Go to ...
RSS Feed

दिघवारा

टटका खबर, 1 सितम्बर 2020, मंगल के

गोरखपुर के बाल चिकित्सक डॉ कफील खान के इलाहाबाद उच्च न्यायालय रिहा कर दिहलसि. अदालत के कहना बा कि अलीगढ़ मुस्लिम निश्वविद्यालत का सामने जवना भाषण का चलते कफील पर रासुका लगावल गइल ऊ भाषण त एकता आ सद्भाव फैलावे वाला रहुवे. ओह भाषण का चलते खान पर रासुका लगावल गलत रहुवे.बाद में मंगल बुध

आर्केस्ट्रा में गोली चलला का बाद एगो नवही के मौत

छपरा 19 फरवरी (वार्ता) बिहार के सारण जिला के दिघवारा थाना क्षेत्र में शादी समारोह का दौरान आर्केस्ट्रा में फरमाईशी गीत गववला ले के भइल बतकही बढ़ि के गोलीबारी में बदलि गइल आ गोली लगला से एगो नवही के मौत हो गइल. पुलिस सूत्र से मिलल जानकारी में बा कि कोरिया गांव के शंकर प्रसाद

डिब्बा पीछे छोड़ इंजन आगे बढ़ गइल

छपरा से दिघवारा का बीच नई दिल्ली जात संपर्क क्रांति एक्सप्रेस के इंजन कपलिंक खुलला का चलते कुछ डिब्बन के पीछे छोड़त आगा बढ़ गइल. बाद में इंजन के पीछे ले आ के कपलिंक फेरु जोड़ल गइल आ तब फेरु ट्रेन आगे बढ़ल. एह चलते करीब एक घंटा ले अप लाइन डिस्टर्ब रहल.

दिघवारा टीसन पर डीआरएम के दौरा

बुध का दिने सारण जिला के दिघवारा टीसन पर सोनपुर डीआरएम मनोज कुमार अग्रवाल दौरा पर चहुँप गइलन आ टीसन का लगे के रेलवे के जमीन पर नाजायज कब्जा हटवावे के काम पर आपन जोर बतवलन. कुछ दुकानदारन पर जुर्माना लगवलन. एकरा साथही बेटिकटो सवारियन पर उनकर नजर पड़ल आ कई जने से जुर्माना वसूल

शराबियन के झगड़ा में एगो शराबी के मौत

काल्हु बुध का दिने सारण जिला के दिघवारा इलाका के मलखाचक गाँव के एगो दलित नवही के पीट पीट के हत्या क दीहल गइल. बतावल जात बा कि ई बरबन्ना मझौंवा गांव का लगे नदी किनारे दियारा में चलत गैरकानूनी शराब भट्ठी पर ओकर झगड़ा दोसरा शराबी से हो गइल जवना का बाद ओकरा के

अभय राय के हत्या के गुत्थी पुलिस सझुरा लिहलसि

सीतलपुर बाजार के युवा नेता अभय राय के हत्या के गुत्थी पुलिस सझुरा लिहलसि कुछ दिन पहिले दिघवारा में भइल अभय राय के हत्या के मामिला सझुरावत पुलिस पाँच गो आरोपियन के गिरफ्तार कर लिहले बिया. हत्या के हथियार, अभय राय के मोबाइल, कपड़ा वगैरहो बरामद हो गइल बा. पुलिस अब धराइल आरोपियन से पूछताछ

दिघवारा में सीतलपुर बाजार के एगो नवही के अपहरण

दशहरा का दिने घर से निकलल सीतलपुर बाजार के अभय राय के पता नइखे लागत आ उनका बड़ भाई के शिकायत पर पुलिस गुमशुदगी के रिपोर्ट लिख के जाँच करत बिया. अनेसा बा कि अभय राय के अपहरण हो गइल बा काहे कि उनकर दुनू मोबाइल बंद मिलत बा. शनिचर का भोर में इलाका के

छपरा न्यूज (शनिचर, 12 सितंबर 2015)

चुनाव नजर में राख के हाल ही में नीतीश सरकार बहुते अधिकारियन के एने से ओने कइले रहुवे बाकिर चुनाव के एलान होखला का बाद आयोग के हनक हावी हो गइल बा. काल्हु चुनाव आयोग का आदेश का बाद बिहार सरकार के गृह सचिव आ सामान्य प्रशासन सचिव आमिर सुबहानी के हटा दीहल गइल बा.

छपरा न्यूज : 11 जुलाई 2015

इसुआपुर के थानाध्यक्ष रहला का दौरान भइल संजय तिवारी के हत्या का मामिला में छपरा मंडल कारा में बंद राजन सिंह उर्फ कुश, रविरंजन कुमार उर्फ लव, रविरंजन कुमार उर्फ कल्लू, विजय कुमार आ मुन्ना चौबे के न्यायिक दंडाधिकारी शक्तिधर भारती के न्यायालय में शुक का दिने कड़ा सुरक्षा का बीच पेश कइल गइल आ

दहेज मौत के शिकायत प पाँच जने गिरफ्तार

दिघवारा थाना के मलखाचक के अजय सिंह के बेटी के शादी डोरीगंज थाना क्षेत्र के रसलपुरा गांव के कृष्णा सिंह के बेटा से भइल रहुवे. शादी का बादे से पाॅच लाख रुपिया आ पटना में जमीन के माॅग करत रहे लोग आ एही चलते अजय सिंह के बेटी के जान ले लिहल गइल. पुलिस एह

फर्जी तरीका से दोसरा का खाता से रुपिया निकाले वाला जालसाज गिरफ्तार

छपरा 26 अक्टूबर (वार्ता) सारण जिला के दिघवारा इलाका से पुलिस एगो जालसाज शैलेन्द्र कुमार के गिरफ्तार क लिहलसि. पुलिस सूत्र बतवले कि जालसाज शैलेन्द्र कुछ दिन पहिले भारतीय स्टेट बैक के दिघवारा शाखा से झँउवा गाँव के पंचायत सेवक राम प्रवेश राय के खाता से फर्जी तरीका से नौ लाख 18 हजार रूपिया अपना

कुख्यात छट्ठ चौहान गिरफ्तार

सारण जिला के अवतारनगर इलाका के हराजी गांव से काल्हु देर रात पुलिस अनेके मामिला के आरोपी कुख्यात छट्ठ चौहान के गिरफ्तार कर लिहलसि. पुलिस के पता चलल रहे कि छट्ठू अपना गांवे आइल बा आ एही सूचना पर अवतारनगर आ दिघवारा थाना के पुलिस मिल के गाँव घेर लिहलसि आ ओकरा के गिरफ्तार कर

दिघवारा मानपुर का लगे सड़क हादसा में एक आदमी के मौत

सारण जिला के दिघवारा इलाका में बियफे का दिने हाईवे पर मानपुर का लगे एगो बस टेंपो के टक्कर मार दिहलसि जवना से टेंपो पर सवार अवतारनगर थाना के फतेहपुर चैन के एगो आदमी के ठाँवे पर मौत हो गइल. दिघवारा के हिम्मतपुर के एगो मेहरारुवो घवाहिल हो गइल जवना के छपरा सदर अस्पताल में

मलखाचक में इनार में कूदल औरत के मौत

सारण जिला के दिघवारा इलाका के मलखाचक गांव में इनार में गिरल अपना लइकन के आवाज सुन के विजय सिंह के पत्नी मालती इनार में कूद पड़ली. गाँव के लोग हल्ला सुन के जुटल आ तीनो के निकालल. बाकिर एह दौरान मालती के मौत हो चुकाल रहुवे. घटना के जानकारी पर चहुँपल पुलिस पंचनामा कर

मरद मेहरारू के लाश दिघवारा सीतलपुर का बीचे रेललाइन पर मिलल

छपरा-सोनपुर रेलखंड के दिघवारा आ सीतलपुर टीसन का बीच बुध का दिने रेल लाइन का किनारे एगो मरद-मेहरारू के लाश कटाइल-फटाइल हाल में मिलल. लाश मिलला के खबर का बाद सोनपुर जीआरपी आ के लाशन के अपना कब्जा में लिहलस. आदमी के उमिर लगभग पचीस साल आ औरत के उमिर बीस साल के आसपास के

आमी घाट पर दू गो लड़िका डूबलें

बुध का दिने दिघवारा का लगे आमी के मशहूर अंबिका मंदिर पर पूजा करे आइल वैशाली जिला के फतेहपुर निवासी सुरेश सिंह के लड़िका आनंद कुमार गंगा नदी में नहाए उतर गइल आ पँवड़ के नदी पार करे लागल. ओकरा साथे ओकर साथी बिदुपुर के अविनाश आ गौतमो रहलें. गौतम घाट पर बइठल एह लोग

साइकिल के पइसा ना मिलला पर दिघवारा में सड़क जाम

मुख्यमंत्री साइकिल योजना के धन ना मिलला का चलते नाराज छात्र दिघवारा का लगे छपर पटना सड़क जाम कर दिहलें. कई घंटा बाद केहू तरह समुझा बुझा के जाम हटावल गइल.