Go to ...
RSS Feed

पत्रकार राजदेव

तेजप्रताप पर नज़र टेढ़ कइलसि सुप्रीम कोर्ट

सिवान के पत्रकार राजदेव के हत्या आरोपी बंटी कैफ पिछला दिने बिहार के चारा चोर का नाम से जानल जाये वाला आ जमानत पर बाहर आइल लालू प्रसाद के बड़का बेटा तेजप्रताप यादव का साथे सोशल मीडिया पर खूब उछलल रहल। एही बात के नोटिस लेत सुप्रीम कोर्ट तेजप्रताप के नोटिस जारी कइले बिया। शहाबुद्दीन

पत्रकार राजदेव के सराध में ना लउकलें सत्ताधारी

सिवान के पत्रकार राजदेव के सराध का दिने जदयू भा राजद के कवनो नेता ना लउकलें. बाकिर सिवान से भाजपा के सांसद ओमप्रकाश यादव आ सिवान भाजपा जिलाध्यक्ष अभिमन्यु सिंह जरूर हाजिर रहलें. पटना से दैनिक हिन्दुस्तान के संपादक डा. तीर विजय सिंह सहित पटना के संपादकीय टीमो आइल रहुवे परिवार के तोस देबे खातिर.