Go to ...
RSS Feed

दुर्घटना

हादसा, दुर्घटना, आ मौत

सारण जिला के छपरा में जगलाल चौधरी कॉलेज का नियरा बियफे का दिने एगो नर्सिंग होम मालिक के लाश बरामद भइल बा. जमीन का झगड़ा में पश्चिम चम्पारण जिला के पिपरासी इलाका के बलजोरा गांव में एगो आदमी के जान चल गइलआ नौ जने घवाहिल हो गइले. गोपालगंज जिला के कुचायकोट इलाका में सासामुसा बाजार

सडक हादसे मे दू जने के मौत. एक आदमी घवाहिल

गाजीपुर जिला के नोनहरा में आजु एगो सड़क हादसा में दू आदमी के मौत हो गइल आ एक आदमी घवाहिल हो गइल. हादसा शाहबाजकुली गांव का लगे हाईवे पर भइल जवना में राधेश्याम आ मनोज के मौत हो गइल. लाश पोस्टमार्टम ला भेज दिहल गइल बा. (वार्ता)

सडक दुर्घटना मे दम्पति के मौत

आजमगढ जिला के महाराजगंज इलाका में बियफे का दिने भइल सडक दुर्घटना मे एगो दम्पति, मरद मेहरारू, के मौत हो गइल. पुलिस प्रवक्ता के मुताबिक चांदपुर मिश्रपुर के अब्दुल हाकिम अपना बीबी सैबुनिशा संगे कन्धरापुर इलाका में बाजार का लगे एगो सवारी वाहन का चपेटा मे आ गइलें आ दुनु जने के ठाँवे पर मौत

मोटरसाइकिल सवार के मौत

बक्सर नवानगर में परमानपुर पेट्रोल पंप का लगे काल्हु बियफे का दिने एगो मोटर साइकिल आ टैंकर में टक्कर हो गइल जवना से एगो बाइक सवार के ओहिजे मौत हो गइल आ दुसरका घवाहिल हो गइल. टैंकर के पुलिस जब्त कर लिहले बिया बाकिर ओकर ड्राइवर आ खलासी भाग निकललें. मृतक नौजवान रोहतास जिला के

छपरा के भिखारी ठाकुर चौक पर लड़िका कचराइल

सोमार के गदबेर में भिखारी ठाकुर चौक पर एगो ट्रक बाइक से जात एगो लड़िका के धक्का मारत अपना चपेट में ले लिहलसि जवना से ओह लड़िका के टँगड़ी टूट गइल. ट्रक ड्राइवर ट्रक छोड़ के भाग पराइल. अगल बगल के लोग ओह लड़िका के सदर अस्पताल चहुँपवले जहाँ मरहम पट्टी के बाद ओकरा के

बस पर बरगद गिरला से सात लोग के मौत

सिवान से गोपालगंज जात एगो बस पर छोटपुर गाँव का लगे एगो पुरान बरगद के पेड़ गिर पड़ल. एह दुर्घटना में ओहिजे सात जने के मौत हो गइल. पन्द्रह लोग घवाहिल हो गइल बा. घवाहिल भा मरल लोग के गिनिती बढ़ सकेले काहे कि अबही बस में कुछ अउरी लोग दबाइल मिले के अनेसा बा.