Go to ...
RSS Feed

देवरिया

टटका खबर, 17 मार्च 2017, शुक

दिन धरा गइल बा. शामियाना तनात बा. घराती बराती आपन आपन कपड़ा सइहारे में लागल बाड़ें. बस इहे नइखे मालूम कि दुलहा के रही. यूपी विधानसभा चुनाव में मिलल बड़हन जीत का बावजूद आ कि एही चलते भाजपा अबहीं ले आपन नेता नइखे चुन सकल. हमेशा का तरह मीडिया आपन कयास लगावे से चूकत नइखे

टटका खबर, 16 मार्च 2017, बियफे

बिहार विधान परिषद के चार गो सीट ला भइल चुनाव में राजग आ राजद दूनू समूह के दू दू गो सीट प जीत मिलल बा. गया स्नातक सीट से विधान परिषद के सभापति आ भाजपा उमीदवार अवधेश नारायण सिंह, गया शिक्षक सीट से राजग में शामिल राष्ट्रीय लोक समता पार्टी के संजीव श्याम सिंह, कोसी

टटका खबर, 15 मार्च 2017, बुध

बसपा अपना सीनियर नेता लालजी वर्मा के विधानसभा में अपना गोल के नयका नेता बहात क दिहलसि. ओने सपा में अबहीं ले नेता नइखन चुनाइल. हद त ई बा कि गोवा आ मणिपुर में दुसरका जगहा आइल भाजपा आनन फानन में आपन नेतो चुन लिहलसि आ सरकारो बना लिहलसि जबकि शानदार बहुमत मिलल यूपी आ

टटका खबर, 5 मार्च 2017, अतवार

राष्ट्रीय पुरस्कार से सम्मानित भोजपुरी फिल्म कब होई गवनवा हमार के निर्देशक आनंद डी गहतराज के कहना बा कि उनुका नयकी भोजपुरी फिलिम शहंशाह के नायक ला रविकिशन छोड़ दोसर केहू होइए ना सकत रहे. किरदार उनुके के धेयान में राखत बनावल गइल रहे. शहंशाह अब जल्दिए रिलीज होखे वाला बा. आज मोदी के रोड

टटका खबर, 28 फरवरी 2017, मंगल

भारत रत्न आ आजाद हिन्दुस्तान के पहिलका राष्ट्रपति डॉ. राजेन्द्र प्रसाद के 54वीं पुण्यतिथि के अवसर पर आजु उनुका के सरधा से याद कइल गइल आ देश में कई जगहा कार्यक्रम में उनुका के श्रद्धांजलि दीहल गइल. पटना के बांसघाट प राजकीय समारोह में बिहार के राज्यपाल रामनाथ कोविंद आ मुख्यमंत्री समेत अनेके खासमखास लोग

टटका खबर, 20 फरवरी 2017, सोमार

पडरौना आइल श्रीरामजन्म भूमि न्यास के अध्यक्ष महंत नृत्यगोपाल दास जी आजु कहनी कि विधानसभा चुनाव का बाद राम मंदिर बनवावे खाति धर्माचार्य लोग प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से बतियावे दिल्ली जाई. बिहार विधानपरिषद के चार सीट प 9 मार्च का दिने होखे जात चुनाव ला परचा दाखिल करे के आजु आखिरी दिन रहुवे. मंगल का

टटका खबर, 19 फरवरी 2017, अतवार

भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार रविकिशन शुक्ला आजु दिल्ली में भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह के मौजूदगी में भाजपा में शामिल हो गइलन. याज करीं कि पिछला बेर रविकिशन जौनपुर लोकसभा सीट से कांग्रेस का टिकट प किस्मत अजमवले रहन. दिल्ली में भाजपा अध्यक्ष बनावल जा चुकल मनोज तिवारी से इनकर कम्पीटिसन भोजपुरी सिनेमा उद्योग

टटका खबर, 17 फरवरी 2017, शुक

(शनिचर सबेरे 10 बजे के अपडेट) घन कुहा आ खराब मौसम का चलते पूर्वोत्तर रेलवे के गाडी संख्या 15204 लखनऊ जं.-बरौनी एक्सप्रेस 24 फरवरी आ 3 मार्च के, अउर गाडी संख्या 15205 लखनऊ जं.-जबलपुर एक्सप्रेस 22 फरवरी आ 1 मार्च का दिने ना चलावल जइहें स. सोनभद्र जिला के शक्तिनगर इलाके में पीडब्लूडी मोड़ का

टटका खबर, 16 फरवरी 2017, बियफे

तमिलनाडु में शशिकला के चुनल नेता इके पलानीसामी के मुख्‍यमंत्री पद के किरिया धरा दीहल गइल. उनुका साथे 30 गो मंत्रियनो के किरिया घरावल गइल. पलानीसामी शनिचर का दिने आपन बहुमत साबित करा के देखइहें. ओने स्वर्गीय जयललिता के बनावल मुख्यमंत्री पन्‍नीरसेल्‍वम के कहना बा कि ऊ कवनो ना कवनो तरह पलानीसामी के पलानी उजाड़िये

टटका खबर, 15 फरवरी 2017, बुध

सिवान के बाहुबली नेता आ सिवान से राजद सांसद रहल शहाबुद्दीन के सिवान जेल से हटा के तिहाड़ जेल भेजे के आदेश सुप्रीम कोर्ट दे दिहलसि आ इहो कहलस कि उनुका प चलत सगरी मामिला के सुनवाई वीडियो कान्प्फ्रेंसिंग से करावल जाव. एह फैसला के स्वागत करत भाजपा के बड़ नेता आ केन्द्रीय मंत्री रहल

टटका खबर, 14 फरवरी 2017, मंगल

बिहार बोर्ड का इंटर परीक्षा आजु मंगल का दिन से शुरु भइल आ पहिलके दिने च्र दर्जन से अधिका नकलचियन के निष्कासित करे पड़ गइल. दरभंगा साइंस कॉलेज के प्राचार्य के अधीक्षक पद से हटा दीहल गइल. पटना हाई कोर्ट से रिटायर हो चुकल न्यायाधीश श्याम किशोर शर्मा के बिहार लोकायुक्त के अध्यक्ष बनावल गइल

टटका खबर, 12 फरवरी 2017, अतवार

जम्‍मू कश्‍मीर में आजु भोरे कुलगाम जिला में सुरक्षाबल आ लश्‍कर-ए-तैयबा के आतंकवादियन का बीचे भइल मुठभेड़ में चार गो आतंकवादी मारल गइलें. सेना के दू गो जवानो शहीद हो गइलें. गोलीबारी में तीन गो अफरो सैनिक घाहिलो बाड़ें. बस्ती जिला के कोतवाली इलाका से गैरकानूनी असलहा बनावे वाले अड्डा के भंडाफोड़ करत पुलिस बावरिया

टटका खबर, 7 फरवरी 2017, मंगल

चारा घोटाला में सजा पा चुकल आ राजद गोल के अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव यूपी विधानसभा चुनाव में काल्हु से अपना दामाद के प्रचार क के समाजवादी गोल ला प्रचार करे के शुरुआत करीहें. जान जाईं जे बिहार में लालू के गोल का साथे सरकार चलावा वाला नीतीश कुमार एह चुनाव में कवनो गोल के

टटका खबर, 3 फरवरी 2017, शुक

उत्तर प्रदेश पर्यटन विभाग बस्ती में महान स्वतंत्रता संग्राम सेनानी महाराजा जालिम सिंह के किला अमौढा अउर बारहभिटिया समय माता मंदिर वगैरह जगहन के विकास आ सौन्दर्यीकरण प 70 लाख रुपिया से अधिका के खरचा करे के योजना बनवले बावे. पटना के पाटलिपुत्रा स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स में चलत 81वीं राष्ट्रीय सीनियर बैडमिंटन चैंपियनशिप के पुरुष एकल

टटका खबर, 31 जनवरी 2017, मंगल

यूपी में चाचा भतीजा के रार अबहीं ले थमल नइखे आ चुनाव बाद एकरा एक बेर फेरु फफके के अनेसा बन गइल बा. आजु जसवंतनगर विधानसभा सीट से सपा प्रत्याशी के रूप में आपन नामांकन दाखिल कइला का बाद ओहिजा बोलावल सभा में शिवपाल ऐलान कइलन कि 11 मार्च का बाद ऊ नेता जी संगे

टटका खबर, 28 जनवरी 2017

बिहार में फेरु भइल शिक्षा घोटाला. पर साल बिहार के बदनाम बोर्ड घोटाला का तरहे एगो नया घोटाला शिक्षा का क्षेत्र में भइल सामने आइल बा. बिहार विश्वविद्यालय में भइल एहू घोटाला के केन्द्र में वइसने रसूख वाला मौदूद बा जवना चलते ओकरा प केहू हाथ डाले के हिम्मत नइखे करत. ललन सिंह के नाम

टटका खबर, 9 जनवरी 2017

छपरा टीसन प आजु सबेरे मुम्बई से मुजफ्फरपुर जात पवन एक्सप्रेस के एगो कोच में तलाशी लेत रेल पुलिस का हाथे एगो झोरा लागल जवना के केहु दावेदार ना बनल. ओह झोरा से ढेरे असलहा बलामद भइल बा. सवारियन से पूछला से कुछऊ थाह ना लाग पावल. यूपी चुनाव घोषणा का बाद कानून व्यवस्था बनवले

बलिया न्यूज, 28 मई 2016

गोरखपुर में काल्हु केन्द्रीय मानव संसाधन विकास मंत्री स्मृति ईरानी, जहाजरानी अउर परिवहन राज्य मंत्री पी. राधाकृष्णन, आ गोरखपुर से भाजपा सांसद योगी आदित्य उज्जवला योजना के शुरूआत करवलें. एह याजना में गरीब परिवारन के बिना कवनो देम लिहले रसोई गैस के कनेक्शन दिहल जा रहल बा. एह मौका पर 25 गो गरीब परिवारन के

नाच देखत भीड़ के कचारत निकल भागल कार, 6 जने के मौत

देवरिया के गौरी बाजार इलाका के पननहा गांव में पूजा कार्यक्रम के दौरान होखत नाच देखे लोग के भीड़ जुटल रहे. कुछ लो9 सड़क का किनारे बइठल नाच देखत रहुवे तबले अचके में एगो कार सनसनात आइल आ एह लोग के कचारत भाग निकलल. एह हादसा से छह लोग के मौत हो गइल आ करीब

पीए के शुद्ध पानी ला पूर्वांचल के मिली 1583 करोड़

केंद्र सरकार पूर्वांचल समेत यूपी के दस जिलन में पीए के शुद्ध पानी के इंतजाम करावे ला 1583 करोड़ खरच करे के मंजूरी दे दिहलसि. एह में से 87 फीसदी केन्द्र सरकार दी जबकि 13 फीसदी खरच राज्य के करे पड़ी. इलाहाबाद, सोनभद्र, गाजीपुर, बलिया, कुशीनगर, देवरिया, गोरखपुर, बस्ती अउर बहराइच में होखे जात एह

Older Posts›› ‹‹Newer Posts