Go to ...
RSS Feed

नीतीश कुमार

तिसरका मोर्चा का बारे में जदयू अबहीं ले नइखे सोचले कहले नीतीश कुमार

आजु पटना में लगावल जनता दरबार का बाद पत्रकार सम्मेलन में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलें कि जदयू अबहीं ले तिसरका मोर्चा का बारे में कवनो फैसला नइखे कइले आ सही समय पर फैसला कर लिहल जाई. अक्टूबर में जदयू के विधानसभावार सम्मेलन तय बा. ओकरा बादे एह बारे में फैसला लिहल जाई,. काल्हु

बदमिजाज बयान पर सगरो थूथू होखत बा

पिछला दिने जम्मू काश्मीर के पूंछ इलाका में पाकिस्तानी सेना के कायराना हमला में मरल बिहार के चार गो सैनिकन के बिहार सरकार दस दस लाख रुपिया के सहायता के एलान कइले रहुवे. भोजपुर के हरनही गाँव के शहीद शंभूशरण राय के घरे जा के खाद्य आपूर्ति मंत्री श्याम रजक उनका पत्नी के दस लाख

बिहार भाजपा पर नीतीश के राजनीति तमाशा शुरू करवलसि

दरभंगा जिला के हायाघाट से भाजपा विधायक अमरनाथ गामी सुशील कुमार मोदी का खिलाफ अतना बयानबाजी कइलन कि भाजपा उनुका के निलंबित कर दिहलसि. गामी का साथे जाले के विजय कुमार मिश्र, मोहिउद्दीन नगर के राणा गंगेश्वर सिंह, कुशेश्वरस्थान के शशिभूषण हजारी, गायघाट के वीणा देवी, चिरैया के अवनीश कुमार सिंह समेत कुछ अउर विधायक

दुश्मनी का बाद दोस्ती

कहल गइल बा कि दुश्मनी अइसन होखे के चाहीं कि अगर कबो फेर से दोस्त बने के माहौल बन जाव त लाज ना लागे. नीतीश कुमार के भरपूर लानत मलानत करे वाला ललन सिंह आखिरकार आपन गलती मानत नीतीश संगे सट गइलें. लखीसराय में एगो समारोह में दुनु नेता मंच पर मौजूद रहलें. ललन सिंह

बजट का बहाने बिहार में राजनीति गरमाइल

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एह साल के बजट पर वित्त मंत्री पी चिदम्बरम के बधाई दिहले बाड़न. खास कर के एह बात ला कि विशेष राज्य के दर्जा देबे खातिर मापदंड बदले के बात कहले बाड़न वित्त मंत्री. दोसरा तरफ उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी बजट के बेकार बतवले बाड़न. जानकार कहत बाड़न कि बिहार के राजनीति एह

नीतीश कहलन कि सत्‍ता खातिर गिड़गिड़ात बाड़ें लालू

बिहार के मुख्‍यमंत्री नीतीश कुमार विधानसभा में सरकार के पक्ष राखत कहलन कि ऊ मैदान छोड़ के भागे वालन में से ना हउवन. लोग के सेवा करे आइल बाड़न आ करत रहीहें. कहलन कि आजुकाल्हु लालू प्रसाद यादव लोग का सोझा गिड़गिड़ाए में लागल बाड़न कि उनुका के जल्दी से सत्ता में बइठावे लोग.

बढ़त बवाल देखि नीतीश रोक दिहलन आपन अधिकार यात्रा

मधुबनी में पुलिस फायरिंग में दू गो छात्रन के मौत का बाद लगातार बढ़त जनता के खीसि देखि नीतीश कुमार आपन अधिकार यात्रा रोक दिहलन. कहले कि अब पटना में रहि के हालात पर नजर रखीहें. यात्रा के अगिला पड़ाव आरा आ बक्सर मे् होखे वाला रहल. नीतीश सरकार के सहयोगी भाजपो के कहना रहल

मुख्यमंत्री के आदेश से लड़िकियन के ओढ़नी उतरवा लिहलसि पुलिस

अपना विकास यात्रा में जगहे जगह विरोध आ करिया कपड़ा देखवला से नाराज बिहार के मुख्यमंत्री के निर्देश पर पुलिस केहु के करिया कपड़ा पहिरले उनुका सभा मे नइखे आवे देत. इहाँ ले कि छाता तक रोक लिहल जात बा. हद त ई हो गइल बा कि लड़िकियन के करिया ओढ़नीओ उतरवा लिहल जात बा.

‹‹Newer Posts