Go to ...
RSS Feed

नीतीश कुमार

हवन पर रोक से नाराज नीतीश कुमार नीतीश कुमार के चप्पल मरलसि

आजु पटना में होखत जनता दरबार के दौरान मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पर एगो नवही चप्पल फेंक के मरस़लसि जवन मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के छाती पर लागल. नवही के निशाना आ रफ्तार अइसन रहे कि केहु कुछ समझि पावे तब ले ऊ आपन काम क लिहलसि. गनीमत इहे रहल कि एह घटना के कवनो कैमरा पकड़ि

बिहार में अपराधियन के पौ बारह

लालू प्रसाद के राजद संगे गठबन्हन क के जीतल नीतीश कुमार के नयका सरकार का बनला का बाद से बिहार के हालात जंगल राज जइसन हो गइल. रोजे कहीं ना कहीं से लूट, अपहरण, डकैती, हत्या के खबर आवे लागल बा. अइसन आरोप आजु बिहार भाजपा के बड़का नेता सुशील कुमार लगवलें आ कहलन कि

बिहार के दू सौ पटेल गुजरात के जेल भर दीहें

गुजरात के बवाली नेता हार्दिक पटेल के समर्थन में बनल बिहार के अखिल भारतीय पटेल नवनिर्माण सेना के दू सौ लोग गुजरात जा के गिरफ्तारी दी आ गुजरात के जेल भर देेबे के कोशिश करी. संगठन के बिहार प्रदेश अध्यक्ष राजीव रंजन पटेल के कहना बा कि मुख्यमंत्री नीतीशे कुमार देश भर के लव-कुश वंशजन

नीतीश के किरिया धराई समारोह में भाजपा के जयचंदन के नेवता

बिहार के मुख्यमंत्री पद के किरिया धराई समारोह 20 तारीख के पटना के गाँधी मैदान में करावल जाई. एह मौका पर कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी, राहुल गाँधी, अखिलेश यादव, ममता बनर्जी, मुलायम सिंह यादव, अरविंद केजरीवाल, आ नवीन पटनायक का साथही भाजपा के जयचंद बन गइल शत्रुघ्न सिन्हा आ लालकृष्ण आडवाणियो के नेवतल गइल बा.

महागठबन्हन के नेता चुनइले नीतीश

आजु शनिचर का दिने महागठबन्हन के विधायक आ विधानपार्षदन के मौजूदगी में नीतीश कुमार के दुनू सदन के नेता चुन लीहल गइल. एकरा बाद नीतीश कुमार राज्यपाल से भेंट क के सरकार बनावे के दावा पेश कइलन. किरिया धराई समरोह 20 तारीख के पटना के गाँधी मैदान में करावल जाई. नीतीश के नाम के प्रस्ताव

छठ से पहिले किरिया ले लीहन नीतीश कुमार

बिहार के पाँचवा बेर मुख्यमंत्री बने जात नीतीश कुमार छठ का पहिले मुख्यमंत्री पद के किरिया ले सकेलें. बाकिर सुने में आवत बा कि लालू प्रसाद के परिवार में भनभन शुरु हो गइल बा. लालू के दुनू बेटा विधायक बन गइल बाड़ें आ बेटी मीसा भारती लोकसभा चुनाव हरला का बावजूद राजनीतिक आकाक्षा पोस के

पीएम भाषण में उठवले तांत्रिक के मुद्दा

आजु अतवार का दिने सारण जिला के मढ़ौरा में भाजपा के चुनाव सभा के संबोधित करत पीएम मोदी कहलन कि परम आदरणीय लोकतांत्रिक नीतीश बाबू आ परम आदरणीय हिंदुस्‍तान के सबले बड़ तांत्रिक होखे के दावा करे वाला लालू जी, बिहार के जनता रउरा से पूछल चाहत बिया कि बिहार के नवहियन के बाहरी के

लालू से पीछा छुड़ावे खाति तांत्रिक का शरण में चहुँपले नीतीश

भाजपा नेता गिरिराज सिंह एगो वीडियो क्लिप जारी कइले बाड़न जवना में नीतीश कुमार एगो तांत्रिक के शरण में चहुँपवल देखावल गइल बाड़े. मकसद रहुवे लालू से जान छोड़ावे के आ तांत्रिक लालू मुर्दाबाद के नारा लगावत देखावल गइल बा ओह वीडियो में. अब जदयू के कहना बा कि वीडियो क्लिप का साथे छेड़खानी कइल

बाँझ ना जाने परसवती के पीड़ा

चुनाव मैदान में ना उतरल बाकिर मुख्यमंत्री पद ला दावेदारी करे वालन पर तंज कसत बिहार के मुख्यमंत्री रहल जीतन राम माँझी कहलन कि ई लोग ओह बाँझ मेहरारू का तरह बा जेकरा मालूमे ना होखे कि परसवती के पीड़ा कइसन आ कतना होले. जान जाईं कि ना त राबड़ी देवी चुनाव लड़त बाड़ी ना

टटका खबर (शुक, 18 सितंबर 2015)

यूपी के पौने दू लाख शिक्षा मित्रन के तोस देत पीएम मोदी के कहना बा कि एह मसला पर हाई कोर्ट के फैसला आवे दीहल जाव आ ओकरा बाद रास्ता निकाल लीहल जाई. घबड़ाए जिन लोग. शुक का दिने वाराणसी के यात्रा पर आइल पीएम मोदी अपना संसदीय क्षेत्र वाराणसी के पूरा बदल देबे के

टटका खबर : शनिचर, 25 जुलाई 2015 (दुपहरिया)

आजु शनिचर का दिने बिहार चहुँपल पीएम मोदी बिहार खातिर सौगात के पिटारा लेके आइल बाड़न आ 76 हजार करोड़ के योजना के शुुरुआत करे वाला बाड़न. उनुका साथे सरकारी कार्यक्रम में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमारो मौजूद रहीहें मंच पर. पीएम बनला का बाद पहिला बेर बिहार आइल नरेन्द्र मोदी आ बिहार के मुख्यमंत्री

लालू गबड़ा गइलें आ नीतीश घबड़ा ग‎इले

मानीं त विधान परिषद के 24 गो सीट खातिर करीब पूरा बिहार में करावल गइल चुनाव विधानसभा चुनाव से दू महीना पहिले करावल सर्वेक्षण कहल जा सकेला. अतना बढ़िया सैम्पल शायदे कवनो सर्वे में होला जवना में समाज के हर वर्ग, हर उमिर, आ हर तरह के लोग शामिल रहल. परिषद चुनाव के वोटर कवनो

खबर भोजपुरी में (मंगल, 9 जून 2015)

सत्ता में आवे खातिर लालू यादव जहरो पी लीहें. काल्हु सोमार का दिने दिल्ली में उनुका मौजूदगी में मुलायम सिंह यादव नीतीश कुमार के बिहार विधानसभा चुनाव में मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार बनावे के एलान क दिहलें. एह पर लालू के कहना रहुवे कि बिहार में भाजपा के रोके आ जनता परिवार के सरकार बनावे

टटका खबर, (अतवार, 15 मार्च 2015)

(शनिचर, 14 मार्च के खबर) श्रीलंका में आपसी लड़ाई से तबाह बरबाद जाफना में बेआसरा हो गइल परिवारन खातिर भारत के सहजोग से बनावल 27 हजार मकान के सँउपलन भारत के पीएम नरेन्द्र मोदी. कहलन कि ई काम दुखी परिवारन के दुख-दर्द में शरीक होखे के, ओह लोग के मदद करे के एगो आदरप्यार भरल

भोजपुरी पट्टी के खबर (बियफे, 12 मार्च 2015)

(बुध, 11 मार्च के खबर) इलाहाबाद जिला कचहरी में बुध का दिने एगो दरोगा से कुछ वकील के कहा सुनी हो गइल. बाद में सीढ़ी पर धक्का मुक्की में नीचे फेंकाए के अनेसा देखत आपन जान बचावे ला दरोगा अपना सर्विस रिवाल्वर से गोली चला के एगो वकील के मार दिहलसि. बाद में खिसियाइल वकील

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (सोमार, 23 फरवरी 2015)

(अतवार, 22 फरवरी के खबर) राजभवन में आयोजित एगो सादा समारोह में नीतीश कुमार चउथा बेर बिहार के मुख्यमंत्री के किरिया लिहलन. उनुका संगे 22 गो मंत्रियनों के किरिया धरावल गइल. एह मौका पर पीएम रह चुकल देवगोडा आ तीन गो मुख्यमंत्रीओ – ममता बनर्जी, अखिलेश यादव, आ तरुण गोगोई – मौजूद रहलें. रमई राम

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (अतवार, 22 फरवरी 2015)

(शनिचर, 21 फरवरी के खबर) अतवार के साँझ जदयू नेता नीतीश कुमार चउथा बेर बिहार के मुख्यमंत्री पद के किरिया खइहें. अपने बनावल मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी के उखाड़ के नीतीश फेरू कुरसी हथियवले बाड़न. आ अबकि उनका चारा घोटाला आ जंगल राज खातिर जानल जाए वाला लालूओ प्रसाद के समर्थन बा. ढेर दिन बाद

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (शनिचर, 21 फरवरी 2015)

(शुक, 20 फरवरी के खबर) Audio – TatkaKhabar-20-Feb-15 बिहार में विधानसभा अध्यक्ष के बेवहार देखत, अपना समर्थक विधायकन के मिलत धमकी, आ गुप्त मतदान करावे से मना कइला का बाद मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी विश्वास मत लेबे से पहिलहीं राज्यपाल के आपन इस्तीफा सँउप दिहलन. बाद में राज्यपाल नीतीश कुमार के नयका मुख्यमंत्री बने आ

खबर भोजपुरी में (बुध, 11 फरवरी 2015)

(मंगल, 10 फरवरी के खबर) दिल्ली विधानसभा सभा में मिलल बड़हन जीत का बाद आआपा के विधायक अपना संयोजक अरविंद केजरीवाल के आपन नेता चुन लिहले. अब केजरीवाल उपराज्यपाल से मिले जइहें आ सरकार बनावे के दावा पेश करीहें. 14 फरवरी के रामलीला मैदान में शपथ ग्रहण करे के योजना बा. आआपा एह चुनाव में

बीस बरीस बाद जंगलराज वाला लालू आ सुशासन बाबू नीतीश एके मंच प

अतवार का दिने छपरा के रामजयपाल सिंह यादव कालेज का मैदान मे लालू प्रसाद आ नीतीश कुमार एक मंच प मौजूद रहले. विधानसभा चुनाव मे भाजपा के हरावे खातिर दुनू जने वइसही एके साथ हो गइल बाड़े जइसे बाढ़ का चलते साँप आ नेउर एके गाछ पर शरण ले लेले. कबो लालू के जंगल राज

Older Posts›› ‹‹Newer Posts