Go to ...
RSS Feed

दाखिला

गोरखपुर में विद्यार्थियन से साढ़े तीन करोड़ ठग लिहलें महाठग

कैरियर एजुकेशन सोसाइटी नाम के संस्था चला के विद्यार्थियन के झाँसा दिहल जात रहुवे कि ओह लोग के दाखिला देश के बढ़िया मेडिकल भा इंजिनियरिंग कॉलेज मे करवा दिहल जाई. बाकिर दाखिला ना मिलल त केस दर्ज हो गइल आ पुलिस संचालक प्रेम प्रकाश सिंह आ ओकर महिला सहयोगी के धर लिहलसि. बिहार के औरंगाबाद

242 मैनेजमेंट कॉलेजन के एकहू विद्यार्थी ना मिलले

यूपी के 422 गो एमबीए कॉलेजन में दाखिला ला शुरू भइल काउंसलिंग मे 242 गो कॉलेजन के एको विद्यार्थी ना मिलले जबकि 94 गो कॉलेजन के नाम खातिर एगो से तीन गो ले विद्यार्थी मिल पवलें. पैंतीस गो कॉलेजन के दस से कमे विद्यार्थी मिलल बाड़ें. असल में प्रदेश के शिक्षा के स्तर अतना गिर

एह साल आयुष कॉलेजन में दाखिला ना होखी

सीपीएमटी काउंसिलिंग में एह साल कवनो सरकारी आयुर्वेद आ होम्योपैथिक कॉलेज में विद्यार्थी दाखिला ना ले पइहें काहें कि एह कॉलेजन के मान्यता नइखे आ एह चलते एह कॉलेजन के सीपीएमटी काउंसिलिंग में शामिल ना कइल जाई. काउन्सलिंग आजु बियफे से शुरू होखे वाला बा.