नारद राय
अखिलेश के राहुल से साथ से खिसियाइल मुलायम सिंह आजु एलान क दिहलन कि ऊ एह गठबन्हन ला प्रचार ना करीहन. कहलन कि एकर कवनो जरुरत ना रहल आ सपा अकेले सरकार बनावे लायक जीत हासिल क लीत अब पाँच बरीस के मौका गँवा दिहलन अखिलेश. उनुका इहो शिकायत बा कि कई लोग के टिकट
बलिया नगर से विधायक आ सपा सरकार में मंत्री रहल नारद राय का खिलाफ फर्जीवाड़ा करे का आरोप में आखिरकार केस लिखे के पड़ गइल बलिया पुलिस के. नारद राय पर आरोप बा कि उ अपना चुनाव के परचा में गलत जानकारी दिहले बाड़न. साल भर पहिले पूणे में एगो नाबालिग से कुकर्म के अछरंगी
यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आजु अपना आठ गो मंत्रियन के निकला बाहर क दिहलें आ नौ जने से विभाग छीन लिहलें. निकाल बाहर कइल गइल मंत्रियन में बलिया के नारद राय आ अम्बिका चौधरी का साथही भगवत शरण गंगवार, शिवकुमार बेरिया, शिवाकांत ओझा, योगेश प्रताप सिंह, आलोक कुमार शाक्य, आ अरिदमन सिंह शामिल बाड़ें.
राज्य के खेलमंत्री नारद राय आजु जौनपुर में राज्यस्तरीय फुटबाल प्रतियोगिता के उद्घाटन करत कहलें कि पूर्वांचल में जल्दिए सपोर्ट्स हास्टल बनावल जाई आ नगर पालिका स्तर पर स्टेडियम बनावल जाई. नारद राय के कहना रहे कि क्रिकेट का चलते देश के दोसर परम्परागत खेलन के बहुते नुकसान पहुंचल बा आ गँवई इलाकन में खेल
बलिया विधायक नारद राय यूपी के कैबिनेट मंत्री बनला का बाद पहिला बेर बलिया अइलें त उनुका स्वागत में उमड़ल भीड़ से जगहे जगह जाम लाग गइल. जानकार लोग बतावत बा कि आजु ले बलिया में कवनो नेता के अइसन स्वागत ना भइल रहे. एह भीड़ भाड़ में एक बेर नारद राय चक्कर खा गिर
आजु सबेरे भइल मंत्रिमंडल विस्तार में अखिलेश यादव दू गो विधायकन के कैबिबेट मंत्री बनवले जबकी दू गो राज्यमंत्रियन के प्रोमोशन दिहलें. बलिया विधायक नारद राय आ गाजीपर विधायक कैलाश यादव के नया कैबिनेट मंत्री बनावल गइल. अमेठी से विधायक गायत्री प्रजापति के राज्यमंत्री स्वतंत्र प्रभार आ राज्यमंत्री राममूर्ति वर्मा के कैबिनेट मंत्री बना दिहल
एगो अचानक बनल संभावना बा कि आजु बलिया से सपा विधायक नारद राय के मंत्री पद के शपथ दिआवल जा सकेला. ढेर दिन से उम्मीद में बइठल नारद राय के समर्थक एह खबर से उछाह में बाड़ें आ बहुते लोग लखनऊ खातिर प्रस्थान कर चुकल बा. आजु साँझ मंत्रिमंडल विस्तार हो सकेला. हालांकि बाद में
बलिया के नगर विधायक आ सपा नेता नारद राय के ई बाति बहुते नागवार गुजरल बा कि जिलाधिकारी उनका बारे में ई कइसे कह दिहलन कि विधायक के जिलाधिकारी से बतियावल चाहत रहे आ खुद जा के अस्पताल में चलत निर्माण कार्य रोकवावे के कवनो जरूरत ना रहल. विधायक के कहना बा कि जिलाधिकारी के
बलिया जिला पैकफेड के इंजीनियर हंदयानंद चौबे नगर विधायक नारद राय का खिलाफ थाना में शिकायत दर्ज करवले बाड़न कि विधायक उनुका से मारपीट कइलन, धमकवलन आ निर्माण कार्य में रुकावट पैदा कइलन. ओने इंजीनियर का खिलाफ सपा नेता भीम सिहं शिकायत लिखववले बाड़न कि निर्माण कार्य में गड़बड़ी कर के रुपिया गबन कइल जात