Go to ...
RSS Feed

पाकिस्तान

ईद के नमाज

चैन से गुजरल ईद, बेचैन क गइल देशद्रोहियन के

जम्मू कश्मीर के धारा 370 से मिलल आजादी का बाद आजु सोमार का दिने सरकार आ प्रशासन के बड़का इम्तिहान रहुवे कि कइसे गुजरत बा ईद. बाकिर खुशी के बाति रहल कि सिकूलरन के बेचैन क के ईद चैन से गुजर गइल. जम्मू आ कश्मीरे ना, पूरा देश में मुसलमानन के ई बड़का पर्व अमन

दिग्गी राजा के बाबू (साहब) जी जहन्नुम चहुँपल

देश के दुश्मन आ जैशे मुहम्मद गिरोह के सरगना अजहर मसूद खातिर एक बेर कांग्रेसी नेता दिग्गी राजा साहब आ जी लगा के बयान दिहले रहलें. आजु खबर गरम बा कि एह चरम आतंकी के मौत हो गइल बा. शक जतावल जात बा कि संजोग से ई आतंकी ओह दिन ओही कैम्प पर आराम फरमावत

इमरान लिहलें पाकिस्तान के वजीरे-आजम पद के किरिया

इस्लामाबाद 18 अगस्त (वार्ता). पाकिस्तान के नया चुनाइल प्रधानमंत्री इमरान खान के आजु शनिचर का दिने ओहिजा के 22वां वजीरे-आजम पद के किरिया धरावल गइल. सदरे पाकिस्तान ममनून हुसैन ऐवान-ए-सदर (प्रेसीडेंट हाउस) में बोलावल गइल एगो सादा समारोह में इमरान खान के वजीरे-आजम पद के किरिया धरवलन. एह किरियाधराई समारोह में कार्यवाहक प्रधानमंत्री नसीरूल हक,

सेर प तीन सेर

पाकिस्तानी सेना के मिजाज ठिकाने लगावे में लागल भारत के सेना सोमार का दिने ओकर भुरकुच निकालत एगो मेजर समेत सात गो पाकिस्तानी सैनिकन के ठिकाने लगा दिहलसि. पिछलका सरकार में सेना के हाथ बान्हल रहत रहुवे आ ओकरा मजगर जबाब देबे के इजाजत ना मिलत रहुवे. नयकी सरकार एह बारे में सेना के पूरा

टटका खबर, सोमार, 1 जनवरी 2018

अमरीका के राष्ट्रपति डॉनल्ड ट्रंप पाकिस्‍तान का खिलाफ कड़ा रूख अपनावत ओकरा के झूठा आ फरेबी बतवले बाड़ें. नया साल का पहिलके दिने पाकिस्तान के अउरी सहायता करे से मना क दिहलें. एकरा बाद पाकिस्‍तान के विदेश मंत्री ख्‍वाजा आसिफ आ प्रधानमंत्री शाहिद खाक़ान अब्‍बासी बइठका कइलें आ कहलें कि अमेरिका के जल्दिए जबाब मिल

टटका खबर, 22 अक्टूबर 2017, अतवार

बंगला देश के ढाका में हो रहल एशिया कप हॉकी टूर्नामेंट के मैच में भारत के टीम पाकिस्तान के चार गोल से हरा दिहलें. पाकिस्तान एकहू गोल ना कर पवलसि. अब मलेशिया आ कोरिया का बीच होखे वाला सेमीफाइनल जीते वाली टीम से भारत के मुकाबला फाइनल मैच में होखी. गाजीपुर में काल्हु एगो पत्रकार

अमेरिका में गोलीबारी इस्लामिक स्टेट करवले रहुवे

हालही में अमेरिका के केलिफोर्निया शहर के एगो रेस्तरां में गोलीबारी क के 14 लोग के जान ले लीहल गइल आ 17 जने घवाहिल भइलें. ई हमला करवावे के बात आतंकी संगठन इस्लामिक स्टेट सकार लिहले बा आ एगो बयान जारी क के अमेरिका के धमकवले बा कि अगर अमेरिका चेतल ना एह तरह के

कुटाई का डर से नवाज शरीफ शराफत पर उतरलें

पाकिस्तान के प्रधानमंत्री नवाज शरीफ काल्हु राष्ट्रपति से बातचीत का दौरान कहलन कि भारत से युद्ध कइल कवनो विकल्प नइखे काहे कि एकरा से हालात अउर बदतर हो जाई. कहलन कि दुनू देश के मिल बइठ के आपन विवाद सलटवला के जरूरत बा.

छोटा राजन के गिरफ्तारी से दहशत में आइल पाकिस्तान

हाल ही में भारत के दबाव का चलते इण्डोनेशिया में डाॅन छोटा राजन के धरइला का बाद से पाकिस्तान दहशत में आ गइल बा. पाकिस्तान में बसेरा बनवले दाऊद के सुरक्षा कड़ा कर दीहल गइल बा आ ओकरा पर कई तरह के रोक लगा दीहल गइल बा जेहसे कि ओकर सुराग भारतीय एजेन्सियन के मत

भूडोल से थर्रा उठल दिल्ली समेत उत्तरी भारत

आजु सोमार का दुपहरिया में दू बजे आइल एगो बड़हन भूडोल से दिल्ली समेत पूरा उत्तरी भारत काँप उठल. भूकंप के केन्द्र अफगानिस्तान में हिन्दुकुश के पहाड़ी इलाका के फैयाजबाद से 82 किलोमीटर दक्खिन-पश्चिम में 196 किलोमीटर के गहराई में रहुवे जवना से अधिका नुकसान ना हो पावल. बाकिर तबहियों पाकिस्तान आ अफगानिस्तान में सौ

पाकिस्तान लश्कर का खिलाफ कार्रवाई करे के बात कहलस अमेरिका से

अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा आ पाकिस्तानी प्रधानमंत्री नवाज शरीफ के मुलाकात में पाकिस्तानी आदत का मुताबिक काश्मीरो के चरचा चलल. सीमा पर तनाव आ गोलीबारिओ के जिक्र भइल आ कहल गइल कि पाकिस्तान आ भारत का बीच बातचीत का माध्यम से सगरी झंझट सलटावल जरूरी बा. पाकिस्तानो अमेरिका के भरोसा दिहलसि कि आतंकी लश्कर का

टटका खबर : अतवार, 2 अगस्त 2015 (अबेर)

अझुराइल संसद के सरिहावे के कोशिश में पलीता लगावे का कोशिश में कांग्रेस अतवारे से लाग गइल. काल्हु सोमार का दिने पहिले सोनिया अपना गोल के बइठक क के आपन राय बतइहें जवना का बाद कांग्रेस तय करी कि सगरी गोल के बइठक में शामिल होखे कि ना. कांग्रेस अबहियों जिदियाइल बिया कि बिना इस्तीफा

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (बियफे, 19 फरवरी 2015)

(बुध, 18 फरवरी के खबर) पटना उच्‍च न्‍यायालय जीतनराम मांझी सरकार के बड़हन नीतिगत फैसला लेबे पर रोक हटा दिहलसि त माँझी कैबिनेट नया फैसलन के बरखा करा दिहलेंं. एह फैसलन में सरकारी नौकरी में 35 फीसदी महिला आरक्षण, पुलिस में हर साल तेरह महीना के तनखाह, किसान सलाहकारन आ होमगार्डन के मानदेय में बढ़ोतरी,

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (बुध, 18 फरवरी 2015)

(मंगल, 17 फरवरी के खबर) ईसाईयन के एगो समारोह में शामिल होखे चहुँपल प्रधानमंत्री मोदी कहलन कि उनकर सरकार देश में कवनो संप्रदाय के नफरत पसारे ना दी आ धार्मिक आजादी के मान राखी. हालांकि हाल ही में दिल्ली के एगो स्कूल में भइल चोरी के घटना का बाद मीडिया में बेवजह के बवाल खड़ा

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (मंगल, 17 फरवरी 2015)

नमस्कार! आजु महाशिवरात्रि का दिने रउरा सभे ला शुभकामना करत टटका खबर पर पेश बा सोमार 16 फरवरी के खबर. Download Music – Embed Audio Files – TatkaKhabar-16-Feb-15 श्रीलंका में पिछला महीना भइल चुनाव जीतला का बाद पहिला बेर विदेश यात्रा पर निकलल श्रीलंका के राष्ट्रपति मैथ्रिपाला सिरिसेना सोमार का दिने प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (सोमार, 16 फरवरी 2015)

(अतवार, 15 फरवरी के खबर) TatkaKhabar-15-Feb-15 क्रिकेट वर्ल्ड कप के आपन पहिलके मुकाबला में भारत पाकिस्तान के 76 रन से हरा दिहलसि जवना का बाद देश भर में क्रिकेट प्रेमियन का संगही उहो लोग खुशी मनावे लागल जिनका क्रिकेट से बेसी एह पर धियान रहेला कि पाकिस्तान के हरावल जाव चाहे जवन मुकाबला होखे. दोसरा

टटका खबर : 14 सितंबर 2014

टटका जानकारी आजु हिन्दी दिवस ह. आजुए जेएनयू के छात्रसंघ चुनाव के रिजल्ट आवे वाला बा. जिउतिया परसो 16 सितंबर के मनावल जाई. 13 सितंबर के पड़ल वोट 16 सितंबर के गिनल जाई. 17 सितंबर के विश्वकर्मा जयन्ती आ नरेन्द्र मोदी के जन्म दिन पड़ी. ओही दिन चीन के राष्ट्रपति भारत यात्रा पर अइहें आ

भाजपा पडोसी देशन से बढ़िया संबंध राखे के हिमायती, कहलन डा॰ जोशी

भाजपा के पुरनिया नेता आ संसद के लोक लेखा समिति के अध्यक्ष डा. मुरली मनोहर जोशी काल्हु यूनीवार्ता से वाराणसी में बतियावत कहलन कि उनकर पार्टी पडोसी देशन संगे बढ़िया सम्बंध राखे के हिमायती ह बाकिर देश हित का कीमत पर ना. कहलन कि जम्मू काश्मीर मे नियंत्रण रेखा पर जवन घटना भइल बाड़ी स

भीम का बाद अब नरेन्द्र उठवले बेहूदा बयान

जदयू सरकार के मंत्री अपना काल्पनिक वोट बैंक का लालच में अतना नीचे गिर गइल बाड़न कि उनुका बुझाते नइखे कि ओह लोग के बयानबाजी से सैनिकन के अपमान होखत बा आ राष्ट्रहित के नुकसान. काल्हु नरेन्द्र सिंह आपन बदमगजी देखावत कह दिहलन कि पूंछ में भइळ हमला में पाकिस्तान सरकार के कवनो दोष नइखे.

अपना बात से पलटी मारे के पड़ल एंटोनी के

पाकिस्तान का पक्ष में बयान दे के देश भर में थू थू के सामना करत रक्षामंत्री ए के एंटोनी आजु संसद में फेर बयान दे के कहलन कि एह हमला में पाकिस्तानी सेने के हाथ रहल. एंटोनी पहिले कहले रहलें कि एह हमला में कुछ लोग पाकिस्तानी सेना के वरदी में रहल आ एह बयान