web analytics

नक्सलियन के हमला में नौ गो जवान शहीद

सुकमा, 13 मार्च (वार्ता). छत्तीसगढ़ के सुकमा जिला के क्रिस्टाराम इलाका में आजु नक्सलियन के बारूदी सुरंग धमाका से सीआरपीएफ के नौ गो जवान शहीद हो गइले आ दू गो घवाहिल हो गइले. पुलिस से पता चलल कि सुकमा जिला मुख्यालय से लगभग साठ किलोमीटर दूर नक्सली एह घटना के दुपहरिया में अंजाम दिहलें. एकरा … Read more

Loading

टटका खबर 13 सितंबर 2014

टटका भारत गोरक्षनाथ मंदिर के बड़का महंत अवेद्यनाथ जी गोलोकवासी हो गइनी. शुक का साँझ 97 साल का उमिर में गुड़गांव के मेदांता अस्पताल में उहाँ के मौत हो गइल. महंत अवेद्यनाथ योगी आदित्यनाथ के राजनीतिको गुरू रहनी. गोरखपुर से चार बेर सांसद रहल महंत अवेद्यनाथ के जनम 28 मई 1921 का दिने भइल रहे. … Read more

Loading

पूर्वी चंपारण से नक्सली गिरफ्तार

पूर्वी चंपारण के मधुबन इलाका के बंजरिया गाँव से पुलिस मंगल का दिने एगो नक्सली एरिया कमांडर दिनेश पंडित के हथियार आ नक्सली साहित्य का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि.

Loading

पूर्वी चंपारण के राजेपुर में नक्सलियन का खिलाफ छापेमारी में कुछ हाथे ना लागल

शुक का दिने पुलिस के जानकारी मिलल कि राजेपुर इलाका के चक्की भुड़कुड़वा गांव में नक्सलियन के बिटोर भइल बा आ नक्सली कवनो बड़हन घटना करे का तइयारी में बाड़न. एकरा बाद पुलिस पूरा तइयारी क सथे छापा मरलसि बाकिर तबले नक्सली ओहिजा से परा चुकल रहले.

Loading

नक्सली जोनल कमांडर प्रहार के छपरा पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि

पिछला सोमार का रात परसा थानाध्यक्ष बलिगाँव के गंडक दियारा इलाका से बाड़ीचक सुरेमनपुर के चंदेश्वर सहनी के गिरफ्तार कर लिहलें. चंदेश्वर सहनी नक्सलियन का बीच प्रहार का नाम से जानल जाला आ जोनल कमांडर ह नक्सलियन के. एह खातिर थानाध्यक्ष के पचीस हजार रुपिया इनाम देबे के अनुशंसा भेजले बाड़न छपरा एसपी.

Loading

नक्सलियन के बिछावल बारूदी सुरंग विस्फोट में आठ लोग के जान गइल

गया जिला के बारा मोड़ का लगे आजु शुक का दुपहरिया में नक्सलियन के बिछावल बारूदी सुरंग में विस्फोट हो गइल जवना से एगो पुलिस गश्ती वाहन के चिंदी चिंदी उड़ गइल. वाहन पर सवार आठ लोग के मरे के खबर बा. गश्ती दल रौशनगंज थाना से शेरघाटी जात रहुवे.

Loading