web analytics

देश दुनिया के खबर (शनिचर, 12 सितंबर 2015)

शनिचर का दिने दीहल अपना फैसला मे इलाहाबाद उच्‍च न्‍यायालय यूपी के करीब पौने दू लाख शिक्षा मित्रन के सहायक शिक्षक बना के नियमित सरकारी नौकरी देबे वाला आदेश के रद्द क दिहलसि. मुख्‍य न्‍यायाधीश डी वाई चन्‍द्रचूड़ के अध्‍यक्षता वाली पूर्ण पीठ के कहना बा कि सगरी बहाली गैर कानूनी तरीका से भइल बा … Read more

 166 total views

देश दुनिया के खबर (शुक, 11 सितंबर 2015)

शुक का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी चंडीगढ हवाई अड्डा पर एगो नया टर्मिनल के उद्घाटन कइलन. एह टर्मिलन से घरेलू आ अंतरराष्ट्रीय दुनू तरह के उडान भरल जाई. शुक का दिने प्रधानमंत्री मोदी उत्तराखंट के ऋषकेश, पंजाब हरियाणा के चंडीगढ़ आ यूपी के सहारनपुर में जनसभा के सबोधित करत बतवलन कि साल 2022 में सगरी … Read more

 192 total views

देश दुनिया के खबर (बियफे, 10 सितंबर 2015)

बियफे का दिने हिन्दी के अंतर्राष्ट्रीय सम्मेलन के संबोधित करत पीएम मोदी कहलन कि जरूरत बा कि हिन्दी के प्रौद्योगिकी में इस्तेमाल होखे जोग बनावल जाव. 32 बरीस बाद हिन्दुस्तान में होखत एह विश्व हिन्दी सम्मेलन के उद्घाटन करत पीएम के कहना रहे कि जल्दिए अंग्रेजी आ चीनी भाषा का बाद प्रौद्योगिकी में हिन्दी के … Read more

 198 total views,  2 views today

देश दुनिया के खबर (बुध, 9 सितंबर 2015)

बुध का दिने बलिया बंद करावत लोग पर मालगोदाम चौराहा पर एगो मोबाइल दुकान के मालिक आपन रिवाल्वर निकाल लिहलसि आ फायर झोंक दिहलसि. एह में दू जने के गोली लागल बा आ दुनू के हालत खराब बतावल जात बा. पूरा खबर अलग से दीहल गइल बा. बिहार विधानसभा चुनाव के सिंहा बाज गइल. बुध … Read more

 134 total views

देश दुनिया के खबर (मंगल, 8 सितंबर 2015)

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी मंगल का दिने उद्योगपतियन संग बइठक क के ओह लोग से रोजगार देबे वाला बिजनेस ला निवेश करे के कहलन. कहलन कि रोजगार के मौका देबे में आर्गनाइज्ड सेक्टर बहुते सक्षम बा आ बैंक एह लोग के सहायता करे. एह मौका पर वित्त मंत्री अरुण जेटलि के कहना रहल कि अस्थिरता के … Read more

 214 total views

देश दुनिया के खबर (सोमार, 7 सितंबर 2015)

वाराणसी से दिल्ली आवत एयर इंडिया के हवाई जहाज में उतरत बेरा आग लाग गइल बाकिर संजोग नीमन रहल कि सगरी 153 सवारी सुरक्षित बाड़ें. हालांकि उतरे का हड़बड़ी में कुछ लोग घवाहिल जरूर हो गइल. बतावल जात बा कि शायद उतरत बेरा ब्रेक लगवला से चक्का जाम हो गइल होखी आ ओकरे चलते आग … Read more

 146 total views

देश दुनिया के खबर (अतवार, 6 सितंबर 2015)

आजु पीएम मोदी फरीदाबाद मेट्रो के उद्घाटन करे मेट्रोवए से फरीदाबाद चहुँपलन आ एकर उद्घाटन कइलन. अब दिल्ली फरीदाबाद का बीच मेट्रो से आवाजाही होखे लागी जवना से फरीदाबाद के विकास बहुते तेज हो जाई. इंदिरा गाँधी सरकार का दौरान सैनिकन के मिले वाला एक रैंक एक पेंशन के बंद कर दीहल गइल रहुवे आ … Read more

 150 total views

देश दुनिया के खबर (शनिचर, 5 सितंबर 2015)

एक रैंक खातिर एक समान पेंशन के मांग करत सैनिकन के मुराद आजु पूरा हो गइल. बाकिर पलटनो में कुछ पलटिशियन घुस गइल बाड़न स आ ऊ नइखन चाहत सँ कि एह मसला के हल आराम से निकल सको. इन्दिरा गाँधी के राज में हटावल गइल एह व्यवस्था के फेरू से शुरु ना कइल जा … Read more

 210 total views

देश दुनिया के खबर (शुक, 4 सितंबर 2015)

पीएम मोदी आजु खुलेआम संघ का बइठक में शामिल भइलन आ ओहिजा अपना संबोधन मे कहलन कि उनुका स्वंयसेवक होखला के गर्व बा. देश के भंड़ुआ मीडिया जवन कबो मनमोहन सिहं के सोनिया दरबार में हाजिरी पर सवाल ना उठवलसि, पोप भा बुखारी का दुआरी सोनिया के माथा टेकला के अनदेखी करत रहल पिछला तीन … Read more

 226 total views

देश दुनिया के खबर (बियफे, 3 सितंबर 2015)

भारत आ ऑस्ट्रेलिया का बीच रक्षा अनुसंधान आ सामान सहयोग ला मिलजुल के कार्यदल बनावे समेत अनेके नया पहल करत प्रतिरक्षा भागीदारी के मजबूत करे के फैसला भइल बा. दुनू देश हिंद महासागर क्षेत्रो में समुद्री सुरक्षा खातिर आपस में सहयोग करीहें. दुनू देश मिल जुल के वायुसेना आ नौसेना अभ्यास करे वाला बाड़े. राष्ट्रीय … Read more

 140 total views

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (अतवार, 22 मार्च 2015)

(शनिचर, 21 मार्च के खबर) यूपी के मेरठ का हासिमपुरा में साल 1987 का दंगा का बेरा 42 लोग के हत्या के मुकदमा पीएसी के जवानन पर लगावल गइल रहे. शिकायत रहे कि ई लोग एके समुदाय के 42 जने के उठा लिहल आ राह में सभके मार दिहलस. बाकिर अदालत में एह लोग का … Read more

 411 total views

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (शनिचर, 21 मार्च 2015)

(शुक 20 मार्च के खबर) चैती नवरात्र आजु शनिचर से शुरू होखत बा आ एही दिन से हिन्दू नया साल के शुरुआत हो जाई. एही नवरात्र में चैती छठ आ रामनवमी पर्वो मनावल जाई. साँझ वाला अरघ 25 मार्च के, सबेरे वाला अरघ 26 मार्च के आ रामनवमी 28 मार्च के मनावल जाई. चैत नवरात्र … Read more

 528 total views