web analytics

बिहारो में बने जा रहल बा जनसंख्या नियन्त्रण कानून

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी) पश्चिम बंगाल विधान सभा चुनाव का बाद होखत पहिलका सत्र के शुरुआत बवाल से भइल. चुनाव बाद हो रहल लगातार हिंसा का विरोध में भाजपा के विधायक जय श्रीराम के नारा लगावत बइठक से बाहर आ गइलें. बाकिर ओहमें भाजपा विधायक का तौर पर मुकुल राय शामिल … Read more

 129 total views

किसानन का नाम पर धोखाधड़ी करत मिललें साढ़े सात लाख लोग

(टटका खबर, बुध, आषाढ़ अन्हरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी) पिछला सात महीना से अधिका समय से किसानन का नाम पर आढ़तियन आ दलालन के आन्दोलन चलिए रहल बा. अब उत्तर प्रदेश में साढ़े सात लाख से अधिका अपात्र प्रधानमंत्री किसान निधि के सम्मान राशि अपना खाता में मँगवावत मिलल बाड़न. अब एह लोग से वसूली होखी … Read more

 97 total views

टटका खबर, बुध, वैशाख अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी

भारत आ ब्रिटेन अब एक दोसरा के रणनीतिक साझेदार बनि के रहिहें. काल्हु प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ ब्रिटेन के प्रधानमंत्री बोरिस जॉनसन का बीच भइल ऑनलाइन शिखर बईठक में एकरा साथही आठ गो अउर समझौतो पर दस्तखत भइल. सुप्रीम कोर्ट पश्चिम बंगाल आवास उद्योग नियमन कानून 2017 के असंवैधानिक बतावत रद्द कर दिहलसि. राज्य द्वारा … Read more

 68 total views

टटका खबर, मंगल, वैशाख अन्हरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी

उत्तर प्रदेश में भइल तीन तल्ला पंचायत चुनाव के मतन के गिनिती के काम अबहियों जारी बा. देर रात ले 232612 सदस्य ग्राम पंचायत, 38317 प्रधान ग्राम पंचायत, 55926 सदस्य क्षेत्र पंचायत एवं 181 सदस्य जिला पंचायत के परिणाम घोषित हो चुकल बा. भाजपा के दावा बा कि घोषित 2008 परिणामन में से 918 पर … Read more

 122 total views

टटका खबर, सोमार, वैशाख अन्हरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी

देश अब संतोष कर सकेला कि चुनावन का बाद टूलकिट गिरोह कुछ दिन ले आराम करी. जइसन सफलता ऊ चहले रहुवे ओकरा के हासिल कर लिहलसि. अब देश में आक्सीजन के कमी, अस्पतालन में बेड के कमी, कोरोना के कहर, दवा खातिर गिड़गिड़ात लोगन के सोशल मीडिया पर लागल गोहार, शमशानन आ कब्रिस्तानन में मुर्दन … Read more

 187 total views

टटका खबर, अतवार, वैशाख अन्हरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

आजु कुछ देर बाद चार गो राज्य विधानसभा आ एगो केन्द्र शासित प्रदेश पुड्डुचेरी विधानसभा चुनाव में पड़ल मतन के गिनिती शुरु होखे जा रहल बा. अनुमान बा कि असम, पश्चिम बंगाल आ पुड्डुचेरी में भाजपा नीत गठबन्हन के जीत होखी. केरल में अब तक के इतिहास पलटत बँवारा गोल फेरु सत्ता में आ जाई … Read more

 194 total views

टटका खबर, शुक, वैशाख अन्हरिया चतुर्थी, 2078 विक्रमी

पश्चिम बंगाल समेत चार राज्य आ एगो केंद्र शासित प्रदेश पुड्डुचेरी में भइल विधानसभा चुनावन के एक्जिट पोल में भाजपा के तीन विधानसभा में मिलल बढ़त सामने आइल बा. करीब करीब सगरी पोलहा अंदाज लगवले बाड़ें कि ओहिजा भाजपा के बड़हन बढ़त मिलल बा. पिछला बेर तीने सीट जीत पावे वाली भाजपा अबकी सरकार बनावे … Read more

 98 total views

टटका खबर, बियफे, वैशाख अन्हरिया तृतिया, 2078 विक्रमी

कोविड महामारी के बहुते खराब दौर से गुजरत हालात में पूरा दुनिया से भारत के सहायता के प्रसाताव आइल बा. बाकिर भारत सरकार ओहि देशन के सहायता प्रस्ताव पर विचार करत बा जिनका से भारत के विकास साझेदारी चलत बा. चीन आ पाकिस्तान का तरफ से आइल प्रस्तावन पर सरकार कुछुओ बोले से परहेज करत … Read more

 77 total views

टटका खबर, मंगल, चईत पूर्णिमा, 2078 विक्रमी

रउरा सभे के हनुमान जयंती पर हार्दिक शुभकामना. रउरा सभका आशीर्वाद से भोजपुरी के पहिलका वेबसाइट अँजोरिया के विश्वव्यापी रैंक आजु अबहीं 3 लाख 30 हजार 877 आ देश में रैंक 23 हजार 746 के बा. पश्चिम बंगाल विधानसभा के सतवां डेग के मतदान काल्हु सोमार का दिने छोटमोट हिंसा का साथे करा लीहल गइल. … Read more

 97 total views

टटका खबर, मंगल, चईत अँजोरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी

बिहार के उप मुख्यमंत्री रहल आ अबहीं भाजपा के राज्यसभा सांसद सुशील कुमार मोदी राजद नेता शिवानंद तिवारी पर तंज कसत कहले बाड़न कि जवन आदमी लालू के जेल भिजवावे के काम कइलसि ऊ एह घरी अपना पुत्र मोह में लालू चालीसा पढे लागल बा. कहलन कि अगर शिवानन्द में समाजवाद ले के ईमानदारी रहीत … Read more

 84 total views

टटका खबर, शुक, चईत अँजोरिया चतुर्थी, 2078 विक्रमी

चुनाव के चार डेग चल चुकला आ पाँचवा उठे जा रहल डेग का बादो तृणमूल कांग्रेस खेला होबे के उमेद नइखे छोड़ले. जइसे एगो हैदराबादी मुस्लिम नेता के बयान आइल रहुवे कि पन्द्रह मिनट ला पुलिस हटा लीहल जाव त ऊ हिन्दुवन के सफाया करवा दीहें. कुछ वइसने गलतफहमी पलले ममता बनर्जी सोचत बाड़ी कि … Read more

 80 total views

टटका खबर, शनिचर, 3 अप्रैल 2021

बदनाम बाहुबली विधायक मुख्तार अंसारी का सेवा में लागल पंजाब के कांग्रेसी सरकार के एगो चूक मुख्तार का खिलाफ एगो अउरी मुकदमा के माहौल बना दिहलसि. मुख्तार के रोपड़ जेल ले जाए वाला एंबुलेंस जाँच अधिकारिन का निगाह में आ गइल बा. बुलेट प्रूफ एह एंहुलेंस के तहकीकात नया नया मामिला सोझा ले आवे लागल … Read more

 126 total views,  1 views today

पश्चिम बंगाल के पंचायत चुनाव पर अदालत के रोक

कोलकाता, 12 अप्रैल (वार्ता). पश्चिम बंगाल में एक मई से शुरू होखे वाला पंचायत चुनावन पर आजु कलकत्ता उच्च न्यायालय 16 अप्रैल तक रोक लगा दिहलसि. साथही अदालत राज्य निर्वाचन आयोग से कहले बावे कि ऊ तीन दौर में होखे वाला एह चुनावन से जुड़ल सगरी दस्तावेज पेश करे. न्यायमूर्ति सुब्रत तालुकदार ई आदेश भारतीय … Read more

 73 total views

यूपी पंचायत चुनाव के चउथको दौर पूरा

काल्हु बुध का दिने यूपी पंचायत चुनाव के चउथको दौर पूरा हो गइल. एहू दौर में छिटपुट वारदात छोड़ कवनो बड़हन घटना ना भइल. अलबत्ता गाजीपुर जिला में मीरपुर सोनबरसा गाँव के परधान रहल आ मौजूदा चुनावो में परधानी के उमीदवार पचास बरीस के मिरी राम के गोली मार के हत्या क दीहल गइल. एह … Read more

 234 total views

पंचायत चुनाव के वोटर लिस्ट में गड़बड़ी का चलते अधिकारी सस्पेंड

पंचायत चुनाव के वोटर लिस्ट बनावे में भइल बहुते बड़हन गड़बड़ी का चलते बलिया जिला के सिकन्दरपुर के एसडीएम, तहसीलदार, नायब तहसीलदार, वीडीओ आ रजिस्ट्रार कानूनगो के सस्पेंड क दीहल गइल बा. गड़बड़ी के अंदाजा एही से लगा लीं कि एगो गाँव में करीब आठ सौ फर्जी मतदाता जोड़ दीहल गइल त दोसरा गाँव के … Read more

 271 total views

यूपी पंचायत चुनाव के तिसरको दौर सकुशल निपटल

यूपी के पंचायत चुनाव के तिसरका दौर शनिचर का दिने सकुशल निपट गइल. नक्सल प्रभावित मिर्जापुर, सोनभद्र, अउर चन्दौली जिला में साँझ चारे बजे वोट डाले के काम पूरा करा लीहल गइल जबकि बाकी जिलन में साढ़े चार बजे ले वोटिंग करावल गइल. पिछलका दुनू दौर का तरह तिसरको दौर में छिटपुट हिंसा के खबर … Read more

 303 total views

यूपी पंचायत चुनाव के दुसरका दौर काल्हु मंगल का दिने

यूपी में चलत पंचायती चुनाव के दुसरका दौर के मतदान काल्हु मंगल 1 अक्टूबर का दिने डालल जाई. एह दौर में कुल्ह 202 ब्लाॅक के मतदाता अपना अपना इलाका के परधान आ पंचायत सदस्यन के चुनाव करीहें. पहिलका दौर में भइल कुछ घटनन के देखत काल्हु मतदान केन्द्र का भीतर पानी भा दोसर कवनो द्रव्य … Read more

 336 total views

परधानी के शराब जान ले लिहलसि कई जने के

बलिया जिला के सुखपुरा इलाका के धरहरा गाँव में काल्हु जहरीला शराब पियला का चलते अनेके लोग के तबियत खराब हो गइल बा. कुछ लोग के आँख के रोशनी चल गइल बा आ तीन जने त दुनिए छोड़ के चल गइल बाड़ें. बतावल जात बा कि पंचायत चुनाव का चलते एह घरी गाँवे गाँव लिट्टी … Read more

 315 total views

परधानी आ पंचायत सदस्यन के चुनाव के पहिला दौर

काल्हु सोमार से यूपी में परधानी आ ग्राम पंचायत सदस्यन के चुनाव के पहिलका दौर शुरु होखत बा आ काल्हु से परदा दाखिला करे के काम शुरु हो जाई. एह दौर के परचा दाखिला मंगल ले कइल जा सकी आ 18 तारीख के परचा के जाँच होखी. ओकरा बाद लोग 20 तारीख ले आपन नाम … Read more

 342 total views,  5 views today

यूपी पंचायत चुनाव के आखिरीओ दौर निपट गइल

यूपी के क्षेत्र आ जिला पंचायत सदस्यन खातिर होखत चुनाव के चउथका आ आखिरी दौर आजु सकुशल निपट गइल. वोटिंग खाति सभत्तर चइकस पुलिस प्रबन्ध रहुवे आ जहाँ तनाव बेसी रहल ओहिजा अर्ध सैनिक बल लगावल गइल रहुवे. काल्हु रात से शुरु बूनी का बीच खुशगवार हो गइल मौसम में लोग वोट डालल. गाजीपुर में … Read more

 332 total views