नीतीश कुमार
(शुक, 20 फरवरी के खबर) Audio – TatkaKhabar-20-Feb-15 बिहार में विधानसभा अध्यक्ष के बेवहार देखत, अपना समर्थक विधायकन के मिलत धमकी, आ गुप्त मतदान करावे से मना कइला का बाद मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी विश्वास मत लेबे से पहिलहीं राज्यपाल के आपन इस्तीफा सँउप दिहलन. बाद में राज्यपाल नीतीश कुमार के नयका मुख्यमंत्री बने आ
(मंगल, 10 फरवरी के खबर) दिल्ली विधानसभा सभा में मिलल बड़हन जीत का बाद आआपा के विधायक अपना संयोजक अरविंद केजरीवाल के आपन नेता चुन लिहले. अब केजरीवाल उपराज्यपाल से मिले जइहें आ सरकार बनावे के दावा पेश करीहें. 14 फरवरी के रामलीला मैदान में शपथ ग्रहण करे के योजना बा. आआपा एह चुनाव में
अतवार का दिने छपरा के रामजयपाल सिंह यादव कालेज का मैदान मे लालू प्रसाद आ नीतीश कुमार एक मंच प मौजूद रहले. विधानसभा चुनाव मे भाजपा के हरावे खातिर दुनू जने वइसही एके साथ हो गइल बाड़े जइसे बाढ़ का चलते साँप आ नेउर एके गाछ पर शरण ले लेले. कबो लालू के जंगल राज
बिहार के मुख्यमंत्री आ सुशासन बाबू के प्रिय नमूना जीतन माँझी अपना अय्याश बेटा के तरफदारी मे उतर गइल बाड़े. कहतारे कि गर्ल फ्रेंड त केहू राख सकेला, एहमे नाजायज का बा. असल मे जीतन माँझी के बेटा पिछला दिने बोधगया मे अपना माशूका का संगे आनन्द उठावत लोग का सोझा आ गइलन. बाप के
लोकसभा चुनाव 2014 में कड़ेर हार झेलला से दुखी बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु सनिचर का दिने मुख्यमंत्री पद से इस्तीफा दे दिहलन आ राज्यपाल से निहोरा कइलन कि बिहार विधानसभा भंग क दिहल जाय. जानकार लोग के ककहना बा कि नीतीश के अनेसा बा कि उनकर पार्टी जदयू के विधायक बड़हन संख्या मे
अतवार का दिने बिहार सरकार चलावत जदयू के गोहार पर बिहार बंद रही. जब खुद मुख्यमंत्री बंद के गोहार लगावसु त कुछ खुलल कइसे रहि जाई. शनिचर का दिने बिहार में जगहे जगहे मशाल जुलूस निकालल गइल आ साँझि के थरिया पीटल गइल. नीतीश कुमार के कहना बा कि केन्द्र चाहे त 24 घंटा मे
बियफे का सबेरे नीतीश प हमला बोलत शिवानंद तिवारी कहलन कि राजद में टूट के सूत्रधार नीतीशे हउवन ना त एह तरह आनन फानन में बागी गुट के मान्यता ना दिहले रहीतन विधानसभा अध्यक्ष. कहलन कि नीतीश के सरकार अल्पमत में बिया आ एही बेचैनी में उ राजद में बँटवारा करवा दिहलन. बाकिर शिवानंद के
पटना 29 जनवरी (वार्ता) राज्यसभा के दुबारा उम्मीदवार ना बनवला का चलते जदयू: के बड़का नेता शिवानंद तिवारी नाराज हो गइल बाड़न आ लोकसभा चुनाव लड़े से इंकार क दिहले बाड़न. उनुकर कहना बा कि नीतीश उनुका के बक्सर से लोकसभा चुनाव लड़वा के हरवावल चाहत बाड़न. नीतीश के नीयत उनुका बोली से झलकत बा
मुजफफरपुर 17 जनवरी (वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार ने आज बूढ़ी गंडक नदी पर सोड़ा गोदाम आ अहियापुर के बीच पहुंच पथ समेत दू लेन के उच्चस्तरीय आरसीसी पुल बनावे के काम के शुरुआत करवला का बाद एगो समारोह के संबोधित करत कहलन कि रा्ज्य मे बिजली के हालात सुधारे ला हर सब डिविजन
पटना 13 जनवरी (वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार लोकसभा चुनाव मे कवना पार्टी से गठजोड़ करीहन से बतावे ला तइयार नइखन. कहलन कि एह राज के अबहीं राजे रहे दीं सभे. नीतीश कुमार अपना सरकारी आवास प बोलावल जनता दरबार का बाद पत्रकारन से बतियावत रहलन. कहलन कि एह बारे मे अबही कुछ बोलल
पटना 06 जनवरी (वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार राजद प अछरंग लगवले कि उ बिहार के विशेष राज्य के दर्जा मामिला में राजनीतिक अड़ंगा लगा दिहलसि. कहलन कि राजद के दबाव का चलते कांग्रेस के नेतृत्व वाली केन्द्र सरकार एह मामिला के कोना में डाल दिहलसि. बाकिर जदयू एकरा के अगिला चुनाव में मुद्दा
पटना 19 दिसम्बर (वार्ता) सूरत के अरबपति व्यवसायी हनीफ हिंगोरा के बेटा सोहैल के अपहरण का मामिला में बिहार के एगो मंत्री के शामिल होखे के खबर अइला का बाद आपन चुप्पी तूड़त नीतीश कुमार कहले बाड़न कि पुलिस मामिला के तह ले जाई आ दोषियन के बकसल ना जाई. सोहैल के अपहरण दमन से
गाजीपुर 10 नवम्बर (वार्ता) भाजपा के राष्ट्रीय मंत्री रामेश्वर चौरसिया बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पर निशाना साधत कहले कि बिहार आतंकियन के गढ बन गइल बा. एहिजा भाजपा कार्यकर्तन के संबोधित करत चौरसिया कहलन कि उत्तर प्रदेश में नरेन्द्र मोदी के हवा देख सगरी गोल बउरा गइल बाड़ी सँ. बहराईच रैली में मोदी प्रदेश
पटना 06 नवम्बर (वार्ता) बिहार में बाहर से आ के केहू विकास ना कर सके वाला मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के बयान पर भाजपा चुटकी लेत पुछले बिया कि उनकर इशारा जार्ज फर्नांडीस, सांसद शरद यादव, आ राज्यसभा सदस्य के सी त्यागी का ओर त नइखे. भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष मंगल पांडेय कहलन कि मुख्यमंत्री के
पटना 30 अक्तूबर (वार्ता) बिहार के उपमुख्यमंत्री रहल आ भाजपा: के बड़ नेता सुशील कुमार मोदी आरोप लगवलन कि बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार नरेन्द्र मोदी से निजी दुश्मनी आ जरतवाही का चलते राज्य के लाखो लोग के जान खतरा मे डाल दिहलन. सुशील मोदी आरोप लगवलन कि हुंकार रैली मे जानबूझ के सुरक्षा के
राजगीर.नालंदा. 29 अक्टूबर, बिहार मे सत्तारूढ़ जदयू के चिंतन शिविर मे मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प उनुके पार्टी के एगो नेता जोरदार हमला कइले आ एगो दोसर नेता नरेन्द्र मोदी के जम के तारीफ कइले. जदयू के दू दिन के चिंतन शिविर में नीतीश कुमार नरेन्द्र मोदी पर जम के हमला बोलले आ मोदी के झूठा,
पटना 21 अक्टूबर (वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री रहल आ राजद नेता राबड़ी देवी के कहना बा कि विधि व्यवस्था ला चुनौती बनल लालकृष्ण आडवाणी के रथ के जवना तरह साल 1990 मे तब के मुख्यमंत्री लालू प्रसाद यादव रोक दिहले ओइसन हिम्मत नीतीश कुमार नइखन देखा पावत कि पटना आवत नरेन्द्र मोदी के रोक देसु.
पटना 21 अक्टूबर (वार्ता) कांग्रेस आज बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के विकास के दावा के फोंफर बतावत कहलसि कि जइसन विकास राज्य के पहिला मुख्यमंत्री श्रीकृष्ण सिंह के कार्यकाल मे भइल रहे वइसन अबले कवनो दोसर मुख्यमंत्री के कार्यकाल मे ना हो पावल. कांग्रेस के वरिष्ठ नेता आ ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश एहिला
बिहार के उप मुख्यमंत्री रहल आ भाजपा के वरिष्ठ नेता सुशील कुमार मोदी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ उनुका पार्टी जदयू के सांसद शिवानंद तिवारी पर अरबो रूपिया के चारा घोटाले मे सनाइल होखे के आरोप लगावत दुनु जने का खिलाफ मुकदमा चलावे के माँग कइले. चारा घोटाला के सीबीआई जांच करावे खातिर पटना उच्च न्यायालय
बिहार के मुख्यमंत्री रह चुकल राबड़ी देवी आजु फेरु कहली कि उनका पति आ :राजद:अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव के साजिश का तहत चारा घोटाला मे फंसाके सजा दिआवल गइल बा. बाकिर ऊ जनता का नजर में हीरो हउवे आ आगहू हीरो रहीहें. राबड़ी देवी के कहना रहल कि लालू का खिलाफ चारा घोटाला मे ना
Older Posts››
‹‹Newer Posts