॅच गो बदमाशन के गिरफ्तार क लिहलसि. एकनी का लगे से कुछ मोटरसाइकिल बरामदो भइल बा. पकड़ाइल बदमाशन में गिरोह के सरगना जलालपुर के पवन कुमार सिंह, सिसवन थाना के
सारण जिला के दाउदपुर थाना के बरेजा गांव के ठाकुरबाड़ी में बुध का सबेरे एगो नवही के लाश पड़ल मिलल जवना के देखे ला बहुते लोग जुटल. बाद में ओकरा पाकिट से मिलल वोटर आई डी कार्ड से पता चलल कि ऊ माँझी थाना के घोरघाट गाँव के मोतीलाल यादव के बेटा ब्रजेश ह. हत्या
झाड़ू डंडा ले के अवैध शराब के धंधा के खिलाफ प्रदर्शन दाउदपुर (सारण) दाउदपुर थाना के दुधैला गांव में बियफे का दिने अवैध शराब के धंधा पर अंकुशा लगावे के माँग ले के एहिजा के औरत सब हाथ में झाड़ू-डंडा लेके सड़क प प्रदर्शन कइली साथ में कुछ मरद आ लड़िको रहले सँ. आरा पुल
छपरा सिवान का बीच दाउदपुर टीसन का लगे बनवार ढाला पर भरवलिया के एगो नवही ट्रेन से कटा गइल. मरे वाला लड़िका नंदलाल सिंह कॉलेज के बी॓ए के छात्र रहुवे.
सारण जिला के दाउदपुर इलाका के नसीरा पंचायत के मिसिर टोला में दू गो लइकी शुक का दिने पोखरा में डूब गइली सँ. बाद में दुनु के लाश गाँव वाले बाहर निकललें. मौका पर आइल पुलिस दुनु लाश के पोस्टमार्टम करावे खातिर ले के चल गइल.
छपरा जिला के दाउदपुर रेलवे स्टेशन का लगे डाउन लाइन पर शनिचर का दिने एगो टुकड़ा टुकड़ा लाश मिलल. लाश के आधा हिस्सा पाँच सौ गज दूर मिलल. लाश के पहिचान दाउदपुर नोनिया डीह के रामदेव महतो के लड़िका बलिराम महतो का रूप में भइल बा. घटना भा दुर्घटना के कारण आ हालात साफ नइखे