Go to ...
RSS Feed

दीघा पुल

दीघा पुल पर चले वाली सगरी गाड़ियन के टाइम बदलल

दीघा पुल पर चले वाली सगरी गाड़ियन के टाइम आजु से बदल गइल बा. सीपीआरओ अरविंद कुमार रजक एकर जानकारी देत बतवलन कि तकनीकी कारणन से अइसह कइल गइल बा.

दीघा पुल पर रेल चले के शुरुआत

पटना आ सोनुपर का बीच बनल दीघा रेल पुल पर पांच जनवरी का दिने ट्रेनन के स्पीड आजमावल जाई. पूर्व मध्य रेलवे का ओर से सूचना जारी भइल बा कि स्पीड अजमवला का बाद राजधानी पटना से उत्तर-बिहार का बीच ट्रेन चलावल शुरु हो जाई.