पटना
ट्रैक्टर से कचरा के चालक के मौत डेहरी आन सोन 07 अप्रैल (वार्ता). रोहतास जिला के डेहरी नगर इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में गोपी बीघा के 30 बरीस उमिर के सत्येंद्र महतो अपने ट्रैक्टर से दबा के मर गइलें. ऊ अपने ट्रैक्टर चला के जात रहलें जब बस पड़ाव का नियरा एगो बालू
नयी दिल्ली, पटना, लखनऊ, गोरखपुर, अयोध्या 02 मार्च (वार्ता) रंग अबीर आ मौज मस्ती के त्योहार फगुआ शुक का दिने पूरा देश में हँसी खुशी से मनावल गइल. बिहार में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कुछ दिन पहिले मुजफ्फरपुर के सड़क हादसा में भइल स्कूली बचवन के दर्दनाक मौत का गम में फगुआ ना मनवलें त राजद
बिहार आ यूपी का परिवहन विभागन का बीच पिछला मई महीना में भइल समझौता के लागू करत बिहार सरकार सात गो रूटन प बस चलावे के इजाजत दे दिहलसि. बिहार राज्य परिवहन प्राधिकार के बैठक में एह बसन ला परमिट जारी कइल गइल बा. अब बिहार राज्य पथ परिवहन निगम एह रुटन पर आपन बस
मोहाली टेस्ट में दुसरका दिने भारत के पारी लड़खडाइल नजर आइल आ खेल ख़तम होखे बेरा ले छह विकेट का नुकसान पर 271 रन बना पवले बल्लेबाज। मेलबर्न में होखत चार देशन के हॉकी टूर्नामेंट में भारत मलेशिया टीम के 4-1 से हरा के कांस्य पदक जीत लिहलसि। बैडमिंटन के होंगकांग ओपन के फाइनल में
प्रदूषण पर रोक लगावे खातिर बिहार सरकार पटना में पन्द्रह बरीस से अधिका पुरान डीजल गाड़ियन के चलवला पर रोक लगा दिहले बिया. एह दायरा में बहुते बस आ ट्रक आ जइहें सँ आ ओकनी के पटना का सीमा से बाहरे रोक दीहल जाई. सुने में आवत बा कि दिल्ली सरकार का देखा देखी पटनो
पटना के कुम्हरार थाना के पुलिस छपरा सदर प्रखंड के चनचौरा का लगे से एगो झोलाछाप डॉक्टर के ध ले गइल. ओकरा पर पटना के एगो सर्जन डॉ. सुनील कुमार से दू करोड़ के रंगदारी मांगे के अछरंग लगावल गइल बा. पकड़ाइल डाक्टर भीष्म कुमार सिंह एगो रिटायर्ड रेल कर्मचारी के बेटा ह आ दरियापुर
बिहार सरकार पटना के बेली रोड पर ‘साइकिलिंग ट्रैक’ आ नगर निगम का भीतर के सगरी सड़कन पर फुटपाथ बनावे के योजना पर सोचत बिया. पटना के सुन्दर बनावहु के प्लान बा. लखनऊ के साइकिल ट्रैक सड़क का बीच में बा जबकि पटना के साइकिल ट्रैक सड़क का दुनू ओर बनावल जाई. अगर बेली रोड
छठ के तइयारी के में लागल पटना जिला प्रशासन गंगा के 41 गो घाटन के खतरनाक बतावत एह घाटन पर ना जाए के अपील कइले बावे. प्रशासन के कहना बा कि 15 नवंबर से पहिले छठ पूजा से जुड़ल सगरी प्रशासनिक तइयारी पूरा क लीहल जाई. हर घाट पर सुरक्षा बल के तैनाती रही आ
टटको में टटका खबर भोजपुरिका डाॅट काॅम पर प्रकाशित होखल करी आ दिन भर के खबर बिटोर के बाद में एहिजा सिलसिलेवार डालल जाई. टटका भारत करोडों रूपिया के सारधा चिट फंड घोटाला में आरोपी आ पश्चिम बंगाल के पुलिस महानिदेशक रहल तृणमूल कांग्रेस नेता रजत मजुमदार के 16 सितंबर तक ले सीबीआई के हिरासत
पटना 12 नवम्बर (वार्ता) बिहार मे पटना जंक्शन के रिजर्वेशन काउन्टरन प आजु एके साथ छापेमारी भइल. एह छापेमारी में आर.आर सिन्हा के काउन्टर प गड़बड़ी मिलल. उनकर तबादला क के उनका खिलाफ विभागीय कार्रवाई शुरू क दीहल बा.
पटना 30 अक्तूबर (वार्ता) बिहार के उपमुख्यमंत्री रहल आ भाजपा: के बड़ नेता सुशील कुमार मोदी आरोप लगवलन कि बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार नरेन्द्र मोदी से निजी दुश्मनी आ जरतवाही का चलते राज्य के लाखो लोग के जान खतरा मे डाल दिहलन. सुशील मोदी आरोप लगवलन कि हुंकार रैली मे जानबूझ के सुरक्षा के
पटना 29 अक्टूबर (वार्ता) पटना मे दु दिन पहिले भइल सीरियल बम विस्फोट का मामिला मे गिरफ्तार इम्तियाज अंसारी से पुलिस आज गहन पूछताछ करत बिया. पुलिस सूत्र बतावत बाड़े कि इम्तियाज के पूछताछ खातिर सात दिन के पुलिस रिमांड पर ललीहल गइल बा. ओकरा से अपर पुलिस महानिदेशक (रेल) पी.एन.राय समेत अउरियओ अधिकारी पूछताछ
पटना 28 अक्टूबर (वार्ता) लोक जनशक्ति पार्टी अध्यक्ष रामविलास पासवान भाजपा रैली में भइल बम विस्फोट के नीतीश सरकार के विफलता बतावत बिहार में राष्ट्रपति शासन लगावे के मांग कइले बाड़न. कहलन कि खुफिया रिपोर्ट के बावजूद नीतीश सरकार भाजपा रैली खातिर सुरक्षा के पुख्ता व्यवस्था ना कइलसि जवना चलते छह लोग के जान चल
पटना 25 अक्टूबर (वार्ता) राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान पटना आईआईटी के दुसरका दीक्षांत समारोह मे शामिल होखे आवत बाड़े. आधिकारिक सूत्र बतवले कि राष्ट्रपति आईआईटी के दूसरका दीक्षांत समारोह मे साल 2009 से.13 बैच के दू गो छात्रन के स्वर्ण पदक दीहें आ तीन गो के रजत पदक. दीक्षांत समारोह राजधानी के रविन्द्र
पटना 25 अक्टूबर (वार्ता) भाजपा. के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के बिहार आवे का बारे में राजधानी पटना मे लगावल पोस्टर आ होर्डिग के आज हटा दिहला से पार्टी कार्यकर्ता बहुते नाराज बाड़े. बिहार सरकार में मंत्री रहल आ पार्टी के बड़ नेता गिरिराज सिंह आरोप लगवले कि राज्य सरकार के इशारा पर
भाजपा के पीएम उम्मीदवार घोषित भइला का बाद नरेन्द्र मोदी के पहिला बेर बिहार आवे के जोरदार तइयारी शुरू हो गइल बा. प्रदेश भाजपा 27 अक्टूबर के पटना के ऐतिहासिक गांधी मैदान मे हुंकार रैली बोलवले बिया आ एह रैली .मे नरेन्द्र मोदी के आवल ले के दस दिन पहिलही से तइयारी शुरू हो गइल
आजु पटना में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार गंगा किनारे बने जात 2300 करोड़ रूपिया के लागत वाला दीघा दीदारगंज गंगा पथ के निर्माण के शुरूआत करवले. गंगा किनारे बने वाला एह 21.5 किलोमीटर लमहर सड़क के निर्माण शुरू करावत नीतीश कुमार कहलन कि आजु जेपी के जयंती ह आ लोक नायक जेपी संपूर्ण क्रांति के प्रणेता
भाजपा राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी के पटना कार्यक्रम मे फेरबदल करे आ 27 अक्टूबर के पटना में होखे वाला नरेन्द्र मोदी के रैली से एकदिन पहिलहीं दिल्ली लवटि जाए के फैसला पर उनका प्रति आभार जतावत राष्ट्रपति के यात्रा के स्वागत कइले बिया. पहिले बतावल गइल रहे कि राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी 26 अक्टूबर के पटना अइहें
भाजपा राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी के पटना कार्यक्रम मे फेरबदल करे आ 27 अक्टूबर के पटना में होखे वाला नरेन्द्र मोदी के रैली से एकदिन पहिलहीं दिल्ली लवटि जाए के फैसला पर उनका प्रति आभार जतावत राष्त्रपति के यात्रा के स्वागत कइले बिया. पहिले बतावल गइल रहे कि राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी 26 अक्टूबर के पटना अइहें
गुजरात के मुख्यमंत्री आ भाजपा का ओर से पीएम उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी पटना में भाजपा के हुंकार रैली में 27 अक्टूबर के शामिल होखे वाला बाड़न. बाकिर ओकरा पहिलही 11 से 14 अक्टूबर ले चार दिन ऊ पटना के श्रीकृष्णापुरी इलाका में नजर अइहें आ एहिजा के लोग के गुजरात सरकार के विकास योजना का
Older Posts››