Go to ...
RSS Feed

नालंदा विश्वविद्यालय

टटका खबर 13 सितंबर 2014

टटका भारत गोरक्षनाथ मंदिर के बड़का महंत अवेद्यनाथ जी गोलोकवासी हो गइनी. शुक का साँझ 97 साल का उमिर में गुड़गांव के मेदांता अस्पताल में उहाँ के मौत हो गइल. महंत अवेद्यनाथ योगी आदित्यनाथ के राजनीतिको गुरू रहनी. गोरखपुर से चार बेर सांसद रहल महंत अवेद्यनाथ के जनम 28 मई 1921 का दिने भइल रहे.

नालंदा अंतर्राष्ट्रीय विश्वविद्यालय में साल २०१४ से पढ़ाई

नालंदा अंतर्राष्ट्रीय विश्वविद्यालय के नियंत्रक परिषद के बइठकी आजु अमर्त्य सेन का मौजूदगी में भइल. एह बइठकी में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सुझाव दिहलन कि एहिजा अर्थशास्त्र आ बेसिक सांइसो के पढ़ाई होखे के चाहीं. दुनिया के कई देश से मिलत आर्थिक सहायता से बने जात एह विश्वविद्यालय खातिर बिहार सरकार पहिलही जमीन दे दिहले बिया.