web analytics

टटका खबर, वैशाख अँजोरिया अष्टमी 2079 विक्रमी, सोमार

बिहार के मशहूर होम्योपैथ डॉक्टर बी. भट्टाचार्य के काल्हु अतवार का दिने 98 बरीस का उमिर में निधन हो गइल. ऊ अपनहीं ह्रदय रोग से पीड़ित रहलन बाकिर तबहियों आखिरी समय ले मरीजन के इलाज करत रह गइलन. श्रद्धांजलि. बिहार लोक सेवा आयोग के 67वीं संयुक्त प्रारंभिक परीक्षा के प्रश्न-पत्र लीक होखे के खबर सही … Read more

 199 total views

टटका खबर, शनीचर, चईत अँजोरिया पंचमी, 2078 विक्रमी

कोरोना महामारी का चलते परीक्षा टारल जाए के क्रम में अब सीआईएससीई बोर्डो आपन दसवीं आ बारहवीं के परीक्षा टारे के एलान क दिहलसि. बाकिर सीबीएसई का तरह ऊ आपन परीक्षा रद्द नइखे कइले आ कहले बा कि जून के पहिला हफ्ता में एह बारे में फैसला लीहल जाई. रउआ सभ के ई जान के … Read more

 91 total views

दोसरा का बदले इमतिहान देत लड़िकी पकड़ाइल

जौनपुर, 20 फरवरी (वार्ता). जौनपुर के एगो परीक्षा केन्द्र पर बोर्ड के हाईस्कूल परीक्षा में दोसरा छात्रा का बदले इमतिहान देबे बइठल एगो फर्जी छात्रा आजि पकड़ा गइल. पुलिस बतवलसि कि कक्ष निरीक्षक ओह फर्जी छात्रा के आ ओकरा के ले के आइल ओकरा मउसा के पुलिस के हवाले क दिहलन. पुलिस मुकदमा दर्ज क … Read more

 270 total views

यूपी में परीक्षाफल निकले में होखत ढिलाई प कुलाधिपति कड़ेर

यूपी में उच्च शिक्षा में सुधार आ समय से परिणाम जारी करावे में विश्वविद्यालयन के ढिलाई पर राजभवन कड़ेर रुख अपना लिहले बा. राज्यपाल राम नाईक सगरी कुलपतियन के पाती पठवले बाड़न आ ओह लोग से 31 जुलाई का बादो ना निकलल परिणामन का बारे में जानकारी मँगले बाड़न. लिखले बाड़न कि परीक्षा समय से … Read more

 306 total views

बिहार बोर्ड के फार्म भरे के तारीख बढ़ावल गइल

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति मैट्रिक परीक्षा के फार्म भरे के तारीख इकतीस जनवरी ले बढ़ा दिहले बिया. समिति के अध्यक्ष प्रो॰राजमणि प्रसाद बतवले कि पच्चीस जनवरी का बाद फार्म भरे वाला लोग के एक सौ रुपिया दंड देबे के पड़ी. पहिले एगारहे जनवरी ले लोग फार्म भर सकत रहे. इहो बतावल गइल बा कि सतरह … Read more

 274 total views

बिहार इंटर कला के रिजल्ट में रोहतास के रीमा अव्वल अइली

बिहार बोर्ड के इंटर कला के रिजल्ट आजु प्रकाशित कर दिहल गइल. एहमें ८६ फीसदी परीक्षार्थी पास भइल बाड़ें. एहु परीक्षा में लड़िकी सब लड़िका लोग पर हावी बाड़ी सँ. एने लगातार देखे केमिलत बा कि हर परीक्षा में लड़िकियन के परिणाम बेहतर रहत बा काहें कि ओहनी के धेयान पढ़ाई पर बेसी रहेला जबकि … Read more

 329 total views