web analytics

टटका खबर, मंगल, जेठ अन्हरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

देश के विरोधी गोलन के केन्द्र बिन्दु बने का चाहत में पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी अब देश में भाजपा विरोधी सरकारन के एकजुट होखे के गोहार लगवले बाड़ी. डायलॉग मरले बाड़ी शोले वाला कि जो डर गया समझो मर गया, काश उऩुका एह डायलॉग के बंगाल के विरोधी गोल के समर्थको इशारा समुझतन … Read more

 134 total views

टटका खबर, बुध, वैशाख पूर्णिमा, 2078 विक्रमी

1985 बैच के भारतीय पुलिस सेवा के अधिकारी सुबोध कुमार जायसवाल के काल्हु केंद्रीय जांच ब्यूरो के निदेशक बना दीहल गइल. कुछ दिन पहिले प्रधानमंत्री, मुख्य न्यायाधीश, आ प्रमुख विरोधी दल के नेता से बनल चयन समिति तीन गो नाम सुझवले रहुवे जवना में जायसवाल के नाम शामिल रहुवे. ओकरा बाद कार्मिक, जन शिकायत अउर … Read more

 191 total views

टटका खबर, शुक, वैशाख अन्हरिया एकादशी, 2078 विक्रमी

आगे पढ़े से पहिले जान लीं कि भोजपुरी के पहिलका वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम के ट्राफिक रैंक हिन्दुस्तान में आजु अबहीं 19 हजार 656 पर बा. एहमें हर भाषा के वेबसाइट शामिल बा. दुनिया में एकर रैंक 2 लाख 66 हजार 291 बा. करीब 200 करोड़ वेबसाइटन का बीच भोजपुरी वेबसाइट के एह रैंकिग से भोजपुरियन … Read more

 237 total views,  1 views today

टटका खबर, बुध, वैशाख अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी

भारत आ ब्रिटेन अब एक दोसरा के रणनीतिक साझेदार बनि के रहिहें. काल्हु प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ ब्रिटेन के प्रधानमंत्री बोरिस जॉनसन का बीच भइल ऑनलाइन शिखर बईठक में एकरा साथही आठ गो अउर समझौतो पर दस्तखत भइल. सुप्रीम कोर्ट पश्चिम बंगाल आवास उद्योग नियमन कानून 2017 के असंवैधानिक बतावत रद्द कर दिहलसि. राज्य द्वारा … Read more

 109 total views

टटका खबर, शुक, एकादशी, चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

पश्चिम बंगाल के 43 गो विधानसभा सीटन पर करावल गइल मतदान में करीब 79 फीसदी मतदान के खबर बा. एकरा साथही पश्चिम बंगाल चुनाव के छह डेग पूरा हो गइल आ अब दू चेग अउर रहि गइल बा. एही बीच निर्वाचन आयोग अबसे पश्चिम बंगाल में रोड शो, पदयात्रा, साइकिल भा वाहन रैलियन पर काल्हु … Read more

 335 total views

टटका खबर, बियफे, चईत अँजोरिया तृतिया 2078 विक्रमी

कोरोना महामारी का हाहाकार का बीच बेबस सरकार आखिरकार सीबीएसई के 10वीं के परीक्षा रद्द क के एगो नियत पैमाना का हिसाब से परिणाम तय कर दी. अगर कवनो विद्यार्थी एबसे सहमत ना होखी त ऊ बाद में होखे वाला परीक्षा देके आपन परिणाम सुधरवावे के मौका पा सकी. 12वीं का परीक्षा अबहीं टारल गइल … Read more

 137 total views

टटका खबर, सोमार, 7 सितम्बर 2020

यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी सोमार का दिने गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल कॉलेज अस्पताल में कई नया निर्माण के उद्घाटन कइलें. एह में प्रदेश के पहिलका बायोसेफ्टी लैब, तीन सौ बेड के नया लेवल थ्री अस्पताल, गेस्ट हाउस, आ सौ बेड के पीजी हॉस्टल शामिल बा. पहिले के लेवल थ्री अस्पताल के क्षमता … Read more

 185 total views,  1 views today

भोजपुरी पट्टी से टटका खबर, शनिचर 5 सितम्बर 2020 के

रेलवे देश में 12 सितम्बर से 80 जोड़ी ट्रेन के शुरुआत करे जा रहल बा. एह ट्रेनन में कृषक एक्सप्रेस आ चौरीचौरा एक्सप्रेस शामिल बाड़ी सँ. एह गाड़ियन में आरक्षण के शुरुआत 10 सितम्बर से हो जाई. समय सारिणी का बारे में टीसन से पता क लीहल जरुरी बा काहे कि ठहरावन में कुछ बदलाव … Read more

 162 total views

दिल्ली से आआपा के विदाई के तइयारी आ 26 अप्रैल 2017, बुध के अउरीओ खबर

साल 2015 में दिल्ली विधानसभा के चुनाव बहुते बड़हन मार्जिन से जीतला का बाद अरविन्द केजरीवाल के गलतफहमी हो गइल कि अब देश में उनुका जोड़ के कवनो दोसर नेता नइखे आ लगलन एह राज्य से कूद के ओह राज्य ले आपन गोड़ जमावे के कोशिश करे. हर जगह से हारत गइला का बादो एह … Read more

 147 total views,  1 views today

खबर भोजपुरी में (मंगल, 9 जून 2015)

सत्ता में आवे खातिर लालू यादव जहरो पी लीहें. काल्हु सोमार का दिने दिल्ली में उनुका मौजूदगी में मुलायम सिंह यादव नीतीश कुमार के बिहार विधानसभा चुनाव में मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार बनावे के एलान क दिहलें. एह पर लालू के कहना रहुवे कि बिहार में भाजपा के रोके आ जनता परिवार के सरकार बनावे … Read more

 514 total views,  3 views today