Go to ...
RSS Feed

पश्चिम बंगाल

जान का जोखिम पर जंग करे के जिगरा

पश्चिम बंगाल के भवानीपुर विधानसभा सीट पर होखे जा रहल चुनाव पर देशे ना पूरा दुनिया के नजर टिकल होखी. नन्दीग्राम में चुनाव हार चुकल मुख्यमंत्री ममता बनर्जी ओकरा बावजूद कुर्सी पर टिकल बाड़ी आ ओह पर टिकल रहे खातिर उनुका ई चुनाव जीतल बहुते जरुरी बा. वइसे भवानीपुर ममता बनर्जी के आपन सीट रहल

बिहारो में बने जा रहल बा जनसंख्या नियन्त्रण कानून

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी) पश्चिम बंगाल विधान सभा चुनाव का बाद होखत पहिलका सत्र के शुरुआत बवाल से भइल. चुनाव बाद हो रहल लगातार हिंसा का विरोध में भाजपा के विधायक जय श्रीराम के नारा लगावत बइठक से बाहर आ गइलें. बाकिर ओहमें भाजपा विधायक का तौर पर मुकुल राय शामिल

टटका खबर, मंगल, जेठ अन्हरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

देश के विरोधी गोलन के केन्द्र बिन्दु बने का चाहत में पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी अब देश में भाजपा विरोधी सरकारन के एकजुट होखे के गोहार लगवले बाड़ी. डायलॉग मरले बाड़ी शोले वाला कि जो डर गया समझो मर गया, काश उऩुका एह डायलॉग के बंगाल के विरोधी गोल के समर्थको इशारा समुझतन

टटका खबर, बुध, वैशाख पूर्णिमा, 2078 विक्रमी

1985 बैच के भारतीय पुलिस सेवा के अधिकारी सुबोध कुमार जायसवाल के काल्हु केंद्रीय जांच ब्यूरो के निदेशक बना दीहल गइल. कुछ दिन पहिले प्रधानमंत्री, मुख्य न्यायाधीश, आ प्रमुख विरोधी दल के नेता से बनल चयन समिति तीन गो नाम सुझवले रहुवे जवना में जायसवाल के नाम शामिल रहुवे. ओकरा बाद कार्मिक, जन शिकायत अउर

टटका खबर, शनीचर, वैशाख अँजोरिया एकादशी. 2078 विक्रमी

पद्म विभूषण से सम्मानित प्रख्यात पर्यावरणविद सुंदर लाल बहुगुणा के 94 बरीस का उमिर में काल्हु शुक का दिने कोरोना से मौत हो गइल. बाद में उऩुकर अंतिम संस्कार राजकीय समामान का साथे कइल गइल. जहाँ जहाँ देश के विरोधी गोलन के सरकार बा ओहिजो कोरोना वैक्सिन के जान-बूझ के खराब कइल जा रहल बा.

टटका खबर, बियफे, वैशाख अंजोरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी

भाजपा अपना समर्थकन के राय के अनसुनी ना करे एकर सबले ताजा नमूना देखे के मिलल जब हिन्दू विरोधी आ मोदी के कटु आलोचक रहल दिनेश मनेसर का साथे खेला हो गइल. पहिले उत्तराखंड सरकार मनेसर के मीडिया सलाहकार बनावे के फैसला कइलसि. सुनते सोशल मीडिया पर भाजपा समर्थक एह फैसला का छीछालेदर कइल शुरु

खस्सी के माई कबले खरजिउतिया मनाई

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी आ सरकार चलावत उनुकर गोल तृणमूल का साथे रोजे कुछ ना कुछ अइसन हो जा रहल बा जवना से लागत बा कि अबकी बढ़िया सगुन में उनुकर सरकार नइखे बनल. पहिले त नंदी ग्राम से विधायकी का चुनाव हार गइली, ओह पर से उनुका के हरावे वाला सुवेन्दू अधिकारी

टटका खबर, मंगल, वैशाख अँजोरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

काल्हु के दिल कोलकाता तृणमूल कांग्रेस के लंगटई देखलसि जब सीबीआई ममता सरकार के दू गो मंत्रियन – फरहाद हकीम आ सुब्रत बनर्जी – का साथही कोलकाता के मेयर रहल सोवन चटर्जी आ विधायक मदन मित्रा के नारदा मामिला में गिरफ्तार क लिहलसि. गिरफ्तारी के खबर सुनते टृणमूलिया निजाम पैलेस में सीबीआई मुख्यालय पर धावा

टटका खबर, शुक, वैशाख अँजोरिया तृतीया, 2078 विक्रमी

आजु अक्षय तृतीया, भगवान श्री परशुराम जी के जन्मोत्सव, आ ईद का मौका पर सगरी पाठकन ला हार्दिक शुभ कामना. सभका से निहोरा बा कि कोरोना कहर देखत आपन त्योहार घरहीं रहि के मनावल जाय. आजु शुक का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी किसान सम्मान निधि योजना में किसानन के दीहल जाए वाला वित्तीय लाभ के

टटका खबर, बियफे, वैशाख अँजोरिया द्वितीया, 2078 विक्रमी

ममता बनर्जी नइखी चाहत कि तृणमूल के हिंसा के मामिला के सचाई देश का सोझा आवे. ना त ऊ राज्यपाल के, ना केन्द्र के सवालन के जबाव दीहल चाहत बाड़ी, अब जब पश्चिम बंगाल के राज्यपाल जगदीप धनखड़ चुनावी हिंसा से पीड़ित रहल कूचबिहार जाए वाला बाड़न त ममता उनुका के एह दौरा पर ना

टटका खबर, शनीचर, वैशाख अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी

पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के परिणाम अइला का बाद से जारी हिंसा में नाहियो त 16 लोग के मारल जाए के खबर बा बाकिर राज्य सरकार एह बारे में हर जाँच आ कार्रवाई रोके पर आमादा बिया. अब एगो अधिवक्ता अनिंद्य सुन्दर दास का गोहार पर सुनवाई करत कोलकाता हाई कोर्ट के पाँच गो न्यायमूर्तियन

टटका खबर, शुक, वैशाख अन्हरिया एकादशी, 2078 विक्रमी

आगे पढ़े से पहिले जान लीं कि भोजपुरी के पहिलका वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम के ट्राफिक रैंक हिन्दुस्तान में आजु अबहीं 19 हजार 656 पर बा. एहमें हर भाषा के वेबसाइट शामिल बा. दुनिया में एकर रैंक 2 लाख 66 हजार 291 बा. करीब 200 करोड़ वेबसाइटन का बीच भोजपुरी वेबसाइट के एह रैंकिग से भोजपुरियन

टटका खबर, मंगल, वैशाख अन्हरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी

उत्तर प्रदेश में भइल तीन तल्ला पंचायत चुनाव के मतन के गिनिती के काम अबहियों जारी बा. देर रात ले 232612 सदस्य ग्राम पंचायत, 38317 प्रधान ग्राम पंचायत, 55926 सदस्य क्षेत्र पंचायत एवं 181 सदस्य जिला पंचायत के परिणाम घोषित हो चुकल बा. भाजपा के दावा बा कि घोषित 2008 परिणामन में से 918 पर

टटका खबर, बियफे, वैशाख अन्हरिया तृतिया, 2078 विक्रमी

कोविड महामारी के बहुते खराब दौर से गुजरत हालात में पूरा दुनिया से भारत के सहायता के प्रसाताव आइल बा. बाकिर भारत सरकार ओहि देशन के सहायता प्रस्ताव पर विचार करत बा जिनका से भारत के विकास साझेदारी चलत बा. चीन आ पाकिस्तान का तरफ से आइल प्रस्तावन पर सरकार कुछुओ बोले से परहेज करत

टटका खबर, अतवार, त्रयोदशी. चईत अँजोरिया 2078 विक्रमी

राष्ट्रपति भवन में काल्हु भइल एगो सादा समारोह में न्यायमूर्ति एन. वेंकट रमणा के भारत के प्रधान न्यायाधीश के किरिया धरावल गइल. ऊ देश के 48वां प्रधान न्यायाधीश होइहें. 16 महीना ले अपना पद पर रहला का बाद न्यायमूर्ति रमणा अगिला साल 26 अगस्त के सेवानिवृत हो जइहें. एह किरिया धराई समारोह में राष्ट्रपति रामनाथ

टटका खबर, शुक, एकादशी, चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

पश्चिम बंगाल के 43 गो विधानसभा सीटन पर करावल गइल मतदान में करीब 79 फीसदी मतदान के खबर बा. एकरा साथही पश्चिम बंगाल चुनाव के छह डेग पूरा हो गइल आ अब दू चेग अउर रहि गइल बा. एही बीच निर्वाचन आयोग अबसे पश्चिम बंगाल में रोड शो, पदयात्रा, साइकिल भा वाहन रैलियन पर काल्हु

टटका खबर, बियफे, दशमी, चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

देश के विरोधी गोल चाहे ऊ राजनीति में होखो, मीडिया में होखो, प्रशासन में होखो, सरकार चलावत होखो, भा पंचइति करे में लागल होखो बुझात बा कि बाकायदा एगो टूल किट बना के देश के माहौल बिगाड़े में लागल बा. अपना देश के लोग त कउवा कान ले गइल सुनते कउवा का पाछा भागे लागेला

टटका खबर, मंगल, चईत अँजोरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी

बिहार के उप मुख्यमंत्री रहल आ अबहीं भाजपा के राज्यसभा सांसद सुशील कुमार मोदी राजद नेता शिवानंद तिवारी पर तंज कसत कहले बाड़न कि जवन आदमी लालू के जेल भिजवावे के काम कइलसि ऊ एह घरी अपना पुत्र मोह में लालू चालीसा पढे लागल बा. कहलन कि अगर शिवानन्द में समाजवाद ले के ईमानदारी रहीत

टटका खबर, अतवार, चईत अँजोरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

ना चाहतो बतावहीं के बा कि देश में कोरोना के पसार में आईल तेजी थथमे के नाम नइखे लेत. काल्हु शनीचर का दिने देश में कोरोना के 2 लाख 34 हजार 692 नया मरीज मिलला का साथही छूताह हो गइल लोगन के गिनिती 1 करोड़ 45 लाख 26 हजार 609 हो गइल. तोस के बाति

टटका खबर, शनीचर, चईत अँजोरिया पंचमी, 2078 विक्रमी

कोरोना महामारी का चलते परीक्षा टारल जाए के क्रम में अब सीआईएससीई बोर्डो आपन दसवीं आ बारहवीं के परीक्षा टारे के एलान क दिहलसि. बाकिर सीबीएसई का तरह ऊ आपन परीक्षा रद्द नइखे कइले आ कहले बा कि जून के पहिला हफ्ता में एह बारे में फैसला लीहल जाई. रउआ सभ के ई जान के

Older Posts››