web analytics

लालू आ नीतीश के राहत के साँस लेबे के मौका मिल गइल

काल्हु सबेरे से रिपब्लिक टीवी प आइल खुलासा का बाद लालू आ नीतीश केा मुँह से आवाज ना निकलत रहल ह. दूनू जने के बुझात नइखे कि एह फाँस से कइसे निकलल जाव. नीतीश के हालत त साँप छछून्दर वाला हो गइल बा. अगर लालू प एक्शन लेत बाड़न त उनुकर सरकार जात बा आ … Read more

 23 total views

ना अति बोलता ना अति चुप

एगो भोजपुरी कहावत ह कि – ना अति बरखा, ना अति धूप ना अति बोलता ना अति चुप. आजु अरनब गोस्वामी के चैनल रिपब्लिक टीवी के शुरुआत का भइल, कपार पाक गइल बा. सबेरे दस बजे जवन खुलासा भइल ओही प सूई अटक गइल बा आ पता ना कई सौ बेर एके बतिया दोहरवले जात … Read more

 24 total views,  1 views today

खत्तम है : माफिया, घोटालेबाज आ एगो गुलाम के कहानी

अरनब गोस्वामी के चैनल रिपब्लिक टीवी के आजु शुरूआत हो गइल आ पहिलके दिने, पहिलके खबर से देश के राजनीतिक माहौल में भूंईडोल हो गइल. सभे जानेला आ मानेला कि चारा चोर घोटालेबाज लालू सिवान के माफिया शहाबुद्दीन के नाज नखरा उठावे वाला हउवन. बाकिर आजु जब एही बात के ई चैनल सप्रमाण जनता का … Read more

 24 total views

नोटबन्दी प जदयू के समर्थन अबहियों जारी बा

बिहार जदयू के अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह आजु पटना में कहलन कि नोटबन्दी का समर्थन में उनकर गोल अबहियों टिकल बा. एह महीना का बाद हालात पर विचार कइल जाई. जान जाईं कि जदयू जवना महागठबन्हन में शामिल बा तवना के दू गो गोल – कांग्रेस आ राजद – नोटबन्दी से छनछनाइल बाड़ें. बाकिर जदयू … Read more

 15 total views,  1 views today

छपरा न्यूज, 16 अक्टूबर 2016, अतवार

भसान का बाद अब पूजा समितियन पर मुकदमा शुरू होखे के दौर दूर्गा पूजा बीतला आ मूर्तिभसान हो चुकला का बाद अब प्रशासन पूजा समितियन पर तरह तरह के केस लादल शुरू क दिहले बा. बिहात सरकार हवनो तक प रोक लगा के आपन सेकूलरिज्म देखा चुकल बीया बाकिर कबो तजिया निकाले पर रोक लागल … Read more

 18 total views

नीतीश के किरिया धराई के दिन अबहियों तय नइखे

हाल के चुनाव में बड़हन जीत हासिल करे वाला महागठबन्हन अबहीं ले तय नइखे कर सकल कि कहिया किरिया धराई करावल जाय. आजु नीतीश कुमार बिहार के राज्यपाल रामनाथ कोविंद से भेंट क के दिवाली के बधाई दिहलन. ओकरा बाद पत्रकारन के बतवलन कि 14 तारीख के महागठबंधन के विधायक दल के बइठक होखी जवना … Read more

 62 total views,  5 views today

कुछ सौ लोग के भीड़ का सोझा साथे मंच पर अइले नीतीश आ लालू

कबो लालू के जंगल राज का खिलाफ भाजपा से हाथ मिला के सरकार चलावे वाला नीतीश कुमार अब ओही लालू संगे गलबहियाँ करत बाड़न. काल्हु हाजीपुर के जमालपुर गाँव में एगो चुनावी सभा में पहिला बेर दुनू जने मंच साझा कइले. पत्रकार आ मीडिया के भीड़ त जरूर रहल बाकिर लोग में कवनो खास उत्साह … Read more

 71 total views

धर्मनिरपेक्षता के ढोंग करत बाड़े नीतीश, कहलन राजद के रामकृपाल

राजद.के प्रधान महासचिव आ सांसद रामकृपाल यादव बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पर धर्मनिरपेक्षता के ढोंग करे के आरोप लगावत कहले कि .भाजपा से गठबन्हन तूड़ के नीतीश धर्मनिरपेक्षता के झूठ मुखौटा पहिन लिहले बाड़न. जनता उनका ढोंग के बढ़िया से बूझत बिया आ अगिला चुनाव में नीतीश के बढ़िया से जवाब दी. राजद नेता … Read more

 50 total views,  5 views today

नरेन्द्र मोदी आ भाजपा के आरएसएस क मुखौटा बतवले लालू

राजद.अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव नरेन्द्र मोदी आ भाजपा.के आरएसएस. के.मुखौटा बतावत कहलन कि एह लोग के असली ताकत संघे ह जेकरा इशारा पर ई लोग देश मे साम्प्रदायिक सद्भाव बिगाड़ल चाहऽता. लालू प्रसाद यादव आज पटना में अपना पार्टी के अकलियत मुहिम रथ के हरिय झंडी देखा रवाना कइला का बाद कहलन कि एह रंथ … Read more

 78 total views

मंत्री रहल भाजपाईयन के सड़क पर ले अइलसि नीतीश सरकार

एनडीए सरकार के नीतीश मंत्रीमंडल में मंत्री रहल भाजपा के लोग के बिहार सरकार सरकारी आवास खाली कर देबे के हुकुम दिहले बिया. अगर लोग जल्दी से डेरा खाली ना करी त सरकार ओह लोग से जबरिया आवास खाली करवाई. आठ गो मंत्री रहल विधायकन के अइसन नोटिस भेजल गइल बा. सुशील मोदी के आवास … Read more

 50 total views,  5 views today

बिहार के नियोजित शिक्षकन के तनखाह में तीन हजार बढ़वलस नीतीश सरकार

आजु पटना के गाँधी मैदान में झंडा फहरवला का बाद भाषण देत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि बिहार के विशेष राज्य के दर्जा दिलवावे में उ अबहियों लागल बाड़ें. पिछला दिने पूँछ में भइल पाकिस्तानी हमला में मराइल हिन्दुस्तानी सैनिकन के, एह पाँच गो में से चार हगो बिहार के रहले, श्रद्धांजलि दिहले. एह बारे … Read more

 52 total views,  5 views today

सेकूलर सरकारन का लगे शहीदन खातिर समय नइखे

अपना वोट बैंक का फिकिर में लागल नीतीश भा उनुका कवनो मंत्रियन लगे समय नइखे कि उ देश पर शहीद होखेवाला सैनिकन खातिर समय दे सकसु. ना त केहू हवाई अड्डा पर चहुँपल ना केहू ओह लोग का घरे ना केहू अंतिम संस्कार में चहुँपल. धिक्कार बा अइसन राजनीतिक सोच के जवन अपना शहीदन के … Read more

 68 total views

मशरख स्कूल के प्रधानाध्यापिका पकड़इली

आजु नौ दिन बाद मशरख के धरमसती गंडामन प्राइमरी स्कूल के प्रधानाध्यापिका मीना कुमारी पुलिस का हाथे लाग गइली आ उनुका गिरफ्तार होखला का बाद मुख्यमंत्री नीतीशो कुमार सामने आ गइलें मीडिया से बतियावे खातिर. कहलें कि गोड़ के चोट का चलते अशक्त रहलन बाकिर पल पल नजर रखले रहुवन. इशारे इशारा में कह गइलन … Read more

 45 total views,  5 views today

कांग्रेस का सहयोग से नीतीश बहुमत साबित कर देखवलें

काल्हु बिहार विधानसभा मे विश्वासमत पर जदयू के साथे चार गो कांग्रेसी, एगो भाकपाई, चार गो निर्दलीय के वोट संगे जदयू के ११७ गो वोट मिला के कुल १२६ गो वोट मिलल. विधानसभा अध्यक्ष जदयू से हईं बाकिर एह बहुमत का चलते उहाँ के वोट करे के जरूरते ना पड़ल. दोसरा तरफ वोट डाले से … Read more

 55 total views

एबीपी नेल्सन के सर्वे में राजग के फायदा मिलत लउकत

पिछला दिने एबीपी नेल्सन के सर्वे के परिणाम एबीपी न्यूज में देखावल गइल जवना में बतावल जात बा कि राजग के २०६ सीट मिल सकेला अगिला लोकसभा चुनाव में. संप्रग के हर जगह नुकसान मिलत देखावल गइल बा आ सबले अधिका फायदा इलाकाई गोलन के मिलत लउकत बा. बिहार का मामिला में सबले मजेदार परिणाम … Read more

 55 total views

पीएम पद के प्रत्याशी का बारे में फैसला १४ अप्रेल के

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहले बाड़न कि २०१४ में होखे वाला लोकसभा चुनाव खातिर एनडीए का ओर से पीएम पद के प्रत्याशी पर फैसला जदयू कार्यकारिणी के दिल्ली में होखे वाला बइठक बाद १४ अप्रेल ले कर लिहल जाई. जदयू कार्यकारिणी में फैसला होखी कि प्रत्याशी के नाम घोषित कइल चाहीं कि ना. बतवलन … Read more

 41 total views

संघ प्रमुख का नजर में नीतीश के काम मोदी से बढ़िया बा

गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी आ बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार का बीच चलत प्रतिद्वन्द्विता में अउरी आग लगावत आरएसएस संघचालक मोहन भागवत के कहना बा कि नीतीश कुमार के काम बहुते बढ़िया बा काहे कि ऊ बहुते खराब हालत से निकाल के अपना राज्य बिहार के विकास का राह पर चला दिहले बाड़न. शायद … Read more

 51 total views