web analytics

टटका खबर, शनीचर, जेठ अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी

मारीशस के राष्ट्रपति आ प्रधानोमंत्री रह चुकल अनिरुध जगनाथ के 91 बरीस का उमिर में 3 जून, बियफे का दिने गंगा लाभ हो गइल. उनुका सम्मान में भारत सरकार आजु शनीचर का दिने एक दिन के राष्ट्रीय शोक मनावे के एलान कइले बिया आ एह चलते राष्ट्रध्वज आधा झुका के फहरावल जाई. साथही देश भर … Read more

 36 total views

टटका खबर, बियफे. जेठ अन्हरिया प्रतिपदा, 2078 विक्रमी

काल्हु आइल भयंकर समुद्री तूफान यास उत्‍तर-पश्चिम ओर बढ़त कमजोर हो गइल. भारतीय मौसम विभाग के कहना बा कि एह तूफान से अंडमान निकोबार द्वीप समूह, ओडिशा, अउर पश्चिम बंगाल में सबले बेसी नुकसान भइल बा. घनघोर बरखा आ आन्ही से किनाते के कई एक गाँव में बाढ़ आ गइल आ कई जगहा तटबंध टूट … Read more

 23 total views,  1 views today

http://tatka.in से साँझ सात बजे तकले के खबर

यौगी सरकार केहू का आँवक में नइखे आवे वाली यूपी के चिकित्सा स्वास्थ्य मंत्री सिद्घार्थ नाथ सिंह अपने गठबन्हन के साथी आ अपना बराबरी के मंत्री ओम प्रकाश राजभर के आरोपन के जवाब देत कहलन कि योगी आदित्यनाथ के सरकार केहू के आँवक में नइखे आवे वाली. ओम प्रकाश राजभर ढेर दिन से रहि रहि … Read more

 11 total views

भोजपुरी पट्टी से शुक, 19 जनवरी 2018 के कुछ समाचार

प्रयागराज में होखत माघ मेला में विहिप का संत समागम में चहुँपल यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहनी कि मुख्यमंत्री बन गइला का बावजूद उनुका में कवनो बदलाव नइखे आइल, बस कुछ जिम्मेदारी अउर बढ़ गइल बा. संतन से योगी के आग्रह रहे कि सरकार से कुछ कहला मंगला के जरुरत नइखे काहे कि अब … Read more

 20 total views

पश्चिम चंपारण के ठकराहा इलाका में दहेज ला हत्या करे के आरोप

पुलिस मीडिया के बतवलसि कि यूपी के कुशीनगर जिला के सेवरही इलाका के दुलमापट्टी गांव के एगो लइकी के निकाह दू बरीस पहिले गदियानी टोला में भइल रहल. निकाह का बादे से ससुराल वाले दहेज ला परेशान कइल शुरु क दीहलें आ आखिरकार ओकरा के काल्हुकि रात किरासन तेल डालके जरा देबे के आरोप लगवले … Read more

 55 total views,  5 views today

महिला फुटबॉल के फाइनल में पश्चिम चंपारण आ सिवान में मुकाबला आज

बक्सर में होखत 10वीं बिहार राज्य सीनियर महिला फुटबॉल के फाइनल मैच आज दुपहरिया एक बजे से किला मैदान में पश्चिम चंपारण आ सिवान के टीमन का बीचे होखे वाला बा. काल्हु भइल दुसरका सेमीफाइनल में सिवान के टीम पटना टीम के एक गोल से हरा दिहलसि. पटना टीम कवनो गोल ना कर सकल.  60 total … Read more

 60 total views

बिहार से खबर संक्षेप में

बिहार राजद के अध्यक्ष बनीहें रामचन्द्र पूर्वे. एह पद खातिर काल्हु ई आपन परचा दाखिल क दिहलन जबकि दोसर केहु परचा दाखिल नइखे कइले. भोजपुर जिला से पुलिस पांच हजार के ईनामी नक्सली नंदजी यादव के गिरफ्तार क लिहलसि. पश्चिम चंपारण जिला के रक्सौल का नियरा बिना वीजा भारत में घुसत दू गो चीनी नागरिकन … Read more

 47 total views,  5 views today

गंडक नहाए गइल दू गो लड़िका डूब गइले

पूर्वी चंपारण के बड़नामा घाट पर सोमार का सबेरे नहाए गइल दू गो लड़िका नदी में डूब गइले. पुलिस के कहना बा कि नहात घरी गोड़ बिछलइला से उ गहिरा पानी में चल गइले सँ जेहसे ओहनी के डूबला से मौत हो गइल. दुनू लड़िकन के लाश नदी से निकाल लिहल गइल बा. एगो दोसरा … Read more

 58 total views

पश्चिम चंपारण में नाबालिगन संगे दुष्कर्म

पश्चिम चंपारण जिला के मैनाटांड इलाका के पुरैनिया गांव के रहे वाली एगो लड़िकी जब घास काटे गइल रहे तब ओकर पड़ोसी शेख फिरकुल नेयाज आ शेख खुर्शीद ओकरा के जबरिया उठा के एगो सुनसान खेत मे ले जा के ओकरा से दुष्कर्म कइले. एगो दोसर घटना रामनगर इलाका के रहुई गांव के ह जहअं … Read more

 52 total views

बैंक मैनेजर के जेल के सजा

पश्चिम चंपारण के उपभोक्ता फोरम के आदेश ना मनला का चलते बैंक आफ इण्डिया के पोराडो शाखा के ब्रांच मैनेजर सुधांशु कुमार के छह महीना के जेल के सजा सुनावल गइल बा. फोरम उनका के गिरफ्तार करे के आदेश पुलिस प्रशासन के दिहले बिया.  50 total views,  5 views today

 50 total views,  5 views today

सड़क हादसा, ठनका गिरल वगैरह हादसा

पश्चिम चंपारण जिला के शनिचरा थाना के जिनबलिया गाँव का नियरा एगो सड़क हादसा में काल्हु एगो औरत के मीत ठाँवे पर हो गइल जबकि ओकरा दू गो बच्चा समेत पाँच जने घवाहिल हो गइलें. रोहतास जिला के नौहट्टा इलाका के चौखरा गाँव में काल्हु भिनसारे एगो बम विस्फोट में एक आदमी घवाहिल हो गइल. … Read more

 58 total views

बिहार से छिटपुट खबर

पश्चिम चंपारण के लौरिया प्रखंड के सिसबनिया में तीन गो औरतन पर इंदिरा आवास के रुपिया फर्जीवाड़ा कर के दू हाली उठा लिहला का चलते मुकदमा दर्ज भइल बा. रोहतास पुलिस कोचस में छह गो अपराधियन के असलहा समेत गिरफ्तार कइले बिया. सिवान जिला के बहादुरपुर गाँव में एगो नाबालिग लइकी से कुकर्म करे वाला … Read more

 62 total views

अस्पताल में एक्सपायर्ड दवाई मिलला का बाद अधीक्षक पर जुर्माना

पश्चिम चंपारण के एम जे के अस्पताल में बचवन के इलाज में लागे वाली दवाई एक्सपायर्ड हालत में मिलला का बाद जिलाधिकारी अस्पताल अधीक्षक आ भंडारपाल पर पाँच लाख नब्बे हजार रुपिया के जुर्माना लगा दिहले बाड़न. ई जुर्माना ओह लोग के तनखाह से काटल जाई.  45 total views

 45 total views